हम एह सरकार के प्रधानमंत्री हईं आ हमरा के…
…ई बाति कहे के सोनिया जी अनुमति दे दिहले बाड़ी. जवन कुछ भी हो रहल बा ऊ सब हमरा देखरेख में. आ हम अबहीं प्रधानमंत्री बनल रहब काहे कि सोनिया जी के समर्थन हमरा मिल रहल बा.
कुछ अइसने निष्कर्ष निकल के आइल बा प्रधानमंत्री आ पाँच गो चुनल संपादक का बीच भइल आजु के बातचीत के बाद. लोकपाल पर प्रधानमंत्री कहले कि ऊ त चाहत बाड़न कि प्रधानमंत्री के पद लोकपाल का तहत रहो बाकिर का कइल जा सकेला अगर कुछ मंत्री आ पार्टी एकरा से सहमत नइखन. प्रधान मंत्री के कहला के मतलब इहो निकलल कि आजु देश में प्रधानमंत्री बनल रहे खातिर जनता के समर्थन मिलो भा ना मिलो सोनिया के समर्थन जरुर मिले के चाहीं. ऊ ना चहींहे त केहू प्रधानमंत्री का कुरसी पर ना बइठ सके.
पूर्णिया सीट पर भाजपा के किरण केसरी जीतली
विधानसभा के पू्र्णिया सीट पर भइल उपचुनाव के वोट आजु गिनल गइल जवना में भाजपा उम्मीदवार आ मृत विधायक के पत्नी किरण केसरी अपना निकटतम उम्मीदवार रामचरित्र यादव के करीब छब्बीस हजार वोट से हरा दिहली.
साम्प्रदायिक हिंसा विरोधी बिल पर एनएसी अड़ल बिया
देश के सुपर पावर सोनिया गाँधी के अध्यक्षता वाली नेशनल एडवाइजरी कमिटी कहले बिया कि साम्प्रदायिक हिंसा विरोधी बिल जस के तस रही. भाजपा आ कुछ लोग एह बाति खातिर एह बिल के विरोध कर रहल बा कि एह बिल के पास हो गइला का बाद हर हिंसा के दोष हिन्दूवन पर मढ़ दिहल जाई आ अगर अल्पसंख्यक दोषियो रहीहन त ओह लोग के दोषी ना मानल जाई. हमनी क आहो भरब जा त बदनाम कर दिहल जायब आ ऊ कत्लो कर दीहें त ओकर चरचा ना होखी. एह देश में बहुसंख्यक समुदाय के बहुमत का बावजूद एह समुदाय का आपसी सिर फुटौवल का चलते देश में गैर हिन्दू पावरफुल हो गइल बाड़े आ ऊ हिन्दू हित का खिलाफ जवन कुछ कर सकेले तवन सब कुछ बेरोकटोक करे पर आमादा बाड़न.
बिहार सरकार बिहार में डीजल आ रसोई गैस पर आपन टैक्स कम कइलसि
बिहार सरकार काल्हु फैसला कइलसि कि रा्ज्य में डीजल पर टैक्स कम कर दिहल जाई जवना से लोग प्रति लीटर चौदह पैसा कम पर डीजल खरीद सकीहें. रसोई गैस पर टैक्स पहिलही कम कइल जा चुकल बा. बाकिर एह कटौती का बादो आम आदमी के कवनो खास राहत नइखे मिले वाला काहे कि राज्य सरकार का हाथ में बेसी कुछ हइले नइखे.
मायावती डीजल वगैरह के दाम कम करे खातिर चिट्ठी लिखली
यूपी के मुख्यमंत्री मायावती केन्द्र के चिट्ठी लिख के कहले बाड़ी कि काहे कि एहसे जनता पर बेसी बोझ पड़ गइल बा आ एकरा से महँगाई अउरी बढ़ी, देश भर में जनता के विरोध देख के सरकार के बढ़ावल दाम वापिस ले लेबे के चाहीं.
बरखा का चलते बीस लोग के मौत
यूपी में काल्हु बरखा, मकान गिरे, आ डूबे के घटना का चलते बीस लोग के मौत होखे के खबर बा. बनारस में आरती के जगहा बदल दिहल गइल बा काहे कि नदी के पानी बढ़ गइल बा. जौनपुर में ठनका गिरला से एगो लड़िका के मौत हो गइल आ तीन गो लड़िका झँउस गइल बाड़े सँ.
चुनाइल सिपाहियन के छह महीना का भीतर बहाल कइल जाव
पटना हाई कोर्ट आदेश दिहले बा कि अगिला छह महीना का भीतर साल दू हजार में निकलल विज्ञापन का आधार पर चुनाइल सिपाहियन के बहाल कर लिहल जाव. एह सिपाहियन के शारीरिको जाँच साल दू हजार छह में करावल जा चुकल बा बाकिर अबही ले बहाली नइखे भइल.
पहिला दिने तेरह विकेट गिरली सँ
काल्हु वेस्ट इंडीज का साथ हो रहल दुसरका टेस्ट मैच में पहिलका दिने तेरह गो विकेट गिर गइली सँ. वीवीएस लक्ष्मण के ८५ रन आ सुरेश रैना के ५३ रन बनवला का बावजूद भारत के पूरा टीम चाय पियला का बाद २०१ रन बना के आउट हो गइल. बाद में खेले उतरल वेस्ट इंडीजो के तीन गो विकेट गिर गइल बा. एहसे लागत बा कि एह टेस्ट के फैसला निकल के रही आ ड्रा होखे के अनेसा नइखे.