नयी दिल्ली 25 नवंबर (वार्ता) बँवारा हाथ के तेज गेदबाज जहीर खान के दक्खिन अफ्रीका दौरा पर जाए वाली टीम में शामिल क लीहल गइल बा. बाकिर एह टीम में ओपनर गौतम गंभीर, वीरेन्द्र सहवाग, आ दिग्गज आफ स्पिनर हरभजन सिंह के जगहा नइखे मिलल.
टीम चुनेवाला लोग के बइठक संदीप पाटिल के अगुवई मे भइल जवना में पांच दिसंबर से शुरु होखे वाला दक्खिन अफ्रीका दौरा के टेस्ट आ एकदिना ला टीम में खेले वाला खिलाड़ियन के नाम तय भइल.