गया में होखत एगो कार्यक्रम में भोजपुरी गायिका देवी का साथे गलत आचरण करे वाला कुलपति दिनेश प्रसाद सिन्हा आजु शुक का दिने गया के एगो अदालत में सरेण्डर कर दिहले जवना का बाद उनुकर जमानत याचिका मंजूर कर लिहल गइल. पिछला आठ फरवरी के बोधगया के एगो होटल में शादी समारोह का दौरान दिनेश प्रसाद सिन्हा गायिका का साथे कवनो बदचलन जइसन व्यवहार कइलन जवना के शिकायत देवी कर दिहली. ओकरा बाद मामिला तूल पकड़त चल गइल आ अब उनुका खिलाफ विधानपरिषद में एगो विशेषाधिकार हनन प्रस्ताव विचाराधीन बा. छपरा में जब कुछ विद्यार्थी कुलपति के आचरण का खिलाफ धरना पर बइठले त गुण्डा से पिटाई करा दिहल गइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: