शान्त आन्दोलनकारियन पर पुलिस के बेरहमी से पूरा देश नाराज
शनिचर का देर रात शान्ति से सुतल आन्दोलनकारियन पर पुलिस के बेरहम हमला का बाद काल्हु पूरा देश में विरोध के लहर फइल गइल. भ्रष्टाचार का आरोप में गरदन ले डूबल लालू प्रसाद का अलावे पूरा देश में एक आदमी ना रहल जे कांग्रेसी सरकार के सराहना करो. इहाँ तक कि केन्द्र सरकार के समर्थन देबे वाला मुलायम सिंह आ मायावती का साथ साथ अनिल शास्त्री समेत कई गो कांग्रेसियो एह घटना के निंदा कइले बाड़े. सभे एकरा के इमरजेन्सी लगावे के तइयारी बतलावत बा जब इन्दिरा गाँधी अदालत में आपन मुकदमा हार गइल रही. पूरा देश में मनमोहन सिंह, सोनिया गाँधी आ कपिल सिब्बल के पुतला जरावल गइल. दिग्गी राजा के त लोग ओहू लायक ना समुझल.
श्री श्री रविशंकर मर्माहत हो गइले
आर्ट आफ लिविंग के संस्थापक आ पूरा दुनिया में सम्मान पावे वाला श्री श्री रविशंकर काल्हु आपन विदेश यात्रा बीचे में छोड़ के स्वदेश खातिर रवाना हो गइले. उनुक कहना बा कि बाबा रामदेव का साथे जवन भइल तवन बहुत दुखद बा. देश के पूरा साधू समाजो सरकार के निन्दा कइले बा. कहल जात बा कि वेटिकन का इशारा पर देश के हिन्दू धर्मगुरुवन के बेइज्जत करत बिया कांग्रेस सरकार. अन्ना हजारे केन्द्र सरकार के आचरण से नाराज हो के ८ जून के अनशन करे के एलान कइले बाड़न.
लोकपाल मसौदा समिति के बहिष्कार
लोकपाल बिल के मसौदा बनावे वाली समिति के बईठका में आजु सिविल सोसाइटी के लोग सरकार के अलोकतांत्रिक रवैया का चलते शामिल ना होई. कहल जा रहल बा कि अब सरकारी प्रतिनिधि भरोसा करे लायक नइखन रहि गइल आ बईठक के सार्वजनिक प्रसारण के व्यवस्था होखे के चाहीं जेहसे कि बाद में सरकारी पक्ष कवनो दगाबाजी ना कर सके आ सब कुछ पारदर्शी तरीका से होखे. आपन विश्वसनियता गँवा चुकल सरकार खातिर आजु के वहिष्कार चिन्ता के कारण होखेस के चाहीं.
यूपी का हर जिला में खुली उर्दू स्टडी सेंटर
उत्तर प्रदेश का हर जिला में इग्नू आ मान्यवर कांशीराम जी उर्दू अरबी फारसी विश्वविद्यालय का सहयोग से उर्दू स्टडी सेन्टर खोलल जाई जहवाँ उर्दू के डिग्री डिप्लोमा कोर्स पढ़ावल जाई. देश में उर्दू पढ़ावे वालन के होखे वाला बड़हन बहाली संभावना देखत बहुते नवजवान उर्दू के शिक्षा लीहें, अइसन अन्दाजा बा.
आजु से शुरु हो रहल बा भोजपुरी में के बनी करोड़पति
महुआ टीवी पर आजु से बहुचर्चित धारावाहिक कौन बनेगा करोड़पति के भोजपुरी संस्करण के शुरुआत हो रहल बा. एकर एंकरिंग करीहें शत्रुघ्न सिन्हा. भोजपुरी सिटी के पहिलका सिने अवार्ड आजुवे मुंबई में आयोजित हो रहल बा. २ जून के आयोजित रहल एह समारोह के बरखा का चलते टार दिहल गइल रहे. महुआ टीवी के सुर संग्राम सीजन टू के टारल फाइनल का बारे में अबहियो कवनो चरचा नइखे.