यूपी बोर्ड के इन्टर रिजल्ट
काल्हु यूपी बोर्ड इन्टर के रिजल्ट प्रकाशित कइलसि जवना में लड़िकन में बाराबंकी के ज्ञान आ लड़िकियन में लखनऊ के अर्पिता टॉपर रहल लोग. पूर्वांचल में जौनपुर के रिजल्ट, ८९.८६ फीसदी, सबसे बढ़िया रहल जबकि भदोही के, ७२.५८ फीसदी, सबले खराब. सोनभद्र के ८९.५३ फीसदी, मऊ के ८९.०९ फीसदी, मिर्जापुर के ८३.९८ फीसदी, आजमगढ़ के ८१.७७ फीसदी, बनारस के ८१.२३ फीसदी, गाजीपुर के ७८.०४ फीसदी, चंदौली के ७३.६१ फीसदी आ बलिया के रिजल्ट ७३.४४ फीसदी रहल. दुखद खबर ई रहल कि टेम्पोररी समस्या के परमानेंट समाधान करत एगो लड़िका रसड़ा में मंदा गाँव का लगे साबरमती एक्सप्रेस का सामने कूद के जान दे दिहलसि. अरे, जिनिगी त रोजे इम्तिहान होला. एगो इम्तिहान में खराब रिजल्ट से जिनिगी थोड़े खतम हो जाले. कतना लोग बा जे एह इम्तिहान में फिसड्डी होखला का बादो जिनिगी का इम्तिहान में अव्वल आ के देखा देलें.
बाबा रामदेव प्रकरण में सुप्रीम कोर्ट स्वतः संज्ञान लिहलसि
मीडिया में आइल खबर देख के सुप्रीम कोर्ट रामदेव बाबा के आन्दोलन पर अधरतिया में भइल पुलिसिया कार्रवाई से नाराजगी जतावत केन्द्र सरकार के गृह सचिव, दिल्ली सरकार के गृह सचिव, दिल्ली प्रशासन आ दिल्ली के पुलिस आयुक्त से दू हफ्ता का भीतर आपन जबाब दाखिल करे के कहले बा कि आखिर ऊ कवन कारण रहे जवना चलते अइसन करे के पड़ल. काल्हु दिल्ली के मूख्यमंत्री कहली कि दिल्ली सरकार से पुलिस कार्रवाई से पहिले केन्द्र कुछ ना पुछले रहल. प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह पुलिस कार्रवाई के जरूरी बतवले आ कहले कि दुखद होखला का बावजूद मजबूरी में वइसन कइल जरुरी हो गइल रहे.
बिलाई का भागे सिकहर टूटल
बहुत दिन से मौका का तलाश में रहल भाजपा के फेर एगो मुद्दा मिल गइल बा जवना से ऊ आपन विपक्षी छवि सुधारे में लाग गइल बिया. चौबीस घंटा का सत्याग्रह का बाद काल्हु ऊ लोग राष्ट्रपति से भेंट करके एह मसला पर संसद के विशेष सत्र बोलवावे के माँग कइल. हर जगहा भाजपा अपना कार्यकर्ता लोगन के विरोध करे के निर्देश दिहले बिया.
कांग्रेस का प्रेस सम्मेलन मे जूता देखावल गइल
कांग्रेस का प्रेस सम्मेलन में काल्हु जनार्दन द्विवेदी के एगो तथाकथित पत्रकार, सुनील कुमार जे अपना के राजस्थान के एगो पत्रिका के संवाददाता बतावत रहे, जूता देखवलसि जवना का बाद ओहिजा मौजूद कांग्रेसी कार्यकर्ता आ कुछ पत्रकारो मिल के ओकरा के जम के लात घूँसा से पिटाई कइलन आ बाद में ओकरा के पुलिस के सँउप दिहल गइल. ओह आदमी के व्यवहार भर्त्सना योग्य रहल बाकिर बाद में ओकरा साथे जवन भइल तवनो जायज भा कानूनी ना रहल. बाकिर समरथ के ना दोष गुसाईं.
यूपी का मुस्लिम बहुल इलाका में सरकारी कॉलेज खोलल जाई
यूपी सरकार राज्य के पिछड़ल मुस्लिम बहुल इलाकन में राजकीय महाविद्यालय खोले के बात करत बिया जवना खातिर प्रशासन निशुल्क जमीन मुहैया करी. गँवई इलाकन में दस हजार वर्गमीटर आ शहरी इलाकन मे एकरा खातिर पाँच हजार वर्गमीटर जमीन दिहल जाई. एह कॉलेजन में विद्यार्थी नाम मात्र के फीस पर पढ़ाई कर सकीहें.
सपा केन्द् सरकार से समर्थन वापिस ना ली
आगरा में हो रहल सपा के राष्ट्रीय सम्मेलन में मुलायम सिंह यादव एक बेर फेर दोहरवले कि केन्द्र सरकार के सपा के समर्थन जारी रही काहे कि समर्थन देश में साम्प्रदायिक ताकतन के रोके खातिर दिहल गइल बा. परसो पार्टी के एगो पदाधिकारी कहले रहले कि पार्टी समर्थन वापिस करे पर सोचे जा रहल बिया.
यूपी बिहार समेत उत्तर भारत में गर्मी के लहर
गर्मी के एह मौसम में बिहार यूपी आ करीब करीब सगरी उत्तर भारत में पारा आसमान चढ़ल बा. भागलपुर में काल्हु तापमान छियालीस डिग्री मापल गइल. बनारस में तापमान चौवालीस डिग्री रहल.हर जगहा दिन चढ़ते लोग के बाहर निकलल कम हो जा रहल बा. जेही निकलत बा बहुते मजबूरी में. उपर से बिजली के कटौती जियल अउरी मुहाल कर देत बिया.
वेस्ट इंडीज के चार विकेट से हरवलसि भारत
काल्हु त्रिनिडाड में भइल शृंखला के पहिला एकदिना मैच में भारत वेस्टइंडीज के चार विकेट से हरा दिहलसि. पहिले खेलत वेस्ट इंडीज के शुरुआत खराब रहल आ एक समय ऊ तीन विकेट का नुकसान पर महज उनसठ रन बनवले रहे. बाकिर बाद में सरवन आ सैमुएल का बदौलत वेस्टइंडीज नौ विकेट का नुकसान पर २१४ रन बना लिहलसि. बाद में खेले उतरल भारतो के तीन विकेट ६१ रन बनते गिर चुकल रहे. बाद में रोहित शर्मा के नाबाद अड़सठ रन, शिखर धवन के इकावन रन आ सुरेश रैना के तैंतालीस रन का बदौलत भारत चार विकेट से मैच जीत लिहलसि.