काल्हु बनारस के नाटी इमली में भाजपा युवा मोर्चा के राष्ट्रीय एकता यात्रा चहुंपला पर आयोजित संकल्प सभा में नवजोत सिंह सिद्धू गरजलें, आजादी की शाम नहीं होने देंगे, वीरों की समाधियों को बदनाम नहीं होने देंगे. कहलें कि काश्मीर केहू के जागीर ना ह. अगर केहू रोक सकऽता त रोक के देख ले. हमनी का लाल चौक आवत बानी जा आ ओहिजा तिरंगा फहरा के रहब जा. सिद्धू पूछलन कि देश के कवनो राज्य के ओतना केन्द्रीय धन ना मिले जतना काश्मीर के दिहल जाला तबहियो ओहिजा पाकिस्तानी झंडा फहरावल जा रहल बा आ केन्द्र सरकार मूड़ी गोतले सूतल बिया. एही सभा में कलराज मिश्रा कहलें कि मुस्लिम तुष्टिकरण के पराकाष्ठा हो चुकल बा आ कांग्रेस आ ओकर सहयोगी दल अलगाववादियन के बढ़ावा देत बाड़ी सँ जवना के भाजपा चुनौती मनले बिया.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: