आजु के खास खबर

  • 2जी स्पेक्ट्रम आवंटन घोटाले के जांच खातिर संसद के लोक लेखा समिति के ताजा रपट पर राजनीतिक माहौल फेरु गरमा गइल बा. कांग्रेस एह रिपोर्ट के ‘पक्षपाती’ बतावत एकरा के खारिज करे के संकेत दिहले बिया.
  • कांग्रेस कोर समिति का बईठका में काल्हु तय कईल गइल कि गड़बड़ी का आरोप में घेराइल दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित के पूरा बचाव कइल जाई आ उनुका इस्तीफा दिहले के जरूरत नइखे.
  • बीस बरीस बाद लालू चहुँपले पटना के जेपी गोलम्बर. अपना पार्टी के विधायकन, नेता आ कार्यकर्ता लोग का साथे शनिचर का दिने ऊ बिहार सरकार का खिलाफ धरना दिहले. कहले कि एह सरकार के उखाड़ फेकीहे.
  • वरुण गाँधी के नेवता नकार दिहले अन्ना हजारे. भाजपा सांसद वरुण गाँधी कहले रहले कि अन्ना चाहसु त उनुका आवास आ दफ्तर के आपन अनशन स्थल बना सकेले. अन्ना कहलन कि कवनो अइसन जगहा अनशन ना करीहे जवना पर केहू के नाम के ठप्पा लागल होखे.
  • काउंटी क्लब नार्थेम्पटनशायर का साथे दू दिन के अभ्यास मैच काल्हु बराबरी पर खतमहो गइल. पहिला पारी में भारत के बनावल 352 रन आल आउट के पीछा करत उतरी नार्थेम्पटनशायर सात विकेट का नुकसान पर 355 रन बना लिहले. एक तरह से देखल जाव त जीत नार्थेम्पटनशायर के भइल.

बिहार

  • बीस बरीस बाद लालू चहुँपले पटना के जेपी गोलम्बर. अपना पार्टी के विधायकन, नेता आ कार्यकर्ता लोग का साथे शनिचर का दिने ऊ बिहार सरकार का खिलाफ धरना दिहले. कहले कि एह सरकार के उखाड़ फेकीहे.
  • नेपाल में भारी बरखा का चलते कोसी नदी के पानी बढ़ला का बाद कोसी बराज के छब्बीस गो गेट खोल दिहल गइल बा.
  • पश्चिम चंपारण का बेतिया आ बगहा में गंडक के तेज कटाव से हालात नाजुक बन गइल बा.
  • बिहार में लाखो परिवारन के इन्दिरा आवास बनावे खातिर विशेष शिविर लगा के पासबुक दिहल जाई जवना में तीस तीस हजार रुपिया जमा रही. जे लोग रुपिया लिहला का बाद आवास ना बनाई उनुका पर केस दर्ज करावल जाई.
  • मुजफ्फरपुर रेल पुलिस पटना से किडनैप दू गो लड़िकन के बरामद कइले बिया आ किडनैपर के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • छपरा जिला के गंगाजली गाँव में संत गुरु कबीर साहब आ संतलोक वासी चन्द्रदीप राय के मूर्ति के अनावरण शनिचर का दिने कइल गइल.
  • कैमूर जिला के मरहिया मोड़ का लगे एगो बस आ ट्रेलर का टक्कर से एक आदमी के मौत हो गइल आ छह जने घवाहिल हो गइले.

यूपी

  • उत्तर प्रदेश में एगो आभूषण व्यापारी समेत तीन लोग के हत्या का आरोप में फंसल यूपी के पशुपालन अउर डेयरी विकास मंत्री अवधपाल सिंह यादव अपना के बेकसूर बतावत इस्तीफा देबे से इन्कार कइले बाड़न.
  • अदालत के आदेश का बादो पुलिस उत्तर प्रदेश के पशुपालन अउर डेयरी विकास मंत्री अवधपाल सिंह पर हत्या आ साजिश रचे के मुकदमा दर्ज नइखे कइले.
  • पर्यटकन के स्वागत का तइयारी में लागल बा आगरा जहवाँ स्मारकन के चमकावल जा रहल बा, लक्जरी बस लांच कइल जा रहल बा, सिपाहियन के अंग्रेजी बोले के सिखावल जा रहल बा वगैरह वगैरह.
  • उत्तर प्रदेश में खतरे का निशान से ऊपर बहत घाघरा, शारदा आ सरयू नदी का तबाही के शिकार लोग के अब छूतहा रोगों से जूझे के पड़े लागल बा.
  • उत्तर प्रदेश का राजधानी लखनऊ में पुलिस नकली नोटन के एगो तस्कर के 10,000 रुपिया के नकली नोट का साथे गिरफ्तार कर लिहलसि. ऊ आदमी नेपाल से नकली नोट ले आ के एहिजा चलावत रहुवे.
  • बियफे का दुपहरिया मऊ में गिरल जगुआर के ब्लैक बाक्स मधुबन थाना इलाका में ढिलईफिरोजपुर गाँव में एगो पोखरा में शनिचर का दिने मिल गइल जवना के ले के वायुसेना के अधिकारी गोरखपुर चल गइले.
  • बलिया के रसड़ा में चार सौ केवीए के ट्रांसफार्मर जर गइला से आधा दर्जन मुहल्ला के बिजली गायब.
  • बलिया शहर में मालगोदाम रोड पर एगो हाथी दंवाबा संस्कृत महाविद्यालय के प्रबंधक नरेन्द्र राय के स्कार्पियो पलट दिहलस. सौभाग्य अतने रहल कि ओहमें सवार लोग घवाहिल ना भइल. हाथी मालिक का खिलाफ केस दर्ज करावल गइल बा.
  • चंदौली में शनिचर का दिने सेंट जोसफ स्कूल के बस पलटी मार दिहलसि जवना से करीब एक दर्जन विद्यार्थी घवाहिल हो गइले. दू गो ढेर घवाहिल छात्रन के बनारस भेजल गइल.म
  • मऊ में आठ गो नया न्यायायलय कक्ष बनावे खातिर काल्हु इलाहाबाद उच्च न्यायालय के न्यायाधीश अनिल कुमार श्रीवास्तव काल्हु दीवानी कचहरी परिसर में शिलान्यास कइले.
  • मिर्जापुर में सड़क मरम्मत करे आ नया बनावे खातिर पचास करोड़ रुपिया के मंजूरी दे दिहल गइल. बीस करोड़ रुपिया मरम्मत पर आ बाकी रुपिया नया सड़क बनावे पर खरचा होखी.
  • यूपी में बाढ़ राहत खातिर बाढ़ से तबाह नौ गो जिला खातिर सात करोड़ सात लाख रुपिया के आवंटन कर दिहल गइल बा. कई जगहा नदी खतरा का निशान का उपर बहत बिया.

देश

  • भाजपा अध्यक्ष नितिन गडकरी अतवार के कहले कि कांग्रेस अब नकारा बनल जात बिया आ भाजपा एहबाति के फायदा उठावत सत्ता में वापसी के कोशिश करी.
  • पश्चिम बंगाल के हुगली जिला के उत्तरपारा में 350 एकड़ जमीन पर पूर्वी भारत के सबसे बड़ फिल्म सिटी बने जा रहल बा जवना के शिलान्यास 13 अगस्त के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी करीहे.
  • मुम्बई किनारे बियफे के डूबल मालवाहक जहाज एमवी रैक कैरियर से तेल के रिसाव होखे लागल बा. अकर जानकारी अधिकारी लोग दिहले बा.
  • मुम्बई के यासिन मर्चेट आ पीएसपीबी के मौजूदा राष्ट्रीय चैम्पियन पंकज आडवाणी 78वीं सीनियर राष्ट्रीय स्नूकर चैम्पियनशिप के प्री-क्वार्टर फाइनल में पहुंच गइल बाड़े.
  • मध्य प्रदेश में लगातार हो रहल बरखा का चलते नर्मदा नदी के जलस्तर तेजी से बढ़त बा जवना चलते जबलपुर में बरगी बांध के 19 गो फाटक खोल देबे के पड़ल बा.
  • फिक्की अतवार का दिने कहलसि कि अमेरिका समेत दुनिया के प्रमुख अर्थव्यवस्था में आवत गिरावट का चलते भारत के निर्यात पर खराब असर पड़े के अनेसा बा.
  • 2जी स्पेक्ट्रम आवंटन घोटाले के जांच खातिर संसद के लोक लेखा समिति के ताजा रपट पर राजनीतिक माहौल फेरु गरमा गइल बा. कांग्रेस एह रिपोर्ट के ‘पक्षपाती’ बतावत एकरा के खारिज करे के संकेत दिहले बिया.
  • दिल्ली मेट्रो के कीर्तिनगर आ अशोक पार्क का बीच के लिंक मार्ग तीन गो अलग अलग मेट्रो मार्गन के जोड़े के काम करी जवना से यात्रियन के समय आ किराया दुनु बाची।
  • कुछ लोग जिनका पर कांग्रेस कार्यकर्ता होखे के संदेह बतावल जात बा अतवार का दिने जनता पार्टी प्रमुख सुब्रह्मण्यम स्वामी के दक्षिणी दिल्ली स्थित आवासीय परिसर में घुसके तोड़फोड़ कइले.
  • ग्रेटर नोएडा प्रशासन अउर पतवाड़ी गांव के किसानन का बीच समझौता होखला के अगिले दिने करीब 20 गांव के किसान एह समझौता के एगो ‘साजिश’ बतवले बाड़े आ मुआवजा दुगुना करे के कहले बाड़े।
  • सर्वोच्च न्यायालय सलाह दिहले बा कि उच्च न्यायालयन के आपन ‘व्यापक अधिकार’ के इस्तेमाल कर के कवनो मामिला के जाँच सीबीआई से करावे के आदेश देत घरी चौकस रहे के चाहीं.
  • फिल्म निर्माता अशोक पंडित कश्मीर समस्या खातिर कांग्रेस आ राजीव गांधी के जिम्मेदार ठहरवले बाड़े जवना से खिसियाइल कांग्रेसी कई जगहा प्रदर्शन कइले आ थाना के घेराव कइले. पुलिस तीन गो विधायकन समेत 150 लोग के गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • त्रिपुरा सरकार केंद्र सरकार अउर भारतीय चिकित्सा परिषद से निहोरा कइले बिया कि पूर्वोत्तर के जनजातीय छात्रन के लिए मेडिकल कालेज में दाखिला खातिर योग्यता में छूट दिहल जाव.
  • दुनिया के सबसे बड़की ‘सर्विस्ड रेजीडेंस’ संचालन कम्पनी एस्कॉट भारत के बाजार में पैर जमावल चाहत बिया आ ओकर नजर मुम्बई, दिल्ली आ पुणे पर बा जहवाँ ऊ सात गो परियोजना में 25 करोड़ डॉलर लगावे का रहल बिया.
  • प्रमुख औद्योगिक घराना, रुइया समूह सहायक ऑटो उद्योग खासतौर से सीलिंग कारोबार पर बड़हन दांव लगा रहल बा.
  • पूर्वी दिल्ली में अतवार का सबेरे एगो मकान में आग लगला से 21 साल के एगो औरत के मौत हो गइल.
  • सुरक्षा बल में अधिका से अधिक महिला अधिकारियन के शामिल करावे खातिर सरकार अब लड़कियों ला विशेष सैनिक (सैन्य) स्कूल खोले जा रहल बिया. पहिला संस्थान मध्य प्रदेश में खोलल जाई.
  • आंध्र प्रदेश में अलग तेलंगाना राज्य बनावे के मांग खातिर सरकारी कर्मचारी सोमार से प्रदर्शन करीहे आ 17 अगस्त से अनिश्चितकालीन हड़ताल शुरू करीहे.
  • योजना आयोग के उपाध्यक्ष, मोंटेक सिंह अहलूवालिया 2जी स्पेक्ट्रम मामिला में प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के बचाव करत कहले बाड़न कि मंत्रिमंडल के एतना बारीक प्रबंधन ना कइल जा सके.
  • मध्य प्रदेश में विशिष्ट पहचान-पत्र ‘आधार’ खातिर अबले साढ़े अठारह लाख से बेसी लोग पंजीयन करा चुकल बा जवना में करीब साढ़े चार लाख लोग के आधार पहचान पत्र भेजियो दिआइल बा.
  • जम्मू कश्मीर का पूंछ जिला में अतवार का फजीरे सेना आ पुलिस के संयुक्त कार्रवाई का दौरान दू गो आतंकवादी मारल गइले.
  • अब जिग्सी नाम के एगो नया तकनीक से साधारणो मोबाइल फोन पर वीडियो देखल संबव हो जाई.
  • देवघर के बाबा बैद्यनाथ धाम में जल चढ़ावे जाये वाला कांवड़िया बासुकीनाथ मंदिरो जलाभिषेक कइल ना भुलासु काहे कि कहल जाला कि बासुकीनाथ मंदिर में जलाभिषेक कइला बिना बाबा बैद्यनाथ धाम के पूजा अधूरा रहि जाले.
  • जम्मू कश्मीर का सोपोर में 26 साल के एगो युवक के हिरासत में भइल मौत का मामिला में विशेष जांच दल के दू गो कांस्टेबुलन के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • जामिया मिलिया इस्लामिया के फर्जी प्रमाणपत्र अउर मार्कशीट बेचत पांच जने के दक्षिणी दिल्ली से गिरफ्तार कर लिहल गइल. ऊ सब एह दस्तावेजन खातिर 50,000 रुपिया वसूलत रहले.
  • कांग्रेस कोर समिति का बईठका में काल्हु तय कईल गइल कि गड़बड़ी का आरोप में घेराइल दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित के पूरा बचाव कइल जाई आ उनुका इस्तीफा दिहले के जरूरत नइखे.
  • रिजर्व बैंक का निर्देश का बाद अब बैंक में बचत खाता खोले खातिर कवनो जमानतदार के जरूरत ना पड़ी. बस आपन पहचान पत्र, आवास प्रमाण आ फोटो लगावे के पड़ी.
  • आजु फ्रेंडशिप डे हवे. संजोग से अतवार पड़ला का चलते कुछ लोग के मौज मस्ती करे में आसानी होई त कुछ लोग आज स्कूल कालेज बन्द रहला का चलते अपना मितवा के देखियो ना पाई. खैर मोबाइल बा नू !
  • वरुण गाँधी के नेवता नकार दिहले अन्ना हजारे. भाजपा सांसद वरुण गाँधी कहले रहले कि अन्ना चाहसु त उनुका आवास आ दफ्तर के आपन अनशन स्थल बना सकेले. अन्ना कहलन कि कवनो अइसन जगहा अनशन ना करीहे जवना पर केहू के नाम के ठप्पा लागल होखे.

दुनिया

  • अमेरिकी वैज्ञानिकों एगो अइसन एंटिबायोटिक खोज निकलले बाड़े जवना से भोजन के खराब होखे से बचावल जा सकेला.
  • 80 डॉलर पावे का लालच में एगो अफगानी ब्रिटिश सेना के एगो जवान के बम से उड़ा दिहलसि. ओकरा के एह काम खातिर 80 डॉलर देबे के वादा कइल रहे.
  • अफगानिस्तान में तालिबान का कब्जा में साढ़े सात महीना रहला का बाद मुक्त पांच गो बांग्लादेशी कर्मचारी अतवार का दिने अपना देश लवटि गइले आ कहले कि ई उनुकर दोसर जनम से कम नइखे.
  • सोमार का दिने तिब्बत के निर्वासित सरकार के नव निर्वाचित प्रधानमंत्री लोबसांग सांगेय पद के शपथ लीहें. अमेरिका सरकार समेत दुनियाभर के तिब्बतियन का ओर से उनुका के बधाई भेजल जा रहल बा.
  • सीरिया में सेना के ताजे हमला में 38 लोग के मार डालल गइल.पूरा दुनिया प्रदर्शनकारियन का खिलाफ हिंसक कार्रवाई के निंदा कइले बा.
  • ब्रिटेन के राजकुमार हैरी अंतरिक्ष में जाइल चाहत बाड़न आ एकरा खातिर ऊ नासा में प्रशिक्षण लीहे.
  • भारत में रहेवाला हार्वर्ड शिक्षित लोग अमेरिका के प्रमुख आईवी लीग युनिवर्सिटी में भारत के पेशेवर, अकादमिक अउर सांस्कृतिक महत्व दिआवे खातिर ओहिजा पढ़त भारतीय विद्यार्थी समुदाय से हाथ मिलवले बा. आईवीलीग विश्वविद्यालय एह साल आपन 375वां वर्षगांठ मनावे जा रहल बा.
  • चीन का शंघाई में समुद्र पर बनल दुनिया के दुसरका बड़ पुल के समुद्री तूफान ‘मुइफा’ का चलते बंद कर दिहल गइल बा.
  • तिब्बत की निर्वासित सरकार के नवनिर्वाचित प्रधानमंत्री लोबसांग सांगेय के अमेरिका का तरफ से शपथ-ग्रहण समारोह का पूर्व संध्या पर बधाई मिलल बा.
  • पाकिस्तान के पश्चिमोत्तर हिस्सा में शनिचर का दिने आत्मघाती जैकेट फटला से एगो आतंकवादी के मौत हो गइल.
  • उत्तरी लंदन में प्रदर्शनकारियन पर पुलिस के घातक गोलीबारी का बाद शनिचर के रात दंगा भड़क गइल बा.
  • वेनेजुएला के राष्ट्रपति ह्यूगो शावेज लीबियाई शासक मुअम्मार गद्दाफी के चिट्ठी लिखके समर्थन कइले बाड़न आ उनुका जीत के कामना कइले बाड़न.
  • बढ़त महँगाई का खिलाफ इजरायल में लाखों लोग सड़कों पर विरोध प्रदर्शन कइल. सबले बड़का प्रदर्शन तेल अवीव में भइल जहवां दू लाख से बेसी लोग सड़क पर उतरल.
  • लीबिया में विद्रोही परिषद के अध्यक्ष कहले बाड़न कि परिषद के सैन्य प्रमुख के हत्या मुअम्मार गद्दाफी के साजिश से भइल.
  • ब्राजील के एगो शहर के मेयर के हत्या एगो पार्टी के दौरान एगो अज्ञात हमलावर गोली मारके कर दिहलसि.
  • पाकिस्तान के पेशावर शहर का लगे शनिचर के साँझ कुछ आतंकवादी नाटो संगठन के कम से कम 16 गो तेल टैंकर आग के हवाले कर दिहलन. केहू के मरे भा घवाहिल होखे के खबर नइखे.

मनोरंजन

  • आयकर विभाग के छापा से सुर्खियन में आइल मलयालम सुपरस्टार मोहन लाल के 300वां फिल्म अगिला महीना रिलीज होखे जा रहल बा.
  • मशहूर अभिनेत्री शबाना आजमी प्रकाश झा के आवे वाली फिल्म ‘आरक्षण’ का विरोध में आंदोलम के ‘शर्मनाक’ करार देत एकर निंदा कइले बाड़ी.
  • अंतर्राष्ट्रीय ख्याति प्राप्त भारतीय अभिनेता कबीर बेदी अब फिल्म निर्माता बने जात बाड़न आ फिल्म ‘फाइनल प्रॉमिस’ बनावे जात बाड़न जवन पूरा तरह से भारतीय कहानी आ पुनर्जन्म पर आधारित बा.
  • हॉलीवुड अभिनेत्री कैथरीना जीटा जोंस अपना मरद माइकल डगलस के गले का कैंसर से जूझत देखला का बाद सिगरेट पियल छोड़ दिहले बाड़ी.
  • गायिका डॉली पार्टन मंच से विदा लेबे के कवनो इरादा नइखी रखले आ मंच पर प्रस्तुति देते मुए के चाहत बाड़ी.
  • हॉलीवुड अभिनेत्री एनी हैथवे के कहना बा कि सेट पर ऊ हमेशा से पेशेवर रहल बाड़ी. लेकिन शुरु का दिनन में ऊ तनी जिद्दी रहली.
  • हॉलीवुड अभिनेता रेयान रेनाल्ड्स मशहूर अभिनेत्री चार्लीज थेरॉन का साथे दूइये महीना बिता के अलग होखे के फैसला कर लिहलन.

खेल

  • भारत के अंडर-16 फुटबाल टीम सोमार का दिने नेपाल के दशरथ स्टेडियम में सैफ चैम्पियनशिप का सेमीफाइनल में मेजबान नेपाल से भिड़ी.
  • भारतीय क्रिकेट टीम के मध्यम गति के गेंदबाज प्रवीण कुमार नार्थम्पटनशायर काउंटी टीम का साथे भइल अभ्यास मैच का बाद ओहिजा खेल देखे आइल लोगन से अझूरा गइले.
  • दक्षिण अफ्रीकी टेस्ट टीम के कप्तान ग्रीम स्मिथ अपना आयरिश प्रेमिका मोर्गन डीन का साथे शनिचर का दिने क्लेयरमोंट गिरजाघर में कैथोलिक विधि-विधान से शादी कर लिहले.
  • जहीर इंग्लैड दौरे से बाहर भइले, रुद्र प्रताप सिंह के वापसी भइल.
  • दू साल बाद भारत का एकदिना टीम में राहुल द्रविड़ के वापसी से पता लाग गइल कि भारत के नयका बल्लेबाज अपना के इंगलैण्ड का हालात लायक ना बना पवले. ई बाति पाकिस्तानी क्रिकेट टीम के पूर्व कप्तान वसीम अकरम कहले बाड़न.
  • इटली के घरेलू फुटबाल लीग चैम्पियन एसी मिलान टीम शनिचर का दिने बीजिंग में भइल सुपर कप मुकाबिला में अपना पुरान प्रतिद्वंद्वी इंटर मिलान के 2-1 से हरा दिहलसि.
  • भारत की सर्वोच्च वरीयता प्राप्त महिला बैडमिंटन खिलाड़ी सायना नेहवाल सोमार से वेम्बले एरेना स्टेडियम में शुरू होखे जा रहल विश्व बैडमिंटन चैम्पियनशिप में भारतीय चुनौती के अगुआई करीहे.
  • पाकिस्तान के पूर्व कप्तान शोएब मलिक के पाकिस्तान का राष्ट्रीय क्रिकेट टीम में वापसी तय हो गइल बा. उनुका के पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड के इंट्रीगिटी कमिटी आरोपन से बरी कर सकेले जवना चलते उ टीम से बाहर बाड़े.
  • आस्ट्रेलिया क्रिकेट टीमके कप्तान कैमरन व्हाइट मैच हरला का बादो श्रीलंका टीम के बड़ाई कइले बाड़न जवन ओहिजा होला ना.
  • इंग्लैंड दौरा पर गइल भारतीय टीम के मुश्किल कम होखे के नामे नइके लेत. अब फिटनेस का कमी का चलते जहीरो खान 10 अगस्त से होखे जा रहल एजबेस्टन टेस्ट मैच से बाहर हो गइल बाड़न.
  • पहिलका बीसबिसा में श्रीलंका आस्ट्रेलिया के 35 रन से हरा दिहलसि. श्रीलंका के कप्तान तिलकरत्ने दिलशान 104 रन के विस्फोटक पारी खेलले.
  • भारतीय क्रिकेट टीम के ‘भरोसामंद’ खिलाड़ी राहुल द्रविड़ एकदिना आ बीसबिसा क्रिकेट के अलविदा कहे के तय कर लिहले बाड़न आ खाली टेस्टे मैच पर आपन ध्यान लगइहे,
  • काउंटी क्लब नार्थेम्पटनशायर का साथे दू दिन के अभ्यास मैच काल्हु बराबरी पर खतमहो गइल. पहिला पारी में भारत के बनावल 352 रन आल आउट के पीछा करत उतरी नार्थेम्पटनशायर सात विकेट का नुकसान पर 355 रन बना लिहले. एक तरह से देखल जाव त जीत नार्थेम्पटनशायर के भइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d