कृषि प्रौद्योगिकी विश्वविद्यालय में प्रवेश

यूपी में बाँदा में खुले जा रहल मान्यवर कांशीराम कृषि एवं प्रौद्योगिकी विश्वविद्यालय में एही साल से पढ़ाई शुर कर दिहल जाई. एह बात के जानकारी प्रदेश के मुख्य सचिव पत्रकारन के दिहले. बांदा मे खुले जा रहल मेडिकल कॉलेज में अगिला साल से प्रवेश शुरु होई.


पटना एम्स के निर्माण तेजी से करे के माँग

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार केन्द्र सरकार से माँग कइले बाड़न कि पटना में बनत एम्स के निर्माण कार्य तेजी से करावल जाय. आठ साल से काम चलला का बादो कुछ खास प्रगति नइखे लउकत. एह अस्पताल के बन गइला से हर महीना हजारो रोगियन के दिल्ली गइला से छुटकारा मिल जाई.


शिक्षक पात्रता परीक्षा के तिथि बदलल जाई

शिक्षक पात्रता परीक्षा के फार्म बिक्री में हो रहल ह्गामा आ ड्राफ्ट के प्रावधान का चलते परीक्षार्थियन के हो रहल दिक्कत देख के सरकार एकरा के सरल बनावे जा रहल बिया. एह चलते बिक्री तत्काल प्रबाव से रोक दिहल गइल बा. अब पहिले से बेसी केन्द्र पर एह फार्म के बिक्री करावल जाई आ फार्म जमा करावे के तिथि आगे बढ़ावल जाई जेहसे बेसी से बेसी संख्या में लोग शामिल हो सके.


कुलपति करीहें आमरण अनशन

मधेपुरा के बीएन मंडल विश्वविद्यालय के कुलपति अपना विश्वविद्यालय के शिक्षकन के काम करे के तरीका से नाराज बाड़न आ ओह लोग के सुधारे खातिर अपने आमरण अनशन करे के चेतावनी दिहले बाड़न.


फिरोज मियां गिरफ्तार

पिछला दिने छपरा के भगवान बाजार में भइल गैंगवार के असल सूत्रधार फिरोज मियाँ के काल्हु छपरा पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि जब ऊ अपना मेहरारु से भेंट करे चहूँपल रहे. पुलिस ढेर दिन से ओकरा ताक में रहुवे.


पटना में हो रहल बा योजना आयोग के बईठक

काल्हु से पटना में पाँच गो राज्य के प्रतिनिधियन का साथे योजना आयोग के बईठका होखे जा रहल बा जवना खातिर आजु मोंटेक सिंह अहलूवालिया पटना आ जइहें. एह बईठका में बिहार, पश्चिम बंगाल, उड़ीसा, झारखण्ड, आ छत्तीसगढ़ राज्य के प्रतिनिधि शामिल होखीहें.


पंचायत सेवकन के बहाली

बिहार में खाली पड़ल दू हजार छह सौ सैंतीस गो पंचायत सेवक के पद पर बहाली के प्रक्रिया शुरु कइल जा रहल बा. ई बहाली लिखित परीक्षा आ मेधा सूची का आधार पर होखी आ कंप्यूटर परीक्षो पास करे के पड़ी बहाली खातिर. जे कंप्यूटर में दक्ष होई ओकरे के पंचायत सेवक बहाल कइल जाई.


बिहार में कहीं से पटना छह घंटा में

बिहार सरकार राज्य के हर बस्ती के बारहमासी सड़क से जोड़े के योजना बना रहल बिया जवना से राज्य के कवनो जगह से पटना छह घंटा में चहुंपल जा सके. मुख्यमंत्री ग्रामीण सड़क योजना खातिर तीन सौ करोड़ रुपिया के प्रावधान कइल गइल बा. बरसात का बाद पूरा राज्य में एके साथ काम शुरु करावल जाई.


आईसीएसई सीबीएसई के विद्यार्थियन के प्रवेश पर रोक लगइलसि

सीबीएसई एह साल से अपना दसवीं के छात्रन के विकल्प दिहले रहुवे कि ऊ लोग चाहे त बोर्ड परीक्षा देव भा स्कूले के परीक्षा. एह चलते करीब अस्सी फीसदी विद्यार्थी स्कुले के परीक्षा से काम निकाल लिहले. बाकिर एकर खामियाजा अब कुछ लोग के भुगते पड़ी से बारहवीं के परीक्षा दोसरा बोर्ड आईसीएसई से दिहल चाही भा कवनो अइसन जगहा होखी जहाँ बारहवीं के सीबीएसई स्कूल ना होई. काहे कि आईसीएसई तय कइले बा कि ओह विद्यार्थियन के ओकरा स्कूलन में एगारहवीं कक्षा में प्रवेश ना दिहल जाई से बोर्ड परीक्षा ना दिहले होई.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d