देर से मिलल एगो खबर का मुताबिक पिछला दिने दिल्ली में भाजपा पूर्वांचल प्रकोष्ठ का तरफ से होली मिलन समारोह आयोजित कइल गइल जवना में मुख्य अतिथि बन के आइल बिहार के मोतिहारी से सांसद राधामोहन सिंह कहलें कि होलिका में नफरत आ भ्रष्टाचार के दहन कर के समरसता आ भाईचारा का साथ होली मनावल जाव. समारोह में दिल्ली प्रभारी संतोष ओझा, सह संयोजक दिनेश प्रताप सिंह, प्रदेश अध्यक्ष बिजेन्द्र गुप्ता, पूर्वांचल प्रकोष्ठ संयोजक अभय वर्मा, सांसद हरी माँझी, अली अनवर, मीना सिंह, डा॰ संजय सिंह, विधायक एस सी एल गुप्ता, वगैरह लोग शामिल रहे. समारोह में गजाधर ठाकुर अपना गायकी से समा बाँध दिहले. समारोह का बाद रात्रि भोज के आयोजन रहे.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: