टटका खबर
(सोमार, 10 अक्टूबर)

  • आजु सोमार का भोर में मुंबई के लीलावती अस्पताल में भरती मशहूर गजल गायक जगजीत सिंह के निधन हो गइल. कुछ दिन पहिले उनुका के दिमाग के नस फट गइला का चलते अस्पताल में भरती करावल गइल रहे. सनहीं रहे. ऊ इकहत्तर साल के रहले.
  • सोमार का भोर में सीबीआई 2जी स्पेक्ट्रम आवंटन घोटाला में डीएमके नेता केंद्रीय दूरसंचार मंत्री रहल दयानिधि मारन के दिल्ली अउर चेन्नई आवास आ कार्यालयन पर छापा मरलसि. अतवार का दिने उनुका पर केस दर्ज कइल गइल रहे.

(अतवार, 9 अक्टूबर)
देश

  • तमिलनाडु मुख्यमंत्री जयललिता अतवार का दिने बतवली कि उनुका शासन में अइला का बाद से अबही ले जमीन पर कब्जा के 17000 शिकायत मिलल बा आ उनुकर सरकार एहसे 624 करोड़ रुपिया के जमीन कब्जा से खाली करा के असली मालिक के लवटा दिहलसि. एह सिलसिला में 700 आरोपियन के गिरफ्तारो कइल गइल बा.
  • दिल्ली के निजी स्कूलन में फीस बढ़वला का खिलाफ काल्हु रैली निकलल आ लोग राजघाट पर प्रदर्शन कइल. स्कूल संचालकन पर मनमानी करे के आरोप लगावत लोग सरकार से सरकारी स्कूलन में सुविधा बढ़ावे के माँग कइल जेहसे निजी स्कूलन के मनमानी कम हो सके.
  • पश्चिमी दिल्ली के दीनदयाल उपाध्याय अस्पताल में अपना पीठदर्द के इलाज करावत एगो 60 साल के मरीज अतवार का दिने अस्पताल के पांचवीं मंजिल से कूदके जान दे दिहलसि.
  • कसाब की याचिका पर सर्वोच्च न्यायालय में सोमार का दिने सुनवाई होई.
  • हिसार उपचुनाव के लोकपाल मुद्दा पर जनमत संग्रह का तरह ले रहल बिया टीम अन्ना आ पूरा जोर लगा दिहले बिया कि ओहिजा से कांग्रेस के करारा हार मिले.
  • राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के सरसंघचालक मोहन राव भागवत काल्हु गोरखपुर में कहले कि देश में भठियरपन का खिलाफ होखे वाला हर आंदोलन में स्वयंसेवक शामिल होखल करीहें. कहलन कि दुनिया भर में हिन्दुत्व का बारे में भ्रम फइलावल जा रहल बा जवन ठीक नइखे. कहलन कि हिन्दुत्व के कवनो पूजा पद्धति भा उपासना से ना जोड़े के चाहीं. हिन्दुत्व उहे ह जवना से सृष्टि, मनुष्य आ समूह के हित होखे.
  • तेलंगाना मुद्दा पर चलत जन हड़ताल 27वों दिन जारी रहल आ 16 गो आंदोलन नेता लोग गिरफ्तार कइल गइले.
  • आरएसएस भारतीय जनता पार्टी के नसीहत देत कहले बा कि खेमेबाजी कवनो पार्टी संगठन के कमजोर कर देले. अगर नेता अपना स्वार्थ खातिर एक दोसरा के टाँग खींचे में लागल रहीहें त दल अपना अस्तित्व के कारण से न्याय ना कर पाई.
  • दिल्ली में अतवार का दिने चीनी दूतावास का बहरी धरना देत तिब्बती समुदाय के 13 गो छात्रन के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि. ई छात्र तिब्बत पर चीन के अवैध कब्जा के विरोध करत रहले. बाद में सभके रिहा कर दिहल गइल.
  • दिल्ली के एगो अदालत काल्हु कहलसि कि दहेज प्रताड़ना कानून के दुरुपयोग होत बा आ एकरा के अवैध वसूली खातिर इस्तेमाल कइल जात बा.
  • टीम अन्ना के दबाव में आइल सरकार एह बाति के मान लिहलसि कि टीम अन्ना आ सरकारी पक्ष के जवन बईठका लोकपाल विधेयक के मसौदा बनावे खातिर होत रहे ओकर आडियो रिकार्डिग सार्वजनिक कर दिहल जाई.
  • मध्य प्रदेश के इंदौर में दशहरा के दिने निशानेबाजी प्रतियोगिता का दौरान गोली लगला से एगो भाजपा नेता के मौत का मामिला में एगो प्रतिभागी मेघकुमार जैन के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • दिग्गी कहले बाड़न कि अन्ना के लालच दिहल गइल बा कि विपक्ष उनुका के अगिला साल होखे वाला राष्ट्रपति चुनाव में उम्मीदवार बनाई आ एही चलते अन्ना भाजपा के समर्थन करत बाड़े.
  • हिसार लोकसभा उपचुनाव में विरोध से रोके खातिर अन्ना के मनावे में लागल बिया कांग्रेस.
  • भारतीय जनता पार्टी अप्रैल में भइल जम्मू कश्मीर विधान परिषद चुनाव में पार्टी लाइन से फरका मतदान करे वाला अपना छह गो विधायकन के निकाल दिहलसि.
  • पार्टियन के आंतरिक चुनावन पर निर्वाचन आयोग के नजर राखे के सुझाव देश के मुख्य निर्वाचन आयुक्त रहल जे.एम. लिंगदोह दिहले बाड़न.

दुनिया के खबर

  • पाकिस्तान के बलूचिस्तान प्रांत में अतवार का दिने नाटो सेना के तेल चहुँपावे अफगानिस्तान जात दू गो टैंकरन में आग लगा दिहल गइल.
  • सीरिया चेतवले बा कि अगर कवनो देश हाल में गठित सीरियाई राष्ट्रीय परिषद के मान्यता देत बा त सीरिया ओह देश का खिलाफ सख्त कदम उठाई.
  • पोलैंड में अतवार का दिने संसद के निचला सदन सेजम के 460 प्रतिनिधियन आ ऊपरी सदन के 100 सीनेटरन के चुने खातिर वोट डालल गइल.
  • बांग्लादेश अउर भारतीय सेना संयुक्त सैन्याभ्यास शुरू कर दिहलसि.
  • सऊदी अरब में एगो हत्या के दोषी 8 गो बांग्लादेशियन के सभका सामने सिर कलम कर दिहल गइल.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • पश्चिम बंगाल सरकार के एह रुख पर, कि औद्योगिक परियोजना खातिर जमीन अधिग्रहण करे में ओकर कवनो भूमिका नइखे, एसोचैम के कहना बा कि एहसे राज्य में औद्योगिक निवेश ठीक से ना हो पाई.
  • रूस के सबले बड़का व्यापारिक सहयोगी बन गइल बा चीन. जनवरी से अगस्त का बीच दुनु देश में 50.8 अरब डॉलर के आयात निर्यात भइल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • नो इंट्री में गाड़ी घुसवला का चलते काल्हु बालीवुड अभिनेता आमिर खान के जुर्माना भरे के पड़ल.
  • कन्नड़ अभिनेता दर्शन आ उनुकर मेहरारू विजयलक्ष्मी अपना घरेलू झगड़न खातिर कर्नाटक के लोग से अतवार का दिने सार्वजनिक माफी मांगल लोग. एह झगड़ा का चलते दर्शन के जेलो जाये के पड़ल.
  • बॉलीवुड के दिग्गज अभिनेता अनुपम खेर के कहना बा कि भारतीय संस्कृति अउर भारतीय सिनेमा जगत के चुम्बकीय प्रभाव से पश्चिमी देश लगातार एह बड़हन बाजार का ओर खिंचात रहीहें.

खेल के खबर

  • चैम्पियंस लीग टूर्नामेंट में सबले बेसी रन बनावे वाला आस्ट्रेलिया के न्यू साउथ वेल्स टीम के सलामी बल्लेबाज डेविड वार्नर के गोल्डन बल्ला से नवाजल गइल. हालांकि ऊ एह मौका पर मौजूद ना रहले.
  • चैम्पियंस लीग फाइनल मैच में मुम्बई इंडियंस रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर के 31 रन से हराके टूर्नामेंट के खिताब अपना नामे कर लिहलसि.
  • रग्बी विश्व कप में दक्षिण अफ्रीका के हराके आस्ट्रेलिया सेमीफाइनल में चहुँपल.
  • दक्षिण एशियाई बीच (समुद्र तट) खेल के घुड़सवारी स्पर्धा में भारत के स्वर्ण पदक मिलल.
  • जापान ओपन में एंडी मरे बने चैम्पियन बन गइले जब ऊ राफेल नाडाल के हरा दिहले.
  • तैराकी विश्व कप में दक्षिण अफ्रीका के चाड ले क्लोस छह गो स्वर्ण पदक जीतके रातों रात स्टार बन गइल बाड़े.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d