करियाधन का खिलाफ बाबा रामदेव के अनशन शूरु
काल्हु देर साँझ ले बनल उहापोह का बाद आखिरकार बाबा रामदेव एलान कइलन कि सरकार का सा् बातचीत में नब्बे फीसदी सहमति बनला का बावजूद सरकार कुछ खास बात पर तइयार नइखे होत एहसे ऊ काल्हु सबेरे से अनशन पर बइठीहें. आजु सबेरे पाँच बजे बाबा रामदेव दिल्ली का रामलीला मैदान में बनावल अस्थायी योग शिविर का मंच पर अइलन. ओहिजा मौजूद अपना गुरु के गोड़ छू के आशीर्वाद लिहलन आ जय भारत माँ के उद्घोष का साथ आपन आन्दोलन शुरु कर दिहलन. अनशन स्थल पर हजारन लोग के भीड़ मौजूद बा आ हर घंटे भीड़ बढ़ल जा रहल बा. अन्ना के अनशने का तरह अबकियो मीडिया एह आन्दोलन के बढ़िया से प्रचार कर रहल बा. पूरा दुनिया में बाबा के समर्थक अनशन आ सत्याग्रह पर बइठल बाड़े आ देश का करीब हर जिला में सत्याग्रह हो रहल बा. हिन्दुस्तान में आजु ले अतना बड़हन पैमाना पर कवनो सत्याग्रह नइखे भइल. सरकार अबहियो बाबा के मनावे पर लागल बिया. ओकर कोशिश बा कि बाबा करिया धन वाला मुद्दा पर जिद्द मत करसु काहे कि एह समस्या के तुरत फुरत समाधान ना हो सके.
मनोज तिवारी बाबा का मंच पर
लोकप्रिय भोजपुरी गायक आ भोजपुरी सिनेमा के मेगास्टार कहाये वाला मनोज तिवारी आजु सबेरे से बाबा रामदेव का मंच पर मौजूद बाड़े आ अपना देशभक्ति वाला गाना से मौजूद लोगन के उत्साह बढ़ा रहल बाड़न. काल्हु बालीवुड के कुछ मुसलमान सितारा बाबा रामदेव के समर्थन से इन्कार कर दिहले. ओह लोग के कहना रहल कि बाबा के आन्दोलन में राजनीति बा. अकसर आरोप लागत रहेला कि बालीवुड फिल्मन में करिया धन के निवेश होला आ बालीवुड दाउद गिरोह का इशारा पर चलेला. आजु मनोज तिवारी के मंच पर मौजूदगी का बाद ई ना कहल जा सके कि फिल्मोद्योग एह आन्दोलन का सामुहिक विरोध में बा. ई अलग बाति बा कि मनोज तिवारी अपना राजनीतिक महात्वाकांक्षा का चलते अलग अलग मंच पर आपन मौजूदगी दर्ज करावत रहेले.
भोजपुरी फिल्म सिटी के अवार्ड समारोह ना हो सकल
मुंबई में २ जून के होखे वाला भोजपुरी फिल्म सिटी अवार्ड समारोह मूसलाधार बरखा में बह गइल आ आयोजन रद्द कर देबे के पड़ल. महुआ टीवी के सुर संग्राम दू का टारल फाइनल का तरह एह अवार्डो समारोह के टार दिहल गइल बा आ अगिला तारीख के अबले एलान नइखे भइल. भोजपुरी फिल्म सिटी अवार्ड समारोह अपना तरह के एगो बड़हन आयोजन बा. अब तक होत आइल भोजपुरी फिल्म अवार्ड समारोह अतना बड़ पैमाना पर नइखे मनावल गइल. साल २००८ के बनारस में भइल ईटीवी फिल्म समारोह अपवाद रहल बाकिर ओकरा बाद ईटीवी फेर फिल्म समारोह ना कइलस.
बिहार में गाँव वालन पर पुलिस फायरिंग में तीन आदमी के मौत
बिहार का अररिया जिला के फारबिसगंज में आन्दोलन करत गाँव वालन के पुलिस से झड़प हो गइल जवना का बाद भीड़ तितर बितर करे खातिर पुलिस गोली चला दिहलसि. एह फायरिंग में तीन आदमी के मौत हो गइल आ बीसेक जने घवाहिल हो गइले. मुख्यमंत्री एह फायरिंग के जाँच के आदेश दे दिहले बाड़न आ दु दिन का भीतर रिपोर्ट मँगले बाड़न.स
भजनलाल के मौत
देश में आयाराम गयाराम वाला राजनीति के शुरुआत करे वाला आ तीन बेर हरियाणा के मुख्यमंत्री रहल एकासी साल के भजनलाल के काल्हु हृदयगति रुकला से मौत हो गइल. बिहार आ यूपी के मुख्यमंत्रियन समेते बहुते राजनेता भजनलाल के मौत पर आपन शोक जाहिर कइले बाड़े.
यूपी में अकेले लड़ी भाजपा
वइसहू कवनो दोसर दल भाजपा के साथ आवे के बेचैन नइखे बाकिर एह कमी के आपन वाहवाही बनावत भाजपा अध्यक्ष नितिन गडकरी काल्हु लखनऊ में हो रहल राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बईठक के उद्घाटन करत कहले कि भाजपा राज्य में अपने दम पर चुनाव लड़ी. कहलन कि दिल्ली के गद्दी के राह यूपी होइये के जाले आ यूपी में सत्ता जीतल पार्टी के प्राथमिकता में बा. एक बेर पहिलहू भाजपा राज्य में सत्ता में आ चुकल बा अब फेर राज्य में गुण्डाराज आ जंगल राज खतम करे खातिर अब कमर कस लिहले बिया. बसपा, कांग्रेस, आ सपा, तीनो के अपना निशाना पर लेत नितिन गडकरी कहलन कि एह तीनो दल के आपसी तालमेल के खुलासा जरुरी बा.