काल्हु यूपी का चंदौली आ सोनभद्र जिला में आ बिहार के कैमूर जिला में कई जगह ठनका गिरला से कम से कम तेइस जने के मौत हो गइल. घनघोर बरखा का बीच कड़क का साथ आसमान से गिरल बिजली से कैमूर में तीन गो लड़िकी, पाँच गो औरत, आ पाँच गो आदमी के मौत हो गइल. चंदौली के इलिया इलाका में मालदह गाँव का लगे कैमूर चैनपुर से आवत दू आदमी, बिसुनपुरवा गाँव में एगो ओरत, सिहर गाँव में एगो आदमी, आ पंडरिया गाँव के दू गो औरत, लउवारी खुर्द में एगो औरत, जियनपुरवा गाँव का लगे एगो चरवाहा लड़िका, हलुआ नरहन गाँव में एगो लड़िका आ सोनभद्र के अड़वरिया गाँव के एगो औरत के मरे के खबर बा.

यूपी के प्रशासन का तरफ से मृतक के परिजन के एक एक लाख रुपिया मुआविजा के एलान भइल बा. कैमूर में कवनो मुआविजा के एलान नइखे भइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: