बिहार का उपमुख्यमंत्री रहल सुशील कुमार मोदी के कहना बा कि सतारूढ़ दल के विधायके कानून तूड़त बाड़न आ एह लोग का खिलाफ लगातार कानून तूड़े के शिकायत ले के थाना में केसो लिखावल जात बा. एकर खबर सोझा अइला से परेशान प्रशासन अब पत्रकारन के धमकावे में लाग गइल बा जवन चिन्ता के बात बा.
रालोसपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ केन्द्रीय मंत्री उपेन्द्र कुशवाहो के कहना बा कि बिहार में बढ़त अपराधन पर काबू पावे में राज्य सरकार फेल साबित होखत बिया. लागत बा के बिहार में जंगलराज के वापसी हो गइल बा आ केहू सुरक्षित नइखे रहि गइल.
ओने, मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के कहना बा कि राज्य सरकार अपराधियन का खिलाफ कठोर कार्रवाई करत बिया आ बिहार में कानून के राज बरकरार बा.
लोजपा नेता बृजनाथी सिंह हत्याकांड में बेउर इलाका के हरनीचक से एगो आरोपित अमरजीत उर्फ बबलू के गिरफ्तार क लिहले बिया पुलिस.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: