आजु के खास खबर

  • भारी बरखा का चलते बिहार का कई जिला में बाढ़ के हालात अउरी खराब बनल. मुख्यमंत्री बाढ़ प्रभावित वीरपुर का दौरा पर. मधेपुरा में बाढ़ के कहर जारी, सोनामुखी का लगे कोसी के धार भरही धार होत रतवाड़ा सुखाड़ पथ के काटत बहत बिया. सुरसर नदी में बाढ़ से कुमार खंड प्रखंड के कई गाँव में बाढ़ के पानी घुसल.
  • गोण्डा जिला के करनैलगंज आ तरबगंज तहसील में बाढ़ के हालात जस के तस. चरसड़ी एल्गिन बंधा के काटे के कुछ गाँव वालन के कोशिश देखत बंधा पर पुलिस के पहरा लगा दिहल गइल बा. बाराबंकी आ बस्ती में हालात जस के तस. वाराणसी, मिर्जापुर, आजमगढ़ मण्डल में भारी बरखा.
  • दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित कहले बाड़ी कि विपक्ष संसद चले दी तबहिये राष्ट्रमंडल खेल आयोजन में अनियमितता वाली सीएजी रिपोर्ट पर सरकार जवाब दे पाई.
  • ब्रिटेन में पिछला तीन दिन से जारी आगजनी आ लूटपाट के घटना मंगल का दिने लंदन के अलावे दोसरो बड़का शहरन में पसर गइल. अबले कम से कम 450 लोग के गिरफ्तार कइल गइल बा.
  • काल्हु बुध का दिने तिसरका टेस्ट एजबेस्टन के काउंटी क्रिकेट मैदान पर खेलल जाई. भारतीय टीम 0-2 से पीछे बिया आ ओकरा हर हाल में ई टेस्ट मैच जीते के होखी आ अगिलका के कम से कम ड्रा करावे के होखी तबहिये ओकर टेस्ट सरताज के ओहदा बाचल रही.

बिहार

  • मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के कहना बा कि पर्यावरण के रक्षा खातिर किरिया खाये के पड़ी ना त धरती आ ओह पर के सगरी जीव हमेशा खातिर खतम हो जाई.
  • अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद (अभाविप) के कार्यकर्ता भ्रष्टाचार आ महंगाई का खिलाफ आजु मंगल का दिने बिहार में प्रदर्शन कइले आ कई जगहा रेल आ सड़क मार्ग जाम कर दिहले.
  • सिवान जिला के मुफस्सिल थाना क्षेत्र के एगो उच्च विद्यालय के शिक्षक आ साहित्यकार नागेंद्र कुमार श्रीवास्तव के कुछ लोग हत्या कर दिहलसि. हत्यारन का बारे में कवनो जानकारी नइखे मिलल.
  • बिहार के मुजफ्फरपुर जिला के पटियासा गांव के एगो गरीब परिवार के लड़की मधुमक्खी पोसे के व्यवसाय कर के अतना सफल भइल कि ओकरा कामयाबी के कहानी लड़िकन के स्कूल में पढ़ावल जात बा.
  • भारी बरखा का चलते बिहार का कई जिला में बाढ़ के हालात अउरी खराब बनल. मुख्यमंत्री बाढ़ प्रभावित वीरपुर का दौरा पर. मधेपुरा में बाढ़ के कहर जारी, सोनामुखी का लगे कोसी के धार भरही धार होत रतवाड़ा सुखाड़ पथ के काटत बहत बिया. सुरसर नदी में बाढ़ से कुमार खंड प्रखंड के कई गाँव में बाढ़ के पानी घुसल.
  • कुलपति नियु्क्ति मामिला में नीतीश कुमार के कहना बा कि ऊ मर्यादा के सीमा ना लँघीहे. कहलन कि हर संवैधानिक पद पर बइठल लोग के संवैधानिक प्रावधान का हिसाब से काम करे के चाहीं.
  • मुजफ्फरपुर जिला के कुढ़नी थाना के कुबियानगर में नहाये गइल तीन गो लड़िका डूब के मर गइले. लाश खोजात बा.
  • पूर्वी चंपारण के राजेपुर थाना के बहुअरवा गोपी सिंह गाँव के हार्डकोर नक्सली विनय राम के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • पटना के मुख्य न्यायाधीश आ विपक्ष के नेता से राय मशविरा कर के नीतीश कुमार पटना हाईकोर्ट के पुर्व न्यायाधीश न्यायमूर्त चंद्रमोहन प्रसाद के बिहार के अगिला लोकायुक्त बनावे के फैसला लिहले बाड़े. मौजूदा लोकायुक्त न्यायमूर्ति रामनंदन प्रसाद चौबीस तारीख के रिटायर होत बाड़न.
  • नीतीश कुमार के कहना बा कि बिहार के विशेष राज्य के दर्जा देबे पर विचार करे खातिर एगो अंतरमंत्रालयी समूह बनावे के बात कह के प्रधानमंत्री ममला के टरका दिहले बाड़े.
  • काल्हु सोमार का दिने औरंगाबाद जिला के हसपुरा प्रखंड के बंगाली बिगहा गाँव का लगे एगो नाव पलटला से ओह पर सवार चार जने डूब गइलन. नाव पर सवार बाकी लोग के बचा लिहल गइल.
  • मुजफ्फरपुर में काल्हु कई गो फर्जी नर्सिंग होम पर छापा मारल गइल आ कई गो फर्जी मिलल डाक्टरन पर मुकदमा दर्ज करे के आदेश दिहल गइल.
  • रोहतास जिला के कैमूर पहाड़ी पर बजरमरवा गाँव में सोमार का दिने नक्सली एगो मेहरारू के गोली मार के हत्या कर दिहले.
  • बक्सर में नाली बनावे में गड़बड़ी करे वाला दू गो कनीय अभियन्ता पर केस दर्ज करावल गइल बा.
  • सिवान जिला के भवानी मोड़ पर काल्हु एगो सड़क दुर्घटना में दू गो छात्र घवाहिल हो गइले.

यूपी

  • उत्तर प्रदेश का राजधानी लखनऊ में मंगल का दिने प्रदर्शन करत अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद(एबीवीपी) के कार्यकर्तन पर पुलिस लाठीचार्ज कइलसि.
  • विपक्ष काल्हु यूपी विधानमण्डल के दुनु सदन में हंगामा आ वाक आउट कइलसि. ऊ स्वास्थ्य मिशन में घोटाला आ पशुपालन मंत्री अवधेशपाल सिंह पर तिहरा हत्याकाण्ड के आरोप चरचा करावल चाहत रहे.
  • अयोध्या मामिला में काल्हु सर्वोच्च न्यायालय में दू गो अउरी याचिका सकारल गइल जवना के अखिल भारतीय श्री राम जन्मभूमि समिति आ फारूख अहमद का तरफ से दायर कइल रहे.
  • परिवहन मंत्री रामअचल राजभर काल्हु प्रदेश में सीतापुर, ललितपुर, सोनभद्र, हाथरस आ बलिया में उप संभागीय परिवहन कार्यालयन के लोकार्पण कइले.
  • चिकित्सा आ स्वास्थ्य निदेशक हिमांशु कुमार के स्वास्थ्य मिशन आ सिप्सा के अतिरिक्त कार्यप्रभार दिहल गइल बा. मोहम्मद मुस्तफा के झाँसी के आयुक्त बनावल गइल. एस एन शुक्ला के कानपुर के आयुक्त आ पी के मोहन्ती के प्रतीक्षा सूची में राखल गइल.
  • गोण्डा जिला के करनैलगंज आ तरबगंज तहसील में बाढ़ के हालात जस के तस. चरसड़ी एल्गिन बंधा के काटे के कुछ गाँव वालन के कोशिश देखत बंधा पर पुलिस के पहरा लगा दिहल गइल बा. बाराबंकी आ बस्ती में हालात जस के तस. वाराणसी, मिर्जापुर, आजमगढ़ मण्डल में भारी बरखा.
  • अगस्त क्रांति दिवस पर आजु प्रदेश में कई जगहा कार्यक्रम. आजुवे का दिने गाँधी जी का आह्वान पर देश भर में अंग्रेजो भारत छोड़ो आन्दोलन शुरू भइल रहे.
  • जौनपुर के बहुते बूढ़ ९१ साल के सेनानी ठाकुर दिवाकर सिंह के काल्हु रेहटी गाँव में उनुका घर पर निधन हो गइल.
  • उत्तर प्रदेश के मुरादाबाद जिला में एगो औरत अपना तीन गो नाबालिग बच्चन के हत्या करिके खुदकुशी कर लिहलसि. पुलिस मामिला के जाँच करत बिया.

देश

  • केंद्र सरकार पूर्वोत्तर राज्यन में सेना के शक्ति बढ़ावे वाला सशस्त्र बल विशेष शक्ति अधिनियम के रद्द करे का अनुशंसा पर कवनो फैसला नइखे लिहले.
  • केंद्र सरकार के कहना बा कि अगर विश्व बाजार में कच्चा तेल के दाम में अउरी गिरावट भइल त देशो में पेट्रोल के दाम घट सकेला.
  • छत्तीसगढ़ के रायपुर चिड़ियाघर में बहुत गरमी का चलते दिल्ली से ले आइल गइल दू गो करिया हिरणन के मौत हो गइल.
  • दूरसंचार सेवा कम्पनी रिलायंस कम्युनिकेशंस मंगल का दिने एंड्रॉयड आधारित 3जी टैबलेट पीसी बाजार में उतार दिहलसि. एकरा साथ ही ऊ देश के टैबलेट बाजार में उतरे वाली पहिलका 3जी सेवा प्रदाता कम्पनी बन गइल.
  • गुजरात सरकार राज्य में तीन गो भारतीय रिजर्व बटालियन चाहतिया बाकिर केंद्र सरकार एकरा से इंकार कर दिहले बिया.
  • देश के दक्षिणी हिस्सा में पिछला 24 घंटों का दौरान भारी बरखा भइल जबकि उत्तर आ मध्य भारत में कहीं मध्यम तो कहीं छिटपुट. राजधानी दिल्ली में मंगल का दिने बरखा त ना भइल बाकिर गरमी आ उमस से तनिका राहत जरूर मिलल.
  • हिमाचल प्रदेश उच्च न्यायालय सोमार के केंद्रीय जांच ब्यूरो (सीबीआई) के निर्देश दिहलसि कि ऊ राज्य के अइसन सगरी शिक्षण संस्थानन के नाम उजागर कर देव जवन फर्जी दस्तावेजन का सहारे मान्यता हासिल कइले बा.
  • देश के तेल आत्मनिर्भरता के लक्ष्य अबही कोसों दूर बा. कहले तेल आ प्राकृतिक गैस राज्य मंत्री आर.पी.एन. सिंह
  • ओडिशा के दू जिला में मंगल का दिने बंद का चलते सामान्य जनजीवन अस्त-व्यस्त रहल. ओहिजा लोग नइखे चाहत कि दू गो प्रस्तावित बिजली संयंत्रन के स्थापना होखे.
  • राष्ट्रमंडल खेल घोटाला मामले में केंद्रीय जांच ब्यूरो (सीबीआई) ने मंगल का दिने केंद्रीय लोक निर्माण विभाग के आठ गो अधिकारियन पर आ दू गो स्थानीय कम्पनियन का खिलाफ मामला दर्ज करवलसि.
  • नई दिल्ली नगरपालिका परिषद (एनडीएमसी) बागवानी सिखावे वाला एगो स्कूल खोलले बिया.
  • मध्य प्रदेश से गुजरे वाला राष्ट्रीय राजमार्गन के हालत से चिंतित राज्य सरकार केंद्र सरकार से कहले बिया कि एह राजमार्गन के दायित्व राज्य सरकार के सँउप दिहल जाव अगर केन्द्र काम नइखे करा पावत.
  • केन्द्रीय गृहराज्य मंत्री जितेन्द्र सिंह लोकसभा में बतवले कि चीन के कम्पनियन का साथ कवनो समझौता देश के सुरक्षा पहलू देखिये के कइल जाला.
  • विश्व स्वास्थ्य संगठन चेतवले बा कि एशिया प्रशांत क्षेत्र में कुपोषण का चलते लाखों लोगों मौत आ बीमारी का कगार पर बाड़े जवना के गंभीर समाजार्थिक असर हो सकेला.
  • निर्माण, खनन आ बिजली उपकरण बनावे वाली कम्पनी टीआईएल लिमिटेड अपना खड़गपुर कारखाने में 700 करोड़ रुपिया के निवेश करी आ ओहिजा अमेरिकी अउर जापानी प्रौद्योगिकी से खनन उपकरण आ क्रेन बनावल जइहे सँ.
  • दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित के इस्तीफे मांगे खातिर जंतर-मंतर पर प्रदर्शन का दौरान मंगल का दिने भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के युवा इकाई भरतीय जनता युवा मोर्चा (भाजयुमो) के कार्यकर्ता आ पुलिस का बीच झड़प हो गइल.
  • केंद्र सरकार राज्य सरकारन से कहले बिया कि इज्जत का नाम पर कवनो हत्या भइला पर सर्वोच्च न्यायालय के निर्देशन के कड़ाई से पालन कइल जाव.
  • जम्मू कश्मीर सरकार के कइल कर वृद्धि का खिलाफ व्यापारी आ ट्रांसपोर्टरन का ओर से मंगल का दिने बोलावल बंद से पूरा कश्मीर घाटी जन-जीवन ठहर गइल.
  • आतंकवाद के खिलाफ जंग के मजबूती देबे खातिर केन्द्र सरकार एगो नेटग्रिड बनाई जवना से कई तरह के डाटाबेस के एक साथे जोड़ दिहल जाई.
  • कार्यभार सम्भरला का हफ्ता भितरे कर्नाटक के नयका लोकायुक्त न्यायमूर्ति शिवराज वी. पाटील बेंगलुरू ग्रामीण आ र डोड्डाबल्लभपुर जिलन में छह गो उपरजिस्ट्रार कार्यालयम पर छापा मरवलन जवना में अधिकारियन, दलालन आ एजेंटन का लगे से हजारों रुपिया के अघोषित नकदी जब्त कइल गइल.
  • कश्मीर में सगरी फरीकन से बतियावे खातिर सरकार का ओर से नियुक्त तीन गो वार्ताकारम में से दू गो के विदेशन में भइल कश्मीर विषयक सम्मेलन में हिस्सा लिहला के लेके विवाद गहरात जात बा. अबही केहू इस्तीफा नइखे दिहले बाकिर एकर खबर उड़त बा.
  • हैदराबाद के वेब पोर्टल ‘वे2एसएमएस’ से फ्रेंडशिप डे (रविवार) का दिने देश भर में पांच करोड़ से बेसी सनेसाभेजल गइल.
  • स्वतंत्रता दिवस पर सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम करत में त्रिपुरा से दू गो उग्रवादियन के गिरफ्तार कइल गइल बा.
  • औद्योगिक घराना, आरपी-संजीव गोयनका समूह, शिक्षा का क्षेत्र में 150 करोड़ रुपये से अधिका के निवेश करी. ई जानकारी समूह के अध्यक्ष संजीव गोयनका दिहले बाड़न.
  • केंद्रीय जांच ब्यूरो (सीबीआई) के कहना बा कि देश के कुल 162 गो भगोड़ा भारतीय अपराधी दोसरा देशन में लुकाइल बाड़े.
  • भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के अध्यक्ष नितिन गडकरी कहले कि प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गांधी का कहला पर सुरेश कलमाडी के राष्ट्रमंडल खेल आयोजन समिति के अध्यक्ष बनवले रहले.
  • महाराष्ट्र का पुणे में भूमि अधिग्रहण का खिलाफ मंगल का दिने उग्र प्रदर्शन पर पुलिस गोलीबारी में एक आदमी के मौत हो गइल आ सात जने घवाहिल हो गइले.
  • केरल के मुख्यमंत्री ओमन चांडी मंगल का दिने सतर्कता विभाग छोड़ दिहले जे 1992 में पॉमोलिन आयात के मामिला में चांडी के भूमिका के जाँच करे वाली बा.
  • मध्य प्रदेश में ग्रामीण यांत्रिकी सेवा के अधीक्षण अभियंता एम.के. जैन का घरआ दोसरा प्रतिष्ठानन पर लोकायुक्त के छापामारी में करोड़ों रुपिया के अघोषित संपत्ति मिले के अनुमान बा.
  • दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित कहले बाड़ी कि विपक्ष संसद चले दी तबहिये राष्ट्रमंडल खेल आयोजन में अनियमितता वाली सीएजी रिपोर्ट पर सरकार जवाब दे पाई.
  • केंद्र सरकार भारतीय रिजर्व बैंक (आरबीआई) के मौजूदा गवर्नर डी. सुब्बाराव के कार्यकाल दू साल खातिर बढ़ा दिहलसि.वैश्विक आर्थिक उथल-पुथल का बीच आरबीआई में स्थिरता बरकरार राखे का नाम पर अइसन कइल गइल बा.
  • भ्रष्टाचार के खिलाफ देशभर में मुहिम छेड़े जा रहल समाजिक कार्यकर्ता अन्ना हजारे मंगल का दिने मुम्बई में अपना रैली के शुरुआत कइलन.
  • सर्वोच्च न्यायालय के.टी. प्लांटेशन के ओह याचिका के खारिज कर दिहलसि जवना में दिवंगत अभिनेत्री देविका रानी आ उनुका पति स्वेतोस्लाव रोएरिच के ‘रोएरिच एंड देविका रानी रोएरिच एस्टेट’ के अधिग्रहन कइला के चुनौती दिहल गइल रहे.
  • दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित के इस्तीफा के माँग करत विपक्ष दुसरको दिने संसद ना चले दिहलसि.
  • झारखंड का गिरीडीह जिला के जंगली इलाका में चलावल तलाशी अभियान में सुरक्षाबल 17 गो बारूदी सुरंग खोज निकलले आ समय रहते ओकनी के बेकार कर दिहले.
  • मध्य प्रदेश में सगरी धार्मिक स्थल के एक दोसरा से जोड़े वाला बस सेवा शुरू कइल जाई. काल्हु उज्जैन आ ओंकारेश्वर के जोड़े वाली बस सेवा के शुभारम्भ करत मूक्यमंत्री शिवराज चौहान ई एलान कइले.
  • उच्चतम न्यायालय 2जी स्पेक्ट्रम आवंटन मामिला के आरोपी यूनिटेक के संजय चंद्रा आ डीबी रिएलिटी के विनोद गोयनका के जमानत याचिका पर केंद्रीय जांच ब्यूरो (सीबीआई) के नोटिस जारी कइले बिया.
  • सर्वोच्च न्यायालय आजु मंगल का दिने तमिलनाडु सरकार के निर्देश दिहलसि कि ऊ सगरी स्कूलन में पहली से 10वीं कक्षा तक ले एक समान पाठ्यक्रम लागू करे. न्यायालय के एह आदेश के मुख्यमंत्री जे. जयललिता खातिर झटका बतावल जात बा.
  • मेघालय में मंगल का दिने पुलिस आ विद्रोही संगठन गारो नेशनल लिबरेशन आर्मी (जीएनएलए) का मुठभेड़ में चार गो विद्रोही मरा गइले आ एगो पुलिस अधिकारी घवाहिल हो गइल.
  • अमेरिकी संकट का चलते अपनो देश के शेयर बाजार में बहुते तेज गिरावट देखे के मिलल. सेंसेक्स 472.31 अंक गिरके खुलबे कइल.
  • भारत में मोबाइल फोन पर इंटरनेट इस्तेमाल कइल बहुते तेजी से बढ़ रहल बा. मैकिंसे का एगो रिपोर्ट में कहल गइल बा कि 2015 ले देश के तीन चौथाई लोग मोबाइल से इंटरनेट के इस्तेमाल करे लागी. एहसे कंपनी चागत बाड़ी सँ कि ओह लोग के वेबसाइट मोबाइल पर देखे लायक बनावल जाव.
  • विश्व के 16वीं वरीयता प्राप्त फ्रांसीसी टेनिस खिलाड़ी जो-विल्फ्रेड सोंगा आ स्विटजरलैंड के स्टानिसलास वावरिंका आपन आपन मुकाबिला जीतके रोजर्स कप टूर्नामेंट के दुसरका दौर में आ गइल बाड़े.
  • केंद्रीय सड़क परिवहन अउर राजमार्ग राज्य मंत्री जितिन प्रसाद लोकसभा में बतवले कि सरकार भारतीय राष्ट्रीय राजमार्ग प्राधिकरण (एनएचएआई) के पुनर्गठन पर विचार करत बिया.
  • केंद्रीय महिला अउर बाल विकास मंत्री कृष्णा तीरथ बतवले बाड़ी कि देश में लड़िकन के गोद लेबे के प्रक्रिया आसान बनावल जाई.
  • अलग तेलंगाना राज्य का मांग के समर्थन में 17 अगस्त से अनिश्चितकालीन हड़ताल पर जाये से पहिले तेलंगाना क्षेत्र के सरकारी कर्मचारी आजु सोमार के प्रदर्शन शुरू कइले.
  • गुजरात के वरिष्ठ पुलिस अधिकारी संजीव भट्ट के गलत आचरण करे का चलते सोमार का देर रात तत्काल प्रभाव से निलंबित कर दिहल गइल.

दुनिया

  • वैश्विक रेटिंग एजेंसी स्टैंडर्ड एंड पुअर्स (एसएंडपी) मंगल का दिने देश के प्रमुख स्टील कम्पनी टाटा स्टील के साख रेटिंग बढ़ा दिहलसि. कारण रहल पिछला सात महीना में 2.8 अरब डॉलर जुटावे में ओकर सफलता.
  • ब्रिटेन में पिछला तीन दिन से जारी आगजनी आ लूटपाट के घटना मंगल का दिने लंदन के अलावे दोसरो बड़का शहरन में पसर गइल. अबले कम से कम 450 लोग के गिरफ्तार कइल गइल बा.
  • रूस के सुदूर पूर्वी क्षेत्र में मंगल का दिने एगो मालवाहक जहाज गिरला से चालक दल के नौ सदस्यन सहित 11 लोग के मौत हो गइल.
  • ब्रिटेन में पिछला तीन दिन से जारी हिंसा का चलते आपन छुट्टी रद्द कर वापिस लवटल प्रधानमंत्री डेविड कैमरन दंगाइयन का खिलाफ कड़ा कानूनी कार्रवाई करे के चेतावनी दिहले बाड़े.
  • ब्रिटेन के राजधानी लंदन में तेजी से पसरत दंगा का चलते दुनु देश के खिलाड़ियन से होटल से बाहर निकले से मना कइल गइल बा.
  • पाकिस्तान में राष्ट्रपति आसिफ अली जरदारी के आवास का दू गो मंजिल पर पाइप जाम रहला का चलते बरखा के पानी भीतर घुस आइल आ कम से कम तीन गो बइठक रद्द करे के पड़ गइल.
  • ईरान के एगो प्रमुख वैज्ञानिक संस्था से जुड़ल छात्रन के तैयार कइल एगो उपग्रह ‘शरीफ’ के प्रक्षेपित करे के योजना ओहिजा के सरकार बनवले बिया.
  • अमेरिका में पाकिस्तान के राजदूत हुसैन हक्कानी कहले बाड़न कि पाकिस्तान आ अमेरिका में ई सोच बा कि कुछ घटना का चलते भलही तनी अविश्वास उपजल होखे लेकिन दुनु के एक दोसरा के जरूरत बा.
  • बांग्लादेशी क्रिकेट टीम के कप्तान शाकिब अल हसन जिम्बाब्वे से टेस्ट मैच हरला का बाद आपन बचाव करत कहले बाड़न कि उनुकर टीम ड्रा करावे खातिर ना खेलल.
  • अमेरिकी राष्ट्रपति बराक ओबामा के आश्वासन का बावजूद अमेरिकी शेयर बाजारन में सोमार का दिने बहुते बड़हन गिरावट देखे के मिलल आ दुनिया पर आर्थिक संकट के बदरी अउर गहिरा गइल.
  • लंदन में पिछला दू दिन से चलत हिंसा आ आगजनी तीसरा दिने ब्रिटेन के दोसरो शहरे में पसरे लागल बा.
  • पाकिस्तानी सेना के शीर्ष अधिकारी देश के सुरक्षा हालात पर सोमार का दिने सेना प्रमुख अशफाक परवेज कयानी का अध्यक्षता में चरचा कइले.
  • अमेरिकी राष्ट्रपति बराक ओबामा अपना देश के निवेशकन के आश्वस्त करत कहले बाड़न कि अमेरिका हमेशा ट्रिपल ए वाला देश बनल रही, रेटिंग चाहे जवन दिहल जाव.
  • अमेरिकी राष्ट्रपति बराक ओबामा यूरोप का कर्ज संकट आ सीरिया के हालात पर स्पेन आ इटली के नेता लोग से फोन पर बतियवले।
  • ब्रिटिश प्रधानमंत्री डेविड कैमरन लंदन में होखत दंगा का चलते आपन छुट्टी बीचे में छोड़ के लंदन लवटत बाड़न.
  • अमेरिका आ रूस प्रस्तावित यूरोपियन मिसाइल प्रणाली पर बतियावल जारी रखीहें. दुनु देश के प्रतिनिधि सेंट पीर्ट्सबर्ग में 11 से 12 अगस्त के एह मसला पर बातचीत होई.

मनोरंजन

  • कोलम्बियाई गायिका शकीरा ट्विटर पर दुनिया में सातवीं लोकप्रिय हस्ती बन गइल बाड़ी. ट्विटर पर शकीरा के करीब 74.2 लाख फोलोअर बाड़े.
  • ‘एरोस्मिथ’ बैंड के गायक स्टीवन टायलर रिएलिटी शो ‘अमेरिकन आइडल’ में जज का तौर पर अपना के मिले वाला मेहनताना बढ़वावल चाहत बाड़न. शो में टायलर के साथी जज गायिका जेनिफर लोपेज के उनुका से दुगुना मेहनताना मिलेला.
  • ग्रैमी पुरस्कार विजेता गायिका लॉरिन हिल्स पर उनकर पुरान गिटारवादक मुकदमा कर दिहले बाड़न कि उनुका के 2007 के एगो संगीत यात्रा के मेहनताना ना दिहली.

खेल

  • इंग्लैंड के तेज गेंदबाज क्रिस ट्रेमलेट चोटहिल होखला का चलते भारत का खिलाफ एजबेस्टनो टेस्ट में ना खेल सकीहे. ऊ दुसरको टेस्ट में ना खेल पवले रहन.
  • काल्हु बुध का दिने तिसरका टेस्ट एजबेस्टन के काउंटी क्रिकेट मैदान पर खेलल जाई. भारतीय टीम 0-2 से पीछे बिया आ ओकरा हर हाल में ई टेस्ट मैच जीते के होखी आ अगिलका के कम से कम ड्रा करावे के होखी तबहिये ओकर टेस्ट सरताज के ओहदा बाचल रही.
  • आस्ट्रेलिया के साथ खेलल जाये वाली पांच एकदिना अंतर्राष्ट्रीय मैचन के श्रृंखला खातिर श्रीलंकाई टीम में तेज गेंदबाज लसिथ मलिंगा आ सलामी बल्लेबाज उपुल थरंगा के वापसी भइल बा.
  • महाराष्ट्र के आदित्य मेहता आ आलोक कुमार आपन-आपन मुकाबिला जीतके चेन्नई में चलत 78वां सीनियर राष्ट्रीय स्नूकर चैम्पियनशिप के फाइनल में पहुंच गइल बाड़े.
  • इंग्लैंड क्रिकेट टीम के मध्यक्रम के बल्लेबाज इयान बेल के बल्लेबाजी कोच नील एब्बेरलेय के सोमार का दिने 67 साल का उमिर में निधन हो गइल.
  • चोटिल बल्लेबाज जोनाथन ट्रॉट का जगहा इंग्लिश टीम में आइल मध्यक्रम के बल्लेबाज रवि बोपारा दू बरीस बाद मिलल एह मौका के भँजावे खातिर पूरा तइयार बाड़न.
  • वाशिंगटन में चलत एटीपी लेग मेसन क्लासिक टूर्नामेंट के पुरुष एकल खिताब चेक गणराज्य के टेनिस खिलाड़ी राडेक स्टेपनेक जीत लिहले.
  • पाकिस्तानी क्रिकेट टीम के पूर्व कप्तान वसीम अकरम एह बात पर चकराइल बाड़न कि चयनकर्ता तेज गेंदबाज वहाब रियाज के आगामी जिम्बाब्वे दौरे से आराम काहे दे दिहले.
  • भारत के लिएंडर पेस आ महेश भूपति के अनुभवी जोड़ी रोजर्स कप टेनिस टूर्नामेंट में दुसरका दौर में पहुंच गइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d