इंजीनियरिंग परीक्षा खातिर स्पेशल ट्रेन

कर्नाटक का बैंगलुरु में होखे वाला इंजीनियरिंग प्रवेश परीक्षा खातिर अगिला दस मई के एगो विशेष गाड़ी दरभंगा से खुली जवन यशवन्तपुर तकले जाई. दरभंगा से सबेरे ६.४० पर खुले वाली ई रेलगाड़ी समस्तीपुर से ७.४० पर, बरौनी से ८.४५ पर आ पटना से १२.३० पर खुली. लवटति में यशवंतपुर से १० मई के रात ११.३० बजे खुली आ वापिस दरभंगा ले जाई.

बिहार पंचायत चुनाव के तिसरका चरण

आजु बुध २७ अप्रैल के वोट डालल जा रहल बा. पिछला दुनु चरण का वोटिंग का दिने भइल हिंसक घटना के ध्यान में राखत प्रशासन पहिले से चौकस बा. मैदान छोड़ के भागे वाला सुरक्षाकर्मियन का खिलाफ कार्रवाई कइल जाई. नक्सल प्रभावित 14 गो प्रखंड में तीने बजे ले वोटिंग होखी. बाकी जगहा चार बजे ले वोट डालल जा सकी.

लड़की उठा ले गइले सँ

भेल्दी थाना क्षेत्र के मानपुर गांव से खरौनिया माई का मंदिर में पूजा करे गइल एगो स्कूली छात्रा के कोरेया गाँव के कुछ लड़िका बहका फुसला के भगा ले गइल बाड़े सँ. लड़की के बाप थाना में मुकदमा दर्ज करा दिहले बाड़न. पुलिस एकरा के प्रेमप्रपंच के मामिला मानत बिया.

अपना फिलिम के प्रचार में मोहन राठौर

महुआ टीवी के सुर संग्राम के विजेता मोहन राठौर अब फिलिम में काम करे लागल बाड़े. अभय सिन्हा आ महुआ टीवी के सहयोग से बनल फिल्म “जंग” में मोहन राठौर पहिला बेर सिनेमा का परदा पर आइल बाड़न. मोहन राठौर के दुगो अउरियो फिलिम नाचा गावा मजा करा आ हमार मेहरारु नं॰ वन आ म्यूजिक अलबम प्यार साँचो करिला जल्दिये आवे वाली बाड़ी सँ. मोहन राठौर के कहना बा कि कुछ दर्शकन के डिमाँड आ कुछ निर्माता लोग का लालच का चलते भोजपुरी सिनेमा में फूहड़पन बढ़ल बा. अइसनका करे वाला कुछे लोग बा बाकिर पूरा इन्डस्ट्री बदनाम हो जात बिया.

ग्रामीण प्रबंधन संस्थान के दीक्षान्त समारोह

काल्हु मंगल का दिने गुजरात के आनन्द में ग्रामीण प्रबंधन संस्थान के दीक्षान्त समारोह में संस्थान के तीसवाँ बैच के उपाधि वितरण देश के उपराष्ट्रपति हामिद अंसारी का हाथे भइल. सगरी विद्यार्थी पुरा तरह से भारतीय वेश भूषा में रहलें. देह पर सफेद पाजामा कुर्ता, गोड़ में कोल्हापुरी चप्पल, आ उपाधि का साथ मिले वाला अंगवस्त्रम सगरी विद्यार्थियन के एक साथ जोड़त रहे. लड़िका लड़िकी दुनु के एकही वेश रहे. देश के प्रतिष्ठित प्रबंधन संस्थानन में शुमार आनन्द के ग्रामीण प्रबंधन संस्थान से निकले वाला छात्र बड़हन कंपनियन का बदले सामाजिक सेवा में लागल आ ग्राम विकास के काम करे वाली कंपनी आ संस्था से जुड़ल पसन्द करेलें. हर साल का तरह एहु साल सगरी लोग के कैंपस प्लेसमेंट मिल चुकल बा आ अब लोग अपना अपना नौकरी पर चल जाई.

देश में एक हजार विश्वविद्यालयन के जरुरत बा

केन्द्रीय मानव संसाधन मंत्री कपिल सिब्बल राजस्थान के बांदरसिंदरी में राजस्थान केन्द्रीय विश्वविद्यालय के आधारशिला पट्टिका के अनावरण कइला का बाद अपना संबोधन में कहले कि देश में एक हजार नया विश्विवद्यालय आ ४५ हजार नया महाविद्यालयन के जरुरत बा जवना खातिर सरकार अकेले सबकुछ ना कर सके. निजी क्षेत्र के एह दिशाईं आगा आवे के पड़ी.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d