देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Oct 7, 2011 | 0 comments

(बियफे, 6 अक्टूबर)
देश

  • एगो डीटीसी बस चालक के ओकरा घर का बाहरे गोली मार के हत्या कर दिहल गइल.
  • तमिलनाडु के मुख्यमंत्री रहल एम. करुणानिधि बियफे का दिने प्रधानमंत्री आ सोनिया गांधी से प्रधानमंत्री रहल राजीव गांधी के हत्या करावे वालन के माफ करे के गोहार लगवलन.
  • शिवसेना के दशहरा रैली में बाल ठाकरे का निशाना पर प्रधानमंत्री, सोनिया गांधी, महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री पृथ्वीराज चव्हाण समेत अन्ना हजारे, न्यायपालिका आ मीडिया सबही रहल.
  • हरियाणा के मुख्यमंत्री भूपेंद्र सिंह हुड्डा बियफे का दिने कहलन कि एह साल प्रति क्विंटल धान पर न्यूनतम समर्थन मूल्य का अलावे 200 रुपिया के बोनस दिहल जाव.
  • दिल्ली के रामलीला मैदान में बियफे का दिने रावण दहन देखे गइल एगो सात साल के बच्ची पर पुतला के एगो जरत टुकड़ा आ गिरल जवना से झँउसला का बाद ऊ दम तूड़ दिहलसि.
  • पाक सीमा का लगे पंजाब के अमृतसर जिलामें करीब 27 किलोग्राम हेरोइन बरामद कइल गइल जवना के दाम अंतर्राष्ट्रीय बाजारन में 135 करोड़ रुपिया आंकल गइल बा.
  • रावण के पुतला दहन देके सुभाष मैदान चहुँपले उप राष्ट्रपति हामिद अंसारी, प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह, कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी, अउर दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित.
  • कर्नाटक के नया लोकायुक्त के चयन प्रक्रिया शुरू कर दिहल बा.
  • केरल सरकार के मंत्री रहल आर. बालाकृष्णन पिल्लै के जेल के सजाय चार दिन अउरी बढ़ा दिहल गइल काहे कि ऊ जेल में मोबाइल फोन के इस्तेमाल कइले रहले.
  • केरल के इंडियन यूनियन मुस्लिम लीग मांग कइले बा कि वी.एस. अच्युतानंदन के मूक्यमंत्री रहला का दौरान भइल सगरी बहालियन के जाँच करावल जाव.
  • कांग्रेस के कहना बा कि जब जम्मू कश्मीर सरकार हिरासत में भइल मौत के न्यायायिक जाँच करावते बिया त ओह मौत पर कवनो अटकल लगवला के जरूरत नइखे.
  • भाजपा के सांसद रहल सुशील चंद्र वर्मा बियफे का दिने अपना घर के छत से कूद के जान दे दिहले. ऊ ढेर दिन से बेमार चलत रहले.
  • आंध्र प्रदेश के राज्यपाल तेलंगाना राज्य खातिर होखत आंदोलन का बारे में जानकारी देबे दिल्ली जइहें.
  • पाकिस्तान के कब्जा वाला कश्मीर में 4000 चीनी सैनिकन के मौजूदगी का बारे में थलसेना प्रमुख जनरल वी. के. सिंह के बयान के मद्देनजर भाजपा केंद्र सरकार से देश के चीन नीति के समीक्षा करे के कहले बिया.
  • नवरात्र खतम होखला का बाद देश भर में धूमधाम से विजयादशमी मनावल गइल.
  • इंदौर के एगो पटाखा फैक्टरी में विस्फोट से 6 लोग मरल, जांच आ एक एक लाख रुपिया सहायता के आदेश दिहल गइल.
  • बारह अक्टूबर के आपन मौसम उपग्रह छोड़े के तइयारी करत बा भारत.
  • जम्मू कश्मीर के मुख्यमंत्री रहल आ केंद्र में मंत्री फारुक अब्दुल्ला एह बात से इंकार कइले बाड़न कि ऊ पार्टी रिश्वत के लेनदेन में सनाइल बाड़न.
  • पंजाब के फाजिल्का में बियफे का भोर में तेल टैंकर आ ट्रैक्टर-ट्रॉली के टकरइला से चार जने के मौत हो गइल आ बारह जने घवाहिल हो गइले.

दुनिया के खबर

  • आई पॉड, आई पैड आ आई फोन से प्रौद्योगिकी के दुनिया बदल देबे वाला एप्पल कंपनी के के सह-संस्थापक स्टीव जॉब्स के बुध का दिने 56 साल का उमिर में निधन हो गइल. उनुका पैंक्रियाज के कैंसर रहल.
  • ओबामा के कहना बा कि पाकिस्तान के आईएसआई आ आतंकवादी हक्कानी नेटवर्क का बीच कुछ ना कुछ जुड़ल बा.
  • अफगानिस्तान पर अमेरिकी हमला के 10 साल भइला का दिने हजारों लोग काबुल में विरोध प्रदर्शन कइल आ अमेरिका से आपन सेना बोला लेने के माँग कइल.
  • लीबिया का सिरते में लड़ाई निर्णायक दौर में चहुँपल.
  • राष्ट्रपति पद के उम्मीदवारी खातिर रिपब्लिकन पार्टी के चुनाव अलास्का के गवर्नर रहल सारा पालिन ना लड़ीहें,
  • सीरिया में होत प्रदर्शन में अबले 2900 लोग मारल गइल बा, बतवलसि संयुक्त राष्ट्र के मानवाधिकार शाखा.
  • स्वीडन के कवि टोमास ट्रांसट्रोमर के एह साल के साहित्य के नोबेल पुरस्कार देबे के घोषणा बियफे का दिने कइल गइल.
  • सीरिया मुद्दा पर वीटो करे वालन के चेतावत अमेरिका कहले बा कि एह वीटो का चलते सीरिया में बने वाला हालात के जिम्मेदारी एह देशन के लेबे के पड़ी. भारत मतदान से अलगा रहल रहे.
  • पाकिस्तानी नौसेना के नवका प्रमुख एडमिरल मोहम्मद आसिफ सैंडिला बियफे का दिने ओहिजा के राष्ट्रपति आसिफ अली जरदारी से मुलाकात कइलन.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • गोवा में तालाब खोदे का नाम पर लौह अयस्क के गैरकानूनी खनन भइल. कहलसि गोवा विधानसभा के लोक लेखा समिति.
  • मणिपुर में पिछला दू महीना से चलत आर्थिक नाकेबंदी से परेशान लोग अब कुछ बदलाव के चाहत राखत बा.
  • टैबलेट के दुनिया में ‘आकाश’ से कीमत युद्ध के शुरुआत होखी.

मनोरंजन का दुनिया से

  • चार साल बाद फिल्म ‘द डिजायर’ से वापसी करत बॉलीवुड अभिनेत्री शिल्पा शेट्टी के कहना बा कि उनुका सिनेमा के कमी खलेला बाकिर ऊ अपना जिनिगी के प्राथमिकता जान गइल बाड़ी.
  • नेहा शर्मा आ सराह जॉन डायस के फिल्म ‘क्या कूल हैं हम’ के सीक्वल ‘क्या सुपर कूल हैं हम’ खातिर चुनल गइल बा. एह सीक्वल में तुषार कपूर आ रीतेश देशमुखो बाड़न.
  • बॉलीवुड अभिनेता संजय दत्त के लेके आठ गो फिल्म बना चुकल निर्देशक डेविड धवन के कहना बा कि पिछला 20 साल का बादो अभिनेता संजय दत्त में तनिको बदलाव नइखे आइल. डेविड धवन ने संजय दत्त के लेके फेर फिल्म ‘रास्कल्स’ बनवले बाड़न.
  • सोशलाइट पेरिस हिल्टन यूरोप आ भारत के यात्रा कर के लास एंजेलस चहुँप गइली बाकिर उनुकर सामान हेरा गइल जवना से ऊ एयरलाइन कर्मियों से बेहद नाराज बाड़ी.

खेल के खबर

  • चैम्पियंस लीग ट्वेंटी-20 क्रिकेट मैच खातिर सट्टा लगावे वाला दू लोग के दिल्ली में गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • पाकिस्तानी क्रिकेट टीम के कप्तान रहल सलमान बट्ट सकार लिहले बाड़न कि पिछला साल ऊ इंग्लैंड का खिलाफ ओवल टेस्ट में फिक्सर से पइसा लेके एक ओवर मेडन खेलले रहले.
  • स्पॉट फिक्सिंग विवाद में पाकिस्तानी क्रिकेट टीम के तीन गो अउरी खिलाड़ियन के नाम सामने आइल बा.
  • चोट का चलते इंग्लिश क्रिकेट टीम से अढ़ाई साल दूर रहका का बाद समित पटेल भारत का साथ होके जा रहल एकदिना श्रृंखला में आपन छाप छोड़े खातिर पूरा तइयार बाड़न.
  • आस्ट्रेलियाई क्रिकेट टीम के तेज गेंदबाज मिशेल जानसन के कहना बा कि श्रीलंका दौरा में उनुकर किस्मत साथ ना दिहलसि बाकिर अब ऊ आपन फार्म पा चुकल बाड़े आ दक्षिण अफ्रीकी टीम के चउँकावे के कूवत राखत बाड़न.
  • भारत-इंग्लैंड श्रृंखला में हॉट स्पॉट तकनीक के इस्तेमाल ना होखी.
  • स्पेन के शहर सेविल में डेविस कप फाइनल मुकाबिला करावल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up