आजु के खास खबर
- आपरेशन का बाद से अस्पताल का आईसीयू में भरती सोनिया अब बाहर अपना कमरा में आ गइल बाड़ी.
- सीएजी का रपट समेत मौजूदा राजनीतिक हालात पर चरचा खातिर कांग्रेस कोर समिति शनिचर का दिने एगो बईठक कइलसि. सीएजी का रपट में प्रधानमंत्री कार्यालय आ दिल्ली सरकार का ओर अंगुरी उठावल गइल बा.
- नीतीश सरकार का खिलाफ आजु राजद के सांसद विधायक लालू प्रसाद का नेतृत्व में धरना प्रदर्शन करीहे.
- चेन्नई में आजु भारत के एकदिना क्रिकेट टीम के चुनल जा रहल बा.
बिहार
- बिहार में अपराध रोके में नालायक साबित 56 गो पुलिस अधिकारियम के फील्ड ड्यूटी से हटाके अपराध अनुसंधान आ विशेष शाखा में भेजल जा रहल बा.
- नीतीश सरकार का खिलाफ आजु राजद के सांसद विधायक लालू प्रसाद का नेतृत्व में धरना प्रदर्शन करीहे.
- सासद संजय निरुपम आ विजय लक्ष्मी साधो के बिहार में कांग्रेस के प्रबारी बनावल गइल बा.
- राज्य के सगरी महादलित टोला में पन्द्रह अगस्त के खास समारोह होखी. ओही टोला के कवनो बुजुर्ग महादलित से झंडा फहरवावल जाई. एकरा खातिर हर टोला के पाँच पाँच सौ रुपिया दिहल गइल बा.
- बिहार के विशेष राज्य के दर्जा देबे पर विचार करे खातिर प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह अंतरमंत्रालयीय समूह बनावे खातिर सहमति दिहलन.
- छह गो विश्वविद्यालयन में नया कुलपति नियुक्त करे से पहिले राज्य सरकार से सलाह ना लिहला का विरोध में राज्य सरकार राज्यपाल के लिखित रूप में एतराज जता के एह मसला पर फेर से विचार करे के कहले बिया. दू दिन पहिले राज्यपाल कहले रहले कि नीतीश कुमार से विचार विमर्श भइल रहे.
- मुजफ्फरपुर औराई के बीडीओ पंकज कुमार के इंदिरा आवास खातिर घूस लेत पकड़ लिहल गइल.
- रोहतास जिला के माथा गाँव में माओवादी जेल में बंद एगो दोसरा माओवादी कमांडर सुदामा उरांव का घर में आग लगा दिहले.
- काल्हु बलिया के गोपालपुर गाँव में ठनका गिरला से एगो महतारी बेटी के मौत हो गइल.
- बिहार में इन्दिरा आवास के दलालन आ बिचौलियन के धर पकड़ के तइयारी चल रहल बा. एह मामिला मे चार सौ से बेसी मुकदमा दर्ज करावल गइल बा.
- बरौनी में बन्द पड़ल यूरिया फैक्टरी के पुनर्जीवित करे के मंजूरी केन्द्र सरकार दे दिहले बिया आ एकर जिम्मा हिन्दुस्तान फर्टिलाइजर कार्पोरेशन के दिहल गइल बा.
- सीतामढ़ी जिला के बथनाहा में एगो निजी बस के दुर्घटना में छह गो सवारियन के मौत हो गइल आ अठारह गो घवाहिल हो गइले. सीतामढ़ी से सोनबरसा जात बस कुआरी गाँव का लगे पानी भरल गड़हा में पलट गइल रहे.
- बिहार के औरंगाबाद में ठनका गिरला से पाँच लोग आ शेखपुरा जिला के पंघहर गाँव में एक आदमी के मौत हो गइल.
- मुजफ्फरपुर के मिठनपुरा में दारोगा के पिटाई से एगो आदमी का मौत का बाद खिसियाइल भीड़ दू गो पुलिस वाहन फूंक दिहलसि. प्रशासन मृतक के परिवार के तीन लाख के मुआविजा आ दारोगा पर कार्रवाई करे के एलान कइले बा.
- कैमूर जिला के भगवानपुर थाना के दबनपुर गाँव में साल १९९४ में छह आदमी के हाथ गोड़ बान्ह के हत्या कर देबे वाला मुख्य आरोपी ज्ञानी पासवान के काल्हु अदालत उमिर कैद के सजा सुनवलसि.
यूपी
- ग्रेटर नोएडा प्राधिकरण आ पतवाड़ी गांव के किसानन के बीच के रगड़ा सलटा लिहल गइल बा आ प्रशासन किसानन के बढ़ल दर से मुआवजा देबे के तइयार हो गइल बा.
- यूपी में एटा के अदालत शनिचर का दिने पुलिस के निर्देश दिहलसि कि ऊ मायावती सरकार में पशुपालन अउर डेयरी विकास मंत्री अवध पाल सिंह का खिलाफ हत्या के मुकदमा दर्ज करे.
- उत्तर प्रदेश में टटका दलबदल में बहुजन समाज पार्टी के एगो निलम्बित विधायक शनिचर का दिने समाजवादी पार्टी में शामिल हो गइले.
- आगरा के नगला मोहन इलाके में मूसलाधार बरखा का बाद एगो दूतल्ला इमारत ढह गइल जवना से घर में सूतल एगो औरत आ दू गो बच्चा मर गइले आ आठ जने घवाहिल हो गइले.
- उत्तर प्रदेश के बिजनौर जिले में शनिचर का दिने तीर्थयात्रियन के लेके जात रेलगाड़ी में आग लगला का बाद सतर्क रेल इंजन चालक कवनो बड़हन हादसा होखे से बचा लिहलसि आ केहू घवाहिल ना भइल.
- कानपुर में परिवार के साथे मारपीट करे आरोपी बनावल एगो पुलिसकर्मी फांसी पर लटक के जान दे दिहले बा.
- राज्य विधानमण्डल के दुनु सदन में शुक का दिने विपक्ष का बवाल का चलते प्रश्नकाल ना हो पावल. विपक्ष लखनऊ सीएमओ हत्याकाण्ड, एन आर एच एम घोटाला, आ जबरन भूमि अधिग्रहण जइसनमुद्दन पर चरचा करावल चाहत रहे.
- रामचरितमानस के रचयिता गोस्वामी तुलसीदास का जयन्ती पर आज कई जगहा कार्यक्रम आयोजित कइल गइल बा.
- बरेली का कनवर, हमीरपुर, आजमगढ़ के सगड़ी, एटा, मुरादाबाद आ उन्नाव से सपा के विधायक बसपा में शामिल हो गइल बाड़े. एहमें से तीन जने के सपा पहिलही निलम्बित कर दिहले रहल.
- न्यायमूर्ति सैयद रफत आलम काल्हु शुक का दिने लखनऊ उच्च न्यायायलय के मुख्य न्यायाधीश पद के शपथ ग्रहण कर लिहले. एकरा पहिले ऊ जबलपुर उच्च न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश रहले.
- तीन दिन से पूर्वांचल में रह रह के बरखा हो रहल बा जवना से जनजीवन अस्तव्यस्त हो गइल बा. प्रदेश के सगरी नदी उफनाइल बाड़ी सँ.
- सावन मास में शिव भक्त भगवान शिव के खुश करे खातिर तरह तरह के विधि अपनावेले बाकिर सबले बढ़िया विधि बरेली के कुछ शिव भक्तन के बा जे बाबा भोलेनाथ के शिवलिंग पर दूध ना ढार के अइसन लड़िकन के पियावेले जिनकन बाप महतारी गरीबी का चलते दूध ना पिया सकसु.
देश
- शनिचर कला सबेरे दू गो ट्रक आ पुलिस गश्ती कार समेत पांच गो गाड़ी दिल्ली में अपने में टकरा गइली सँ जवना से दू गो सिपाहियन समेत चार लोग के मौत हो गइल आ बगल में खाड़ सात लोग घवाहिल हो गइले.
- आरपीआई कार्यकर्ता फिल्मकार प्रकाश झा के सामाजिक-राजनीतिक फिल्म ‘आरक्षण’ का विरोध में उनुका घर अउर दफ्तर पर हमला कर दिहले.
- दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित के कहना बा कि हो सकेला कि ‘कुछ चीज में गड़बड़ी भइल होखे’ लेकिन ‘फालतू खरचा’ बेवजह नइखे कइल गइल.
- राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील शनिचर का दिने बेंगलुरु में न्यायपालिका से अपील कइली कि ऊ वक्त के जरूरत आ ज्वलंत मुद्दन पर उत्तरदायी बने
- सीबीआई शनिचर क दिने केरल के लॉटरी डीलर सैंटियागो मार्टिन आ उनुका सहयोगी जॉन केनेडी का खिलाफ केरल में लॉटरी बेचे से जुड़ल चार गो मुकदमा दर्ज कइले.
- कर्नाटक के नयका मुख्यमंत्री डी.वी. सदानंद गौड़ा आ शपथ ग्रहण समारोह के बहिष्कार करे वाला भाजपा नेता लोग शनिचर का दिने मंत्रीमण्डल के अंतिम रूप देबे पर विचार कइल.
- बाबा रामदेव के हजारों समर्थक अतवार का दिने जंतर मंतर पर यज्ञ करीहें जेहसे पाँच जून के रामलीला मैदान में योग गुरु के अनशन का दौरान पुलिस कार्रवाई घायल महिला राजबाला के तबियत में तेजी से सुधार हो सके.
- सीएजी रिपोर्ट में नाम अइला का बाद भाजपा शीला दीक्षित से इस्तीफा मांगत बिया त कांग्रेस शीला के बचाव में उतर गइल बिया. कांग्रेस के कहना बा कि ऊ भाजपा के माँग का आगा ना निहूरी.
- इतिहास में पहली बार अमेरिका के साख रेटिंग घटवला पर ओबामा सरकार के एगो वरिष्ठ अधिकारी कहले बाड़े कि रेटिंग एजेंसी सच्चाई के अनदेखी कइले बिया.
- सर्वोच्च न्यायालय के कहना बा कि नियुक्ति के पहिले से तय शर्त ऊ लक्ष्मण रेखा हवे जवना के नियुक्ति करे वाली समिति के उल्लंघन ना करे के चाहीं.
- ब्रिटानिया इंडस्ट्रीज शनिचर के कहलसि कि मौजूदा कारोबारी साल का पहिला तिमाही में ओकर शुद्ध लाभ 27.3 फीसदी बढ़ल बा आ 41.8 करोड़ रुपिया हो गइल बा.
- शिव सेना नेता आ महाराष्ट्र के पूर्व मंत्री सुरेशदादा जैन अन्ना हजारे के एगो ‘तालिबान गांधी’ के नाम दे दिहले जे अपना बाति के आगा केहू के ना सुने.
- यूनीटेक के प्रबंध निदेशक संजय चंद्रा अदालत में कहले कि 2जी स्पेक्ट्रम घोटाला में केंद्रीय जांच ब्यूरो का लगे उनुका खिलाफ कवनो सबूत नइखे.
- राजस्थान के पाली जिला में एगो 35 साल के औरत के चुड़ैल बता के ओकर मरद आ ससुराल वाले ओकरा के गरम चिमटा से दगले आ अंगारन से जरवले.
- सरकारी कंपनी ईसीआईएल राष्ट्रमंडल खेल में भारी मुनाफा बटोरलसि : सीएजी.
- मुम्बई का किनार पर आ के डूबल जहाज एमटी राक के कप्तान अउर मुख्य इंजीनियर के गिरफ्तारी के थोड़ही देर बाद जमानत पर रिहा कर दिहल गइल.
- लोकपाल विधेयक के सरकारी मसौदे का खिलाफ अगिला 16 अगस्त से जंतर-मंतर पर आमरण अनशन करे के एलान कर चुकल अन्ना हजारे आपन अनशन रामलीला मैदान में कर सकेले. ओने वरुण गाँधी कहले बाड़े कि अगर कवनो जगह नइखे मिलत त अन्ना हजारे उनुका दिल्ली आवास पर अनशन कर सकेले.
- भूस्खलन का बाद बंद हिमाचल प्रदेश के मंडी में चण्डीगढ़-मनाली राष्ट्रीय राजमार्ग संख्या 21 शनिचर का दिने फेर से चालू हो गइल.
- तेलंगाना राष्ट्र समिति (टीआरएस) पी.चिदम्बरम के दिहल ओह बयान के निंदा कइले बिया कि पृथक तेलंगाना राज्य खातिर राजनीतिक दलन के सर्वसम्मति होखल जरूरी बा.
- अधिकतर कश्मीरी अलगाववादी दुसरको दिने अपना घर में नजरबंद रहले आ मीडिया वालन के सैयद अली गिलानी के आवास में नइखे जाये दिहल जात.
- अन्ना हजारे प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह आ मानव संसाधन मंत्री कपिल सिब्बल पर तंज कसत कहले बाड़न कि एह लोग के ‘विदेशी शिक्षा’ देश के समुझे नइखे देत.
- मंदी का अनेसा से सेंसेक्स में पिछला हफ्ता 5 फीसदी के गिरावट भइल.
- पृथक तेलंगाना राज्य खातिर आंदोलन करत संयुक्त कार्रवाई समिति कहले बिया कि अगर आंध्र प्रदेश सरकार हैदराबाद के भर्ती खातिर मुक्त क्षेत्र के दर्जा देबे वाली धारा हटवला बिना पुलिस भर्ती परीक्षा लिहलसि त 13 आ 14 अगस्त के 48 घंटे के बंद राखल जाई.
- यूनियन बैंक ऑफ इंडिया शनिचर का दिने अपना आधार दर में 50 आधार अंक बढ़ा दिहलसि जवना का बाद बैंक से करजा लेबे वालन के बेसी ब्याज देबे के पड़ी.
- वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी शनिचर का दिने चिन्ता जतवले बाड़न कि अमेरिकी सरकार के साख रेटिंग कम हो घइल बा आ कहले कि हालात पर तेज नजर राखल जाई.
- सीएजी का रिपोर्ट में कहल गइल बा कि हजारो लोग मन होखला का बावजूद राष्ट्रमण्डल खेल के टिकट ना पा सकले जबकि छपवावल टिकटन में से 25 फीसदी बिकाइबे ना कइल.
- दवा घोटाला में शामिल रहल के आरोपी झारखण्ड के पूर्व स्वास्थ्य मंत्री भानु प्रताप शाही शनिचत का दिने सीबीआई का विशेष अदालत में आत्मसमर्पण कर दिहले.
- विधानसभा चुनाव का दौरान केरल के पूर्व मुख्यमंत्री वी.एस.अच्युतानंदन के खिलाफ मानहानि के दावा करे वाली कांग्रेस उम्मीदवार लथिका सुभाष शनिचर का दिने आपन याचिका वापस ले लिहली.
- राजस्थान शिक्षा विभाग का सर्वेक्षण में फर्जी नाम बड़हन तादाद में होखला का चलते ओकर विश्वसनीयता नइखे रह गइल.
- गुजरात के सापुतारा से कुछ दूर स्थित शबरी धाम, जहवाँ शबरी आ भगवान राम के मुलाकात भइल रहुवे, अब एगो धार्मिक पर्यटन स्थल बनल जा रहल बा.
- भाजपा प्रवक्ता शाहनवाज हुसैन शनिचर का दिने प्रधानमंत्री के ‘मिस्टर हां’ बतवले काहे कि ऊ कवनो बाति पर ना ना कहसु. इशारा शायद थॉमस, कलमाडी, ए राजा जइसन लोग के जिम्मेदार पद पर बइठवला का ओर रहल.
- आपरेशन का बाद से अस्पताल का आईसीयू में भरती सोनिया अब बाहर अपना कमरा में आ गइल बाड़ी.
- जम्मू कश्मीर का कुपवाड़ा जिला में पिछला आठ दिन में सीमा पार से घुसपैठ के चार गो कोशिश नाकाम कर दिहल गइल बा. एह दौरान चार गो आतंकवादियन के मार दिहल गइल आ तीन गो सैनिकन के जान गँवावे के पड़ल बा.
- सीएजी का रपट समेत मौजूदा राजनीतिक हालात पर चरचा खातिर कांग्रेस कोर समिति शनिचर का दिने एगो बईठक कइलसि. सीएजी का रपट में प्रधानमंत्री कार्यालय आ दिल्ली सरकार का ओर अंगुरी उठावल गइल बा.
- हिमाचल प्रदेश के मंडी में शनिचर का दिने बादल फटला, बेहिसाब बरखा, से भइल भूस्खलन से चण्डीगढ़-मनाली राजमार्ग संख्या-21 पर यातायात रूक गइल बा आ हजारन का संख्या में वाहन फंस गइल बाड़ी सँ.
- दिल्ली नगर निगम काल्हु शुक का दिने नगर निगम के बँटवारा करे के दिल्ली सरकार के प्रस्ताव के खारिज कर दिहलसि. ई फैसला महापौर रजनी अब्बी का अध्यक्षता में भइल विशेष बैठक में लिहल गइल.
- पश्चिम बंगाल के पूर्व मुख्यमंत्री बुद्धदेब भट्टाचार्य के कहना बा कि दार्जिलिंग समझौता राज्य के बंटवारा आ गोरखालैंड के गठन के राह बनवा दी.
- चेन्नई में आजु भारत के एकदिना क्रिकेट टीम के चुनल जा रहल बा.
दुनिया
- सीरिया में सरकार विरोधी प्रदर्शन रोके खातिर देश के मुख्य शहर होम्स का आस-पास अउर डेर ए-जोर में टैक आ बख्तरबंद वाहनन के तैनाती कर दिहल गइल बा.
- लीबिया में मुअम्मार गद्दाफी के सत्ता से बेदखल करे ला सेना से मोर्चा लेत विद्रोही देश के एगो महत्वपूर्ण पश्चिमी शहर कब्जिया लिहले बाड़े आ अब ऊ लोग तटीय शहर अज जाविया का ओरि बढ़े के रणनीति बनावत बा.
- अफगानिस्तान के पूर्वी प्रांत वारदाक में शनिचर का दिने एगो अमेरिकी हेलीकॉप्टर दुर्घटनाग्रस्त हो गइला से 31 गो अमेरिकी आ सात गो अफगान सैनिक मारल गइले.
- शक्तिशाली तूफान ‘मुइफा’ चीन का ओरि बढ़ रहल बा जवना चलते पांच लाख लोग के सुरक्षित जगहा पर चहुँपावल गइल बा आ 200 से अधिका हवाई उड़ान रद्द कर दिहल घइल बा. तूफान 162 किलोमीटर प्रति घंटा का रफ्तार से चीन का ओरी बढ़ल आ रहल बा.
- इराक के हिल्ला शहर में जेल तूड़ के भागत कैदियन के रोके खातिर सुरक्षाकर्मी गोली चलवले जवना से तीन गो कैदी मरा गइले. तीन गो पुलिसकर्मियनो के जान चल गइल.
- पाकिस्तान के एबटाबाद में अलकायदा सरगना ओसामा बिन लादेन के मौजूदगी आ अमेरिकी कमांडो कार्रवाई के जांच खातिर बनावल उच्चस्तरीय आयोग का सोझा एकही गवाह हाजिर ना भइले.
- सीरिया में सरकारी सुरक्षा बल आ प्रदर्शनकारियन का बीच हिंसक झड़प देखत अमेरिका अपना नागरिकन से तुरते सीरिया छोड़ देबे के कहले बा.
- मोबाइल से नकदी लेन-देन भा भुगतान करे खातिर सैम पित्रोदा के बनावल सॉफ्टवेयर से अमेरिका के अरबों डॉलर के मोबाइल कॉमर्स बाजार में क्रांतिकारी बदलाव आवे के उमेद कइल जा रहल बा.
- पाकिस्तान के कराची शहर में एगो निजी क्षेत्र के बैंक से छह गो लुटेरा पांच मिनट का भितरे 46 लाख पाकिस्तानी रुपिया (53000 डालर) लूट के फरार हो गइलन सँ.
- अफगानिस्तान पूर्वी प्रांत वारदाक में उत्तर अटलांटिक संधि संगठन (नाटो) के नेतृत्व वाला अंतर्राष्ट्रीय सुरक्षा सहायता दल (आईएसएफ) के एगो हेलीकॉप्टर शनिचर का दिने दुर्घटनाग्रस्त हो गइल.
- अमेरिकी प्रतिभूति अउर विनिमय आयोग गोल्डमैन सैक्स समूह के पूर्व भारतीय-अमेरिकी निदेशक रजत गुप्ता का खिलाफ प्रशासनिक कार्रवाई रोक देबे के फैसला कइले बा आ रजतो गुप्ता ओकरा खिलाफ आपन याचिका वापस ले लीहें.
- चीन का बुढ़वो सब में फइले लागल बा एड्स. 80 साल के एगो बुढ़ऊ में एचआईवी संक्रमण के पता चलल बा जवन कि डाक्टरन का मुताबिक असुरक्षित यौन सम्बंध बनवला से भइल बा.
- चीन के जियांग्सी प्रांत में एगो सड़क दुर्घटना में 17 लोग के मौत हो गइल आ चार जने घवाहिल हो गइले.
- नेपाल में पिछला दिने गिरफ्तार तिब्बती धर्मगुरु दलाई लामा के दूत थिलेय लामा के आठ घंटा बाद एगो बाण्ड भरवा के रिहा कर दिहल गइल बा.
- पाकिस्तान में औरतन का साथ होखे वाला अपराधन में 18 फीसदी के बढ़ोतरी भइल बा. एह अपराधन में जबरिया बिआह आ यौन हिंसा दुनु शामिल बा.
- स्मार्टफोन का मामिला में एप्पल दुनिया के सबले बड़हन स्मार्टफोन कम्पनी बन गइल बा आ ब्लैकबेरी बनावे वाली कम्पनी रिसर्च एंड मोशन (आरआईएम) सरक के चउथका जगहा पर आ गइल बा.
- अमेरिका सरकार वाशिंगटन में लीबिया के दूतावास आ ओकरा कर्मचारियों के सुरक्षा मुहैया कराई.
- वेनुजुएला के राष्ट्रपति ह्यूगो शावेज अपना कैंसर के इलाज चालू राखे खातिर क्यूबा लवटत बाड़न.
- पाकिस्तान का कराची में एगो इमारत ढहला से ओकरा मलबा में दबके 16 लोग के जान चल गइल बा आ 24 जने के अबहियोकवना पता नइखे चलल.
- नासा के वैज्ञानिक कहले बाड़े कि मंगल ग्रह पर बहत पानी सुबूत मिलल बा.
- अमेरिका, फ्रांस आ जर्मनी प्रदर्शनकारियन का खिलाफ हिंसक कार्रवाई कर खातिर सीरिया के राष्ट्रपति बशर अल असद के निंदा कइले बा.
- अमेरिकी राष्ट्रपति बराक ओबामा कहले बाड़न कि उनुकर सर्वोच्च प्राथमिकता देश में रोजगार के अवसर पैदा करे के आ आर्थिक विकास के बढ़ावा दिहल बा.
- अंतर्राष्ट्रीय अंतरिक्ष एजेंसी नासा बृहस्पति ग्रह तक के 2.7 अरब किलोमीटर के यात्रा शुरू कर दिहले बा. एह यात्रा से सौरमंडल के एह सबले बड़का ग्रह के रहस्य खोले के कोशिश कइल जाई.
- साख रेटिंग एजेंसी स्टैंडर्ड एंड पुअर्स (एसएंडपी) इतिहास में पहिला बेर दुनिया के सबले बड़की अर्थव्यवस्था अमेरिका के रेटिंग ‘एएए’ से घटा के एए कर दिहले बा. एहसे दुनिया भर में अमेरिका के साख में बट्टा लागल बा.
- बाढ़ से त्रस्त उत्तर कोरिया के लोग के मदद खातिर अमेरिका अंतर्राष्ट्रीय मानक के मुताबिक आपातकालीन मानवीय सहायता उपलब्ध करावे का पक्ष मे बा.
- अमेरिकी रक्षा मंत्री लियोन पेनेटा के कहना बा कि ओसामा बिन लादेन के मरइला के ई मतलब नइखे कि अलकायदा नेटवर्क खतम हो गइल बा. अबहीओ अमेरिका एह आतंकवादी संगठन पर दबाव बनवले राखी.
- चीन में शक्तिशाली तूफान ‘मुइफा’ के अनेसा देखत तटीय इलाकन से करीब 206,000 से बेसी लोग के सुरक्षित जगहा पर चहुँपावल गइल बा. तूफान आजुकाल्ह में आवे वाला बा.
मनोरंजन
- निर्माणाधीन फिल्म ‘हाउसफुल 2’ के निर्माता साजिद नाडियाडवाला आ निर्देशक साजिद खान का बीच एह बाति पर बतकही हो रहल बा कि आइटस सांग में कवनो नया अभिनेत्री के लिहल जाव कि कवनो पुरनका के. फैसला अबही ले नइखे भइल.
- कार्टून फिल्म ‘विनी द पूह’ 12 अगस्त के भारत में बड़ला पर्दा पर पहिला बेर रिलीज होखे जा रहल बा. निर्माता कम्पनी वॉल्ट डिजनी के कहना बा कि ई फिलिम लड़िका बूढ़ सभका पसन्द आई.
- अभिनेता संजय दत्त शुक ला रात मुंबई में एगो ज्यूलरी शो में अपना पत्नी मान्यता का साथे रैम्प पर चलले आ मान्यता खातिर कुछ पंक्तियो गुनगुनइले.
- हालीवुड अभिनेता कॉर्बिन ब्लू पर अपना फिल्म ‘फ्री स्टाइल’ के प्रचार करे में असफल होखला का बाद उनुका पर मुकदमा कर दिहल गइल बा.
- दिवंगत गायिका एमी वाइनहाउस के लंदन वाला घर उनुकर नयका सहायतार्थ पुनर्वास केंद्र के मुख्यालय बना दिहल जाई जवना से नवहियन के ढेरे मदद मिली.
- रिएलिटी टीवी अभिनेत्री किम कार्डेशियन 20 अगस्त के रॉक गायक क्रिस हम्फ्रीज से बिआह करे वाली बाड़ी आ ओहसे पहिले अपना भावना के प्रकट करे वाला एगो इत्र पेश कइले बाड़ी.
- अमेरिकी फैशन डिजाइनर माइकल कोरस अपना दोस्त लांस लेपरी का साथे अपना समलैंगिक शादी के खबर के पुष्टि कर दिहले. शादी न्यूयार्क में होखी.
- अमिताभ बच्चन अपना आ आवेवाली फिल्म ‘आरक्षण’ के कलाकारन का ओर से कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी के जल्दी ठीक होखे के कामना कइले बाड़न.
खेल
- एसडीएटी-रामको शतरंज चैम्पियनशिप में भारतीयन के जलवा. स्वयम्स मिश्रा, वी.ए.वी. राजेश, गिरीश कौशिक अउर जी.ए. स्टैनी शानदार प्रदर्शन कइले.
- अपना आखिरी ग्रुप मैच में मालदीव के 5-0 से हराके सैफ अंडर-16 फुटबाल चैम्पियनशिप के सेमीफाइनल में जगह बनावे वाली भारतीय टीम के कोच थॉमस जोसफ के कहना बा कि मेजबान नेपाल के हरावे खातिर टीम के आपन सबले बढ़िया खेल देखावे के होई.
- अभ्यास मैच में विकेट खातिर तरस के रह गइले भारतीय गेंदबाज आ मेजबान टीम बिना कवनो विकेट गंववले 168 रन बना लिहले बिया. भारत के पहिला 352 रन पर सिमट गइल बा.
- डायमंड लीग के 400 मीटर रेस जीत के ग्रेनेडा के युवा धावक किरानी जेम्स संकेत दे दिहले कि ऊ अगिला महीना होखे जा रहल विश्व चैम्पियनशिपो में कमाल कर देखइहे.
- वेस्टइंडीज क्रिकेट टीम के पूर्व गेंदबाज जोएल गार्नर लगातार तीसरा बेर बारबाडोस क्रिकेट संघ (बीसीए) के अध्यक्ष चुनल गइल बाड़े.
- भारतीय क्रिकेट टीम के पूर्व कप्तान आ चयन समिति के अध्यक्ष के. श्रीकांत सकार लिहले कि इंग्लिश टीम चार मैच का टेस्ट श्रृंखला के शुरुवाल दू गो मैच में बेहतर खेललसि.
- आस्ट्रेलियाई क्रिकेट टीम के पूर्व कप्तान रिकी पोंटिंग कहले बाड़न कि एह साल भारतीय टीम के आस्ट्रेलिया दौरा में उनुका टीम के सबसे कड़ेर इम्तिहान होखे वाला बा.
- इंग्लिश क्रिकेट टीम के सलामी बल्लेबाज एलिस्टर कुक के पूरा भरोसा बा कि ऊ भारत के साथ चल रहल टेस्ट श्रृंखला का दौरान आपन भुलाइल फार्म वापस पा लीहे.
- एसेक्स के बल्लेबाज रवि बोपारा के एजबेस्टन में होखेवाला तिसरका टेस्ट मैच ला इंग्लिश टीम में शामिल कइल गइल बा. ऊ चुटहिल बल्लेबाज जोनाथन ट्रॉट का जगहा पर आइल बाड़े.
- भरोसेमंद बल्लेबाज राहुल द्रविड़ दू साल बाद भारत के एकदिना टीम में वापिस आइल बाड़न. बाकिर चोट अउर खराब फार्म से जूझत हरभजन सिंह आ युवराज सिंह नइखन चुनाइल.
- दक्षिण अफ्रीका खातिर पांच गो टेस्ट मैच खेल चुकल नार्मन गार्डन सौ साल ले जिये वाला दुनिया के पहिलका क्रिकेट खिलाड़ी बन गइल बाड़े. गार्डन के जनम छह अगस्त, 1911 के ट्रांसवाल में भइल रहे.
- रोमानिया के राष्ट्रीय टीम के गोलकीपर कोस्टेल पेंटीलिमोन इंग्लिश प्रीमियर लीग क्लब मे मैनचेस्टर सिटी से जुड़ गइल बाड़े.
- चेन्नई में आजु भारत के एकदिना क्रिकेट टीम के चुनल जा रहल बा.