(शुक, 9 दिसम्बर)
- लोकपाल विधेयक का मसौदा आजु संसद में पेश कर दिहल गइल जवना का बाद दुनु सदनन में जम के हंगामा भइल.
- केरल हवाई अड्डे पर दू गो हवाई जहाज टकरात टकरात बचले.
- एस एम कृष्णा के इस्तीफा माँगत विपक्षका चलते राज्यसभा के कार्यवाही बाधित भइल.
- शिवसेना प्रमुख बाल ठाकरे अन्ना हजारे पर निशाना साधत कहले बाड़न कि लागत बा कि अन्ना के निशाना पर बस शरद पवार बाड़न.
- कोलकाता के एगो अस्पताल में लागल आग का चलते सत्तर गो से बेसी मरीज मर गइले. अस्पताल पर लापरवाही के आरोप लगा के ओकर लाइसेंस रद्द कर दिहल गइल.