मानसून में पेश कर के जाड़ा में पास कराई
लोकपाल बिल पर काल्हु भइल सर्वदलीय बईठका में कुछुवो तय ना हो सकल. प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह कहले कि सरकार चाहत बिया कि एगो मजबूत लोकपाल बने बाकिर ओकरा के संविधान का दायरा में राखे के पड़ी आ संविधान के दोसर संस्था के कमजोर कइला बिना काम करे के पड़ी. बहुते दल नेता लोग के कहना रहे कि जबले सरकार बिल के ऊ मसविदा ना पेश करी जवन संसद में राखल जाये वाला बा तबले कवनो राय ना दिहल जा सके. भाजपा नेता सुषमा स्वराज के कहना बा कि सरकार पहिले मानसून सत्र में विधेयक पेश करे फेर ओकरा के स्टैंडिंग कमिटी में भेज दिहल जाव जहाँ ओह पर बढ़िया से विचार विमर्श कर के ओकरा के अंतिम रूप दिहल जा सके, आ तब ओकरा के संसद के शरद सत्र में पास करा लिहल जाव.
एगो लेख में कपिल सिब्बल लिखले बाड़न कि लोकतंत्र के सबले बड़का दुश्मन हउवें अन्ना हजारे जिनकर कहल मान लिहल जाव त संविधान के सगरी व्यवस्था बेकार हो जाई. उनुका सबले बेसी विरोध एह बाति पर बा कि प्रधानमंत्री के लोकपाल का दायरा में राखल जाव.
कपिल सिब्बल बतइहें त ना बाकिर बतावे के चाहीं कि जब दू दू गो खेलमंत्री कलमाडी का खेल से प्रधानमंत्री के लिखित में चेतवले तब ऊ कवन कारण रहे भा ऊ के रहे जेकरा इशारा पर प्रधानमंत्री चु्प्पी लगवले रह गइलन आ अरबो रुपिया के घोटाला हो गइल ?
बिहार आ यूपी में बाढ़
बिहार में बागमती नदी के पानी मुजफ्फरपुर आ सीतामढ़ी जिला के कई गो गाँवन में घुस गइल बा आ करीब दू हजार से बेसी घर एह बाढ़ से प्रबावित भइल बा. नेपाल सीमा पर रातो नदी के पानीओ बढ़ के गाँवन में घुसल शुरु हो गइल बा.
यूपी में गंगा, घाघरा, आ शारदा नदियन के जलस्तर लगातार बढ़ रहल बा जवना चलते कई गो निचला जगहन पर पानी भर गइल बा. बाकिर सरकार के कहना बा कि राज्य में बाढ़ के कवनो बड़हन खतरा नइखे. गंगा के पानी बलिया में हर घंटा छह सेंटीमीटर का रफ्तार से बढ़ रहल बा आ जल्दिये खतरा के निशान छू ली.
आबादी का आधार पर अनुसूचित जाति के आरक्षण मिले
देश के अनुसूचित जाति आयोग के अध्यक्ष पी एल पुनिया के कहना बा कि देश में अनुसूचित जातियन के ओह लोग के आबादी का आधार पर आरक्षण मिले के चाहीं आ निजी क्षेत्र आ न्यायायिको सेवा में ई आरक्षण मिले. कहलन कि जबले अनुसूचित जाति के लोगन के जागरूक ना बनावल जाई तब ले ओह लोग के वाजिब हक ना मिल पाई. पुनिया काल्हु पटना में पत्रकारन से बतियावत रहले. पुनिया के कहना बा कि अनुसूचित जातियन के मौजूदा आरक्षण सुविधो के फायदा नइखे मिल पावत काहे कि सरकारी नौकरियन में बड़हन बैकलाग बन गइल बा आ संविदा का आधार पर बहाली होखल शुरु हो गइल बा जवना में आरक्षण के सुविधा ना दिहल जाव.
सोरह हजार होमगार्ड बहाल करे के प्रक्रिया शुरू
बिहार में होमगार्ड के सोरह हजार जवान के खाली पद पर बहाली के प्रक्रिया शुरू कर दिहल गइल बा. बहाली जिला स्तर पर प्रखंड के ईकाई मान के कइल जाई. जिलाधिकारियन आ आरक्षी अधीक्षकन के कहल गइल बा कि प्रखंड स्तर पर आरक्षण रोस्टर तइयार कइल जाव. रोस्टर तइयार होखला का बाद बहाली के काम शुरू हो जाई. एह खातिर शारीरिक परीक्षा लिहल जाई. मैट्रिक पास जवानन के विशेष बटालियन में राखल जाई.
निघासन थाना में लड़िकी के हत्या के खुलासा हो गइल
मंत्रिमण्डलीय सचिव शशांक शेखर सिंह काल्हु कहले कि ओहिजा के सर्किल आफिसर के गनर अतीक अहमद ओह लड़िकी का साथे कुकर्म करे के कोशिश कइलसि आ लड़िकी ना मानल त ओकरे ओढ़नी से ओकर गरदन दबा के मार दिहलसि. थाना के फालोअर रामचन्द्र पर सुबूत मेटावे के आरोप बा. पहिले कहल गइल रहे कि उहे हत्या कइले रहल.
कतहीं स्कूल कॉलेज खोलल जा सकी यूपी में
पहिले से लागू नियम, जवना में कहल गइल रहे कि मौजूदा हाई स्कूल भा इंटर कॉलेजन का पाँच किलोमीटर का भीतर दोसर हाई स्कूल भा इंटर कॉलेज ना खोलल जा सके, के खतम कर दिहल गइल बा. अब कतहीं नया हाई स्कूल आ इंटर कॉलेज खोलल जा सकेला. शिक्षा मंत्री रंगनाश मिश्र कहले बाड़न कि लड़िकियन के साइकिल का साथ मिले वाला पंद्रह हजार रुपिया अब सीधे ओकनी के खाता में भेजल जाई इहो कहलन कि राज्य में छह हजार शिक्षकन के बहाली प्रक्रिया अगस्त सितम्बर में शुरू कर दिहल जाई..