नालंदा विश्वविद्यालय में साल २०१३ से पढ़ावल शुरु होखी

काल्हु नालंदा अंतर्राष्ठट्रीय विश्वविद्यालय के गवर्निंग बोर्ड का बैठक में तय भइल कि साल २०१३ से नालंदा विश्वविद्यालय में पढ़ावे के काम शुरु कर दिहल जाई. बईठक के अध्यक्षता प्रो॰ अमर्त्य सेन कइले. एहबईठक में विश्वविद्यालय के संविधान, वित्तीय कामकाज, आ दू गो विषय के प्रारूपन के अंतिम रुप दिहल गइल. एकर अंतर्राष्ट्रीय स्तर बनावे खातिर सिंगापुर के पूर्व विदेश मंत्री जार्ज येव का अध्यक्षता में तीन सदस्यन के एगो कमिटि बनावल गइल. बोर्ड के अगिला बईठक चीन में अक्टूबर में होखी.


बाढ़ के हालात गम्हीरे बनल बा

बिहार में कई जिलन में बाढ़ के हालात गम्हीरे बनल बा आ गंडक, बूढ़ी गंडक, कोसी, भूतही बलान, आ बागमती नदियन के जलस्तर बढ़ले जात बा. बलुआहा घाट पर बनल पीपा पुल के बाढ़ का चलते बन्द कर दिहल गइल बा आ डायवर्सन कटाव का चलते डूबे वाला बा. ओने वाल्मीकि नगर बराज से दू लाख पन्द्रह हजार क्यूसेक आ कोसी बराज से एक लाख पैंतालीस हजार क्यूसेक पानी छोड़ला का चलते हालात अउरी बिगड़े वाला बा.


राहुल के यात्रा में सरकार दखल ना दी

आपन राजनीति चमकावे खातिर यूपी में भट्टा पारसौल से अलीगढ़ का पदयात्रा पर निकलल राहुल गाँधी के यात्रा में यूपी सरकार तबले कवनो दखल ना दी जबले कानून व्यवस्था के हालत बिगड़े के अनेसा ना हो जाव. वइसे काल्हु एगो कांग्रेसी कार्यकर्ता के राहुल का नियरा जाये का फेर में गिरफ्तार कर लिहल गइल काहे कि ओकरा लगे एगो पिस्तौल रहे आ ऊ राहुल के सुरक्षा घेरा तूड़त उनुका नजदीक जायल चाहत रहे. किसानन के समस्या के समाधान राहुल चहतन त केन्द्र सरकार से कहि के भूमि अधिग्रहण के नियम ठीक करवा लेतन. बसपा एह यात्रा के नौटंकी बतावत बिया त भाजपा राहुल के स्वास्थ्य सुधारे के कसरत. हालांकि एह यात्रा से स्वास्थ्य त कांग्रेस के सुधरे वाला बा.


बी एड में प्रवेश खातिर काउंसलिंग

यूपी के उच्च शिक्षा विभाग बी एड में प्रवेश खातिर प्रवेश परीक्षा के रिजल्ट निकल गइला का बाद अब तीस जगहन पर काउंसलिग करवावे जा रहल बा जवन चौदह जुलाई से शुरु होखी. कानपुर आ लखनऊ में पाँच पाँच जगहा, आगरा मेरठ आ बरेली में तीन तीन जगहा, अउर बनारस फैजाबाद आ गोरखपुर में दू दू जगहा काऊंसलिंग केन्द्र बनावल जाई. गोरखपुर में विश्वविद्यालय परिसर आ दिग्विजयनाथ डिग्री कॉलेज में काऊंसलिग करावल जाई.


प्रवक्ता पद के भर्ती परीक्षा के रिजल्ट निकलल

काल्हु यूपी के http://upsessb.org/results.php माध्यमिक शिक्षा सेवा चयन बोर्ड इंटर कॉलेजन में प्रवक्ता पद पर बहाली खातिर लिहल परीक्षा के परिणाम अपना वेबसाइट पर निकाल दिहलसि. इलाहाबाद में बोर्ड कार्यालय का नोटिसो बोर्ड पर रिजल्ट चिपका दिहल गइल बा.


सेना में बहाली रैली से लवटत में अभ्यर्थियन के बवाल

काल्हु एक बेर फेर सेना भर्ती रैली से लवटे वाला अब्यर्थी जौनपुर में आ आजमगढ़ के ज्यूली मोड़ पर बवाल कटले. ओह लोग के समुझावे बुझावे के सगरी प्रयास बेकार रहल. बस में चढ़ी लोग बाकिर टिकट ना खरीदी, होटल आ खोमचा वाला से खाई लोग पइसा ना दी. अब अइसनका अभ्यर्थियन के सेना में बहाली मिल जाव त ऊ का करीहें एकर अनुमान लगावल जा सकेला. अइसनका अभ्यर्थियन के चिह्ने के आ भविष्य में होखे वाला भर्ती खातिर अयोग्य ठहरावे के उपाय होखे के चाहीं.


योगीबीर बाबा के मंदिर कटान में बिलाइल

बलिया के गंगौली गाँव में योगीबीर बाबा के सिद्ध मंदिर काल्हु गंगा के कटान में बिला गइल. मंदिर के खतम हो गइला से पूरा इलाका में अफसोस जाहिर हो रहल बा. मंगल का दिने शाहपुर के काली मंदिर अइसहीं कटान में बिला गइल रहे.


मोबाइल पर प्लेटफार्म टिकट

अब रेलवे प्लेटफार्म टिकट खरीदे खातिर घंटन लाइन में रहे के जरुरत ना पड़ी. रेलवे के योजना बा कि अब लोग मोबाइले से प्लेटफार्म टिकट खरीद सकी आ रेलवे का तरफ से भेजल एसएमएसे के टिकट मानल जाई. बाकिर गेट पर टिकट चेक करे वाला टिकटवा राखे के चाही तब का होई ?


भोजपुरी अभिनेत्री रानी चटर्जी के जमानत याचिका काल्हु मोतिहारी अदालत खारिज कर दिहलसि. रानी मुखर्जी के अधिवक्ता ने जमानत याचिका दाखिल कइलन बाकिर अदालत ओकरा के खारिज कर दिहलसि. फिल्म ‘हिम्मत चाहीं प्यार करे ला’ मुकदमा दायर कइले बाड़न कि रानी चटर्जी एह फिल्म में करे खातिर साइनिंग एमाउंट ले लिहला का बाजूद ना त काम कइली ना पइसा लवटवली.


वेस्टइंडीज का साथे टेस्ट मैच

काल्हु वेस्ट इंडीज का साथे खेलल जा रहल तिसरका टेस्ट का पहिलका दिने बरखा का चलते बत्तीसो ओवर खेल ना हो पावल. टॉस जीत के महेन्द्र सिहं धोनी पहिले गेंदबाजी करे के फैसला कइलन जवना का बाद वेस्ट इंडीज के शुरुआत बहुते खराब रहल. लँच तकले तीन गो विकेट गिर चुकल रहे आ पैंतीसे गो रन बनल रहे. ईशात शर्मा दू गो विकेट आ प्रवीण एगो विकेट लिहले. बाकिर बरखा का चलते लंच का बाद तीन ओवर एक गेंद का बादे खेल रोक देबे के पड़ल.


Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d