देश दुनिया के खबर, बियफे 1 सितम्बर का दिने

by | Sep 1, 2011 | 0 comments

देश

  • गुजरात के मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के चिट्ठी भेज के राज्यपाल कमला बेनीवाल के तुरते उनुका पद से हटावे आ लोकायुक्त के पद पर भइल नियुक्ति खारिज करे के मांग कइले बाड़न.
  • रेल मंत्रालय काफी सोच-विचार का बाद जेम्स बॉण्ड कड़ी के अगिला फिल्म के शूटिंग रेलवे का इलाका में करावे के इजाजत दे दिहलसि.
  • मध्य प्रदेश के सागर जिला के नौरादेही अभयारण्य में एगो बाघिन के लाश मिलल बा जवना के स्वाभाविक मौत बतावल जा रहल बा.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय 10वीं के परीक्षा खतम करे के सीबीएसई के फैसला के चुनौती देबे वाला याचिका बियफे का दिने खारिज कर दिहलसि.
  • योग गुरु बाबा रामदेव के कहना बा कि उनुका एह बाति के जानकारी नइखे कि उनुका खिलाफ फेरा के मुकदमा दर्ज भइल बा.
  • एक शोध में कहल गइल बा कि आलू खइला से ब्लड प्रेशर ठीक रहेला आ एकरा से वजनो ना बढ़े.
  • दिल्ली मेट्रो रेल कार्पोरेशन के स्टेशनन पर अब गाड़ी पार्किंग किराया आठ सितम्बर से बढ़ा दिहल गइल बा.
  • केरल में सरकारी कर्मचारियन के सेवानिवृत्ति आयु 55 वर्ष से बढ़ावे के माँग हो रहल बा. देश के कई राज्यन में ई अठावन भा साठ साल ले बावे.
  • राज्यसभा में महाभियोग के सामना कर चुकल कलकत्ता उच्च न्यायालय के न्यायाधीश सौमित्र सेन आजु बियफे का दिने इस्तीफा दे दिहले. अगिला हफ्ता उनुका लोकसभा में महाभियोग के सामना करे के रहल.
  • केंद्रीय गृह मंत्री पी. चिदम्बरम कहले बाड़न कि सरकार सशस्त्र बल विशेष शक्तियां अधिनियम (एएफएसपीए) में संशोधन करे खातिर आम सहमति बनावे में लागल बिया. ई कानून सशस्त्र बल के अपना कार्रवाई खातिर छूट देला.
  • जम्मू कश्मीर के निर्दलीय विधायक इंजीनियर राशिद बतवले बाड़न कि ऊ संसद हमला के दोषी अफजल गुरु के माफ करावे खातिर एगो संकल्प विधानसभा अध्यक्ष का सोझा पेश कइले बाड़न.
  • राजस्थान के धौलपुर कस्बा में सांसद रहल आ शाही घराना के विश्वेंद्र सिंह आ उनुका समर्थकन पर एगो होटल में कुछ लोग गोलीबारी कइले बा.
  • भोपाल के शेहला मसूद हत्याकांड मामिला में भाजपा सांसद तरुण विजय से पूछताछ होखी. कांग्रेस चाहत बिया सीबीआई जांच.
  • गुड़गांव वाला अस्पताल अन्ना हजारे के चार दिन के ईलाज के खरचा ना मँगलसि.
  • झारखण्ड में भोजपुरी आ मैथिली भाषी एह चलते दुखी बाड़े कि राज्य में एह दुनु भाषा के दुसरका भाषा के दरजा नइखे दिहल जात.
  • देशभर में राष्ट्रीय पोषण सप्ताह आजु बियफे से शुरू हो गइल. एह दौरान कार्यक्रम आयोजित कर के लोग के स्वास्थ्य का बारे में जागरूक बनावल जाई.
  • उत्तरी कश्मीर के केरन क्षेत्र में नियंत्रण रेखा के दुनु ओर से बियफे का भोर से गोलाबारी हो रहल बा. एहमें एगो भारतीय सैनिक घवाहिल भइल बा.
  • सर्वोच्च न्यायालय आजु निजी अस्पतालन के याचिका खारिज करत ओह लोग के गरीबन क मुफ्त इलाज करे के निर्देश दिहलसि,
  • मध्य प्रदेश के सीहोर जिला में एगो शिक्षिका तीन गो छात्रा के बाल काट दिहली काहे कि ऊ चोटी बान्ह के ना आइल रही सँ. शिक्षिका आ शिक्षा विभाग एकरा के अनुशासनात्मक कार्रवाई बतवले बा.
  • आजु देश भर में धूमधाम से गणेशोत्सव के शुरुआत हो गइल.
  • सिक्ख समुदाय के बिआहन के अलग से पंजीकरण चाहत बा अमेरिका के सिख समूह. ऊ लोग संयुक्त राष्ट्र से निहोरा कइले बा कि एकरा खातिर भारत सरकार के राजी करावल जाव.
  • भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान (आईआईटी)मद्रास में एम. टेक के एगो छात्र बुध का दिने अपना छात्रावास में मरल मिलल. पुलिस के संदेह बा कि ऊ आत्महत्या कइले बा.

दुनिया

  • विश्व के कई देश लीबिया के भविष्य पर विचार करे खातिर फ्रांस के राजधानी पेरिस में बैठक करे वाला बाड़े. एह में गद्दाफी के विरोधी राष्ट्रीय अस्थायी परिषदो हिस्सा ली.
  • लोकतंत्र समर्थक प्रदर्शनकारियन पर सरकार के हिंसक कार्रवाई का विरोध में सीरिया के एगो सीनियर कानून अधिकारी आपन इस्तीफा यूट्यूब पर दे दिहलन.
  • भारत सरकार बियफे के सबेरे वियतनाम तट पर एगो भारतीय नौसैनिक युद्धपोत आ चीनी युद्धपोत के आमना-सामना होखे के रिपोर्ट खारिज करत कहले बिया कि सगरी देश अंतर्राष्ट्रीय जल क्षेत्र में नौ परिवहन के स्वतंत्रता के सम्मान करीहें.
  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी कहले बाड़नकि अलकायदा सरगना ओसामा बिन लादेन के मार गिरवला का बाद अमेरिका से रिश्ता में आइल कड़ुवाहट दूर होखे में समय लागी.
  • पाकिस्तान के तटीय शहर कराची में बुध का दिने एगो बंदूकधारी दू आदमी के गोली मार दिहलसि जवना में नौसेना के एगो लेफ्टिनेंट कमांडरो शामिल रहे.

व्यापार व्यवसाय

  • एयरसेल के विवादास्पद सौदा में केंद्रीय दूरसंचार मंत्री रहल दयानिधि मारन के हाथ होखे के कवनो सबूत सीबीआई के नइखे मिलल.
  • देश के सबसे बड़की दुपहिया कम्पनी हीरो मोटोकॉर्प्स अगस्त महीना में पिछला साल के अगस्त से 18.6 फीसदी अधिका वाहन बेचलसि.
  • एमटीएस नाम से दूरसंचार सेवा उपलब्ध कराने वाली कम्पनी एसएसटीएल आजु आपन नया ब्रॉडबैंड सेवा एमब्लेज अल्ट्रा का नाम से शुरू कइलसि.
  • अगस्त महीना में टोयोटा किर्लोस्कर मोटर, जनरल मोटर्स आ फोर्ड का बिक्री में बढ़ोतरी भइल जबकि मारुति-सुजुकी आ टाटा मोटर्स के बिक्री में गिरावट दर्ज भइल बा.
  • दुपहिया वाहन कम्पनियन के बिक्री बढ़ल. एह साल अगस्त में पिछला साल के अगस्त का मुकाबिले टीवीएस 14 फीसदी आ यामाहा 30 फीसदी अधिका वाहन बेचली सँ.
  • कर्मचारियन का हड़ताल का चलते मारुति-सुजुकी के बिक्री घटल.
  • जुलाई महीना में देश के निर्यात 81.79 फीसदी बढ़के 29.34 अरब डॉलर हो गइल. पिछला साल ई 16.14 अरब डॉलर रहल.
  • बाबा रामदेव के खिलाफ विदेशी मुद्रा विनिमय में गड़बड़ी का चलते फेमा के तहत मामला दर्ज करावल गइल बा. उनुका पर अमेरिका, न्यूजीलैंड आ ब्रिटेन से गैरकानूनी तरीका से अनुदान लेबे के आरोप बा.
  • प्याज, सब्जी आ फल के दाम मृ भइल बढ़ोतरी का चलते खाद्यान्न महँगाई दर पिछला हफ्ता बढ़के 10.05 फीसदी हो गइल.

मनोरंजन

  • बालीवुड अभिनेता सलमान खान का सेहत में आपरेशन के बाद सुधार हो रहल बा. उनुकर आपरेशन ट्राइजेमिनल न्यूरेल्जिया खातिर भइल जवना में गाल आ जबड़ा में बर्दाश्त से बाहर के दर्द होला.
  • ‘बॉडीगार्ड’ पहिलके दिने 22 करोड़ रुपिया कमइलसि. अभिनेता सलमान खान के ई लगातार तिसरका सफलता हवे.
  • ‘रिंग रांग रिंग’ कॉमेडी शो के जरिए दर्शकन के मनोरंजन कर चुकल अभिनेता आसिफ शेख एक बेर फेर लोग के गुदगुदावे ला तइयार बाड़े आ नया हास्यप्रधान शो ‘डांट वरी चाचू’ से वापसी करे वाला बाड़े.
  • आजुकाल्हु नयकी फिलिम के ट्रेलरो के दर्शक खूब मिले लागल बाड़े. हाल फिलहाल रिलीज ‘अग्निपथ’, ‘द डर्टी पिक्चर’ आ ‘रॉकस्टार’ के ट्रेलर के बहुते प्रशंसा हो रहल बा.
  • फिल्मकार दिबाकर बनर्जी अपना राजनीतिक रोमांच से भरपूर फिल्म ‘शंघाई’ से अभिनेता इमरान हाशमी के सीरियल किसर वाला छवि बदले के कोशिश करीहें आ इमरान के वास्तविक अभिनय क्षमता उभरीहें.

खेल

  • बुझाता कि इंगलैण्ड टीम के कप्तान रहल नासिर हुसैन भारतीय क्रिकेट खिलाड़ियन के बेइज्जते करे खातिर क्रिकेट कमेंटेटर बनल बाड़े. नासिर हुसेन फेर काल्हु का मैच में कमेंट कइले कि भारत के फील्डर गेंदा का पाछा गदहा लेखा दउड़े ले. संगे कमेंटरी करत रवि शास्त्रीओ एह बाति के तनिको विरोध ना कइले.
  • आस्ट्रेलियाई क्रिकेट टीम गॉल अंतर्राष्ट्रीय मैदान पर श्रीलंका का साथ खेलत पहिला टेस्ट मैच का दूसरा दिने श्रीलंका पर 283 रन के बढ़त बना लिहले बिया.
  • अमेरिकी ओपन में सानिया आ लिएंडर के जोड़ी युगल मुकाबला जीत लिहलसि बाकिर सोमदेव एकल मुकाबला में हार गइले.
  • विश्व एथलेटिक्स चैम्पियनशिप में टिंटू लुका 800 मीटर रेस के सेमीफाइनल में पहुंच गइली बाकिर मरदन के शॉट पुट स्पर्धा में ओम प्रकाश सिंह करघाना क्वालीफाईंग दौर पार ना कर पवले.
  • गॉल टेस्ट में श्रीलंका 105 रन पर ढेर हो गइल. लियोन 5 गो विकेट चटकवले.
  • काल्हु के बीसबिसा मैच में छह विकेट से हारे वाला भारत के टीम के बारे में इंग्लैंड के बीसबिसा कप्तान स्टुअर्ट ब्रॉड के कहना बा कि भारत एकदिना श्रृंखला में जबर्दस्त वापसी कर सकेला.
  • इंग्लैंड में धौनी के धुरंधर फेर भहरइले

    मैनचेस्टर, 1 सितम्बर (आईएएनएस). इंग्लैंड में भारतीय क्रिकेट टीम के हार के सिलसिला काल्हुओ जारी रहल जब ओल्डट्रेफर्ड मैदान पर खेलल बिसबिसा मैच के अंतर्राष्ट्रीय मुकाबलो में भारत छह विकेट से हार गइल. इंग्लैंड के मध्यक्रम के बल्लेबाज इयान मोर्गन 49 रन के शानदार पारी खेलले जबकि गेंदबाज जेडी डेरेनबाच 22 रन देके चार गो विकेट चटकवले. एहसे पहिले भारतीय टीम के कप्तान महेंद्र सिंह धौनी टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करे के फैसला कइले. ओकरा बाद सलामी बल्लेबाज आंजिक्य रहाणे के शानदार 61 रन का सहारे भारत इंग्लैंड का सोझा 165 रन के निशाना रखलसि. राहुल द्रविड़ अपना पहिला आ आखिरी बीसबिसा मैच में 31 रन बनवले आ एके ओवर में लगातार तीन गो छक्के लगा दिहले. टेस्ट श्रृंखला में असफल रहल मध्यक्रम के बल्लेबाज सुरैशो रैना 19 गेद पर 31 रन के पारी खेलले. बाद में 165 रन के पीछा करत इंगलैण्ड इयान मोर्गन (49) का मदद से चार विकेट का नुकसान पर निशाना पार कर लिहलसि. (इंडो-एशियन न्यूज सर्विस).

  • कोलकाता में मेसी के जोरदार स्वागत भइल बाकिर पचपने हजार टिकट बिकाइल जबकि स्टेडियम के क्षमता करीब सवा लाख से बेसी के बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up