सौतिन के खीस कठौती पर
लालू भाई खीसी लाल भइल बाड़न. एक्जिट पोल में उनका गठबन्हन के हार का देखा दिहलसि मीडिया कि मीडिया के भला बुरा कहे लगलन. कहलें कि हम शिवसेना ना हईं कि मीडिया के एह बाति खातिर पिटाई कर दीं. पुछल गइल कि एक्जिट पोल में राउर हार देखा के का मिली केहू के त कहलन कि हमरा काउन्टिंग एजेन्टन के मनोबल तूड़े खातिर अइसन कहल गइल. बाकिर हमार काउंटिंग एजेन्ट मुस्तैदी से तैनात रहीहें. लालू पासवान दुनु जने के कहना बा कि ओहि लोग के सरकार बने जा रहल बा. हे भगवान, बिहार के किस्मत अतना खराब बा का ?
मनमोहन सरकार पूरा बेहयाई पर उतरल
घोटाला दर घोटाला वाली सरकार से जब कोर्ट पुछलस कि घोटाला के अभियुक्त के केन्द्रीय सतर्कता आयोग के आयुक्त कइसे बनावल जा सकेला त सरकार के जवाब मिलल बा कि अगर हर नियुक्ति पर एही तरह विचार होखे लागल त जजो लोग के नियुक्ति में दिक्कत आवे लागी. सरकार के एह जवाब से सन्न कोर्ट कहले बा कि अबहीं त अतने के जवाब दिहल जाव कि का कवनो अधिकारी पर आरोप रहते ओकर प्रोन्नति कइल जा सकेला ? बतावल जा सकेला कि जब थामस के नियुक्ति पर विचार होत रहे तब विपक्ष के नेता सुषमा स्वराज उनका नाम के विरोध कइले रही. एकरा बावजूद प्रधानमंत्री आ गृहमंत्री एगो अइसन आदमी के सतर्कता आयोग के प्रमुख बना दिहलसि जवना पर राज्य सतर्कता आयोग मुकदमा चला रहल बा. जय हो प्रधानमंत्री के ईमानदारी के !
खरबूजा के देखि खरबूजा रंग बदलेला
सरकार के रुख देख के सीबीआई सु्प्रीम कोर्ट के कहले बा कि कोर्ट के कवनो जाँच के निगरानी करे के अधिकारे नइखे. ई जवाब स्पेक्ट्रम घोटाला का मामिला में दिहल गइल बा. कोर्ट सीबीआई से पुछले रहे कि जाँच में देरी काहे हो रहल बा ?
बिहार विधानसभा चुनाव के मतगणना काल्हु
काल्हु बिहार विधानसभा चुनाव के नतीजा सबका सोझा आवे जा रहल बा. मत के गिनती बिना कवनो बाधा के पूरा करे खातिर चुनाव आयोग सगरी तइयारी कर लिहले बा. ओने भाजपा अपना पार्टी कार्यालय में आठ गो स्टूडियो बना रहल बा जहवाँ से पार्टी के नेता टीवी मीडिया के आपन इन्टरव्यू दीहें. सगरी टीवी वालन के एके जगहा सभे भेंटा जाई. मतगणना सबेरे आठ बजे से शुरु होखी आ दस बजत बजत अतना त साफ होइये जाई कि का होखे जा रहल बा. चुनाव परिणाम टटको खबर पर उपलब्ध करावल जाई.
चावल के भूसी से बनावल बिजली से डेढ़ सौ गाँव रोशन
बिहार के डेढ़ सौ गाँव आ बस्तियन के चावल के भूसी से पैदा बिजली दिहल जा रहल बा. ई जानकारी एगो सवाल का जवाब में संसद में अक्षय उर्जा मंत्री फारुख अब्दुल्ला दिहले बाड़े. बतवले कि अइसने एगो योजना यूपीओ में शुरु कइल जा रहल बा. एगो दोसरा सवाल का जवाब में श्रम आ रोजगार मंत्री हरीश रावत बतवले कि देश के १३९६ गो आईटीआई के उन्नयन कइल जा रहल बा जवना में एकईस गो बिहार के आईटीआई शामिल बाड़ी सँ.
जगबन्धु अधिकारी के निधन
बिहार भाजपा के सीनियर नेता आ विधानसभा के पूर्व अध्यक्ष रहल जगबंधु अधिकारी के काल्हु एगो निजी अस्पताल में निधन हो गइल. ऊ चौरासी साल के रहलें. उनुका निधन पर नीतीश कुमार, सुशील मोदी, ताराकांत झा, सीपी ठाकुर समेत नेता लोग शोक जतवले बा. अधिकारी के अंतिम संस्कार आजु कटिहार में मनियारी घाट पर करावल जाई.
एन सी सी कैडेट अब सीधे सूबेदार बहाल हो सकेलें
मुजफ्फरपुर में कर्नल आर एन भटनागर बतवले बाड़न कि एनसीसी के “सी” सर्टिफिकेट के परीक्षा पास कर लेबे वाला कैडेट अब प्रादेशिक सेना में सीधे सूबेदार पद पर बहाल हो सकीहें.