सीबीएसई दसवीं के रिजल्ट ३१ मई के

पहिले घोषित तारीख बदलत सीबीएसई अब दसवीं के रिजल्ट ३१ मई के प्रकाशित करे के बात कहत बा. एह साल पिछला साल का मुकाबिले बहुते कम विद्यार्थी बोर्ड के परीक्षा दिहले बाड़े. अधिकतर विद्यार्थी अपना स्कूले के इम्तिहान दे के काम चला लिहले. एही काम्प्रेहेन्सिव एन्ड क्यूमिलिएटिव इवैल्युएशन, समग्र आ निरन्तर बिटोरार मूल्यांकन, का चलते देरी हो रहल बा.


पूर्णिया विधानसभा क्षेत्र के उपचुनाव पचीस जून के

भाजपा विधायक राजकिशोर केसरी के हत्या का चलते खाली पूर्णिया विधान सभा सीट पर पच्चीस जून के उपचुनाव करावल जाई. केसरी के हत्या दिन दहाड़े एगो औरत कर दिहले रहे जवन आरोप लगवलसि कि केसरी ओकर देहिक शोषण करत रहले.


कर्मचारियन से हड़ताल ना करे के अपील

बिहार के उर्जा मंत्री बिजेन्द्र प्रसाद यादव बिजली विभाग के कर्मचारियन से निहोरा कइले बाड़न कि एक साल ले ऊ लोग हड़ताल ना करे आ राज्य का हित में काम कर के विद्युत बोर्ड के घाटा कम करे. मंत्री पटना में विभाग के महाप्रबंधकन आ मुख्य अभियंतन के मीटिंग में बोलत रहले.


टीईटी के फार्म अब नगद खरीदल जा सकेला

बिहार सरकार फैसला कइले बिया कि राज्य में कई जगहा बैंक ड्राफ्ट बनवावे में आ रहल दिक्कत आ ओकरा चलते होखत बवाल देखत अब ड्राफ्ट ना माँगल जाई आ शिक्षक पात्रता परीक्षा के आवेदन पत्र नगद में बेचल जाई. दोसरे अब उमिरो दस साल अउर बढ़ा दिहल गइल बा जेहसे कि अधिक से अधिक लोग आवेदन कर सके. अगिला तीन साल में राज्य में तीन लाख से बेसी शिक्षकन के नियुक्ति होखे जा रहल बा. जे लोग टीईटी परीक्षा पास कर ली ऊ लोग ओकरा सात साल बाद ले बहाली खातिर योग्य बनल रही आ बार बार इम्तिहान ना देबे के पड़ी.


बीएड परीक्षा खातिर हेल्पलाइन

उत्तर प्रदेश के बीएड प्रवेश परीक्षा दू जून के होखे जा रहल बा. आवेदकन के अगर कवनो तरह के परेशानी होखे त ऊ हेल्प नम्बर पर फोन कर के समाधान करा सकेले. हेल्प लाइन के नम्बर बा

8791010074
8791000119
8791010071

ई जानकारी परीक्षा आयोजित करावे वाला रुहेल खण्ड विश्वविद्यालय बरेली के कुल सचिव के माध्यम से आइल बा.


रेल सेवा बाधित रही

बनारस इलाहाबाद रेल खण्ड पर सिग्नल प्रणाली में कइल जा रहल बदलाव का चलते आजु आ काल्हु दू दिन रेल परिचालन में बाधा आई. एह रूट के सगरी पैसेंजर गाड़ियन के रद्द कर दिहल गइल बा आ एक्सप्रेस आ मेल ट्रेन बनारस से भदोही होत इलाहाबाद जइहें सँ. विभूति एक्सप्रेस बनारस आ इलाहाबाद का बीच दू दिन रद्द रही आ एकरा के वाराणसी कैंट से कोलकाता खातिर चलावल जाई.


एयर इण्डिया के तेल देबे पर कंपनी मान गइली सँ

तेल कंपनी काल्हु से एयर इण्डिया के तेल बेचे से इन्कार कर दिहले रही सँ काहे कि ऊ बकाया त देत नइखे आ नयको खरीददारी के पूरा पइसा नइखे देत. काल्हु देर रात नागरिक विमानन मंत्रालय का दखल का बाद कंपनी तेल देबे के तइयार हो गइल बाड़ी सँ आ एयरो इण्डिया बकाया के भुगतान धीरे धीरे करे के मान गइल बिया. एयर इण्डिया तीस हजार करोड़ रुपिया के घाटा पर चलत बिया आ बढ़िया रहीत कि एकरा के बन्दे कर दिहल जाइत.


सुरेश रैना के भारतीय क्रिकेट एकदिना टीम के कप्तान बनावल गइल

गंभीर के चोट का चलते उनुका के टीम से बाहर राखल गइल बा आ अब उनुका जगह पर सुरेश रैना के एकदिना टीम के कप्तान बनावल गइल बा. टेस्ट टीम के कप्तानी महेन्द्रे सिंह धोनी का लगे रही.


संतोष ट्राफी के फाइनल आजु

संतोष ट्राफी फुटबाल टूर्नामेट के फाइनल मुकाबिला आजु बंगाल आ मणीपुर का बीच होखी. मैच गुवाहाटी में खेलल जाई.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: