बालीवुड निर्मात संघ तय कइले बा कि शायर गीतकार आ पटकथा लेखक जावेद अख्तर से कवनो तरह के संबंध ना राखल जाई. निर्माता लोग के जावेद से शिकायत बा कि ऊ संसद से कानून पास करावे में लागल बाड़न जवना का बाद गीत संगीत के मूल अधिकार निर्माता का लगे से हट के गायक, संगीतकार, आ गीतकार के दे दिहल जाव. निर्माता लोग के कहना बा कि तब ई लो मेहनताना ले के काम करल बन्द करे आ फिल्म निर्माण में हिस्सेदार बन के काम करे. फायदा होखे त फायदा, आ घाटा होखे त घाटा उठावे लोग. अबही सगरी जोखीम निर्माता का कपारे बा. फिल्म डूबल त निर्मातो डूब जाला.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: