(शनिचर, 15 अक्टूबर)
देश
- सूचना के अधिकार वाला कार्यकर्तृ अरुणा रॉय शनिचर के कहली कि आर टी आई के कमजोर खातिर ‘प्रधानमंत्री भा केहू दोसरा के’ हर प्रयास के पूरा विरोध होखे के चाहीं.
- केंद्रीय वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी के अध्यक्षता वाला मंत्रिसमूह प्राकृतिक संसाधनन के आवंटन में से भठियरपन मेटावे आ पारदर्शिता बढ़ावे खातिर बनल समिति के अधिकतर सुझाव मान लिहले बावे.
- पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी सात दिन का भीतर बातचीत भा हथियार चुने के चेतावनी नक्लसियन के दिहले बाड़ी. उनुका चेतावनी के नक्सली समर्थक मजाक उड़ावत कहले बाड़न कि ममता शांतिवार्ता खातिर गंभीर नइखी.
- दलित संगठनन के प्रतिनिधि शनिचर का दिने लोकपाल विधेयक के अपना प्रारूप पर सभकर समर्थन मँगले आ कहले कि टीम अन्ना वाला जन लोकपाल विधेयक से ‘संवैधानिक संतुलन बिगड़ जाई’.
- कर्नाटक के मुख्यमंत्री रहल येदियुरप्पा के भठियरपन का मामिला में जेल गइला का बाद कांग्रेसी माँग कइले बाड़े कि अब आडवाणी के आपन यात्रा खतम कर देबे के चाहीं.
- अन्ना हजारे शनिचर का दिने कहले कि मणिपुर के राजमार्ग पर पिछला 76 दिनों से लगावल अवरोध खतम करे खातिर हल के संभावना खोजे अरविंद केजरीवल के नेतृत्व में दू गो सदस्य मणिपुर जइहें.
- केंद्र सरकार के कहना बा कि त्योहार का मौसम में बिजली के किल्लत दूर करे खातिर ताप बिजली घरन के कोयला के आपूर्ति बढ़ा दिहल गइल बा.
- प्रधानमंत्री कार्यालय में राज्यमंत्री वी. नारायणसामी कुडनकुलम परमाणु विद्युत परियोजना के विरोध कइला आ कर्मचारियन के काम पर जाये से रोकला के विकास खातिर दुर्भाग्यपूर्ण बतवले बाड़े आ विरोध करे वालन के बातचीत खातिर आगा आवे के कहले बाड़न.
- अदालत में समर्पण कइला का बाद कर्नाटक के मुख्यमंत्री येदियुरप्पा के 22 अक्टूबर तकले न्यायिक हिरासत में भेजल गइल बा.
- तेलंगाना राज्य खातिर रेल रोको अभियान में सांसद, विधायक समेत सैकड़ों लोग के शनिचर का दिने गिरफ्तार कर लिहल गइल.
- अन्ना हजारे अतवार का दिन से मौन धारण कर लिहन. एह पर कांग्रेस के टिप्पणी आइल बा कि का टीम अन्ना के बाकियो सदस्य मौन धारण करीहें ?
- आडवाणी की जनचेतना यात्रा होशंगाबाद पहुंचल बाकिर पता ना कवना मुहुर्त में निकलल बाड़े कि रोजे कवनो ना कवनो अड़चन आ जात बा. पचास लाख से बेसी लगा के बनावल उनुका बस में रोजे कवनो ना कवनो गड़बड़ी आ जात बा. आजु लिफ्ट खराब हो गइला का बाद रविशंकर के सीढ़ी मँगा के उतारे के पड़ल.
- दिल्ली के कुछ हिस्सा में मौजूद भीषण बिजली संकट का मद्दे नजर मुख्यमंत्री शीला दीक्षित शनिचर का दिने केंद्रीय ऊर्जा मंत्री सुशील कुमार शिंदे से भेंट कइली आ दिल्ली के बिजली समस्या से राहत खातिर उपाय करे के कहली.
- पद्मनाभस्वामी मंदिर के खजाना के दस्तावेज बनावे के काम 9 नवम्बर से शुरू करे के बात एह खातिर सर्वोच्च न्यायालय से नियुक्त समिति बतवले बिया.
- तेलंगाना आंदोलन में बातचीत फेल कर गइल आ कर्मचारियन के हड़ताल तैंतीसवों दिने जारी रहल.
- मप्र में कर्ज से परेशान 3 गो किसान पिछला तीन दिन में खुदकुशी कर लिहले बाड़े.
- नागपुर में एगो मशहूर उद्योगपति के आठ साल के लड़िका के फिरौती खातिर अपहरण का बाद मार डालल गइल बा. ओकर लाश एगो पानी का टंकी से शनिचर का दिने बरामद भइल बा.
- टीम अन्ना के महत्वपूर्ण सदस्य अरविंद केजरीवाल के कहना बा कि उनुका के लगातार एसएमएस से धमकावल जात बा आ उनुका घर आ कार्यालय पर कबहियो हमला हो सकेला.
- पंडित श्रीराम शर्मा आचार्य जन्म शताब्दी का मौके पर हरिद्वार में होखे जा रहल गायत्री महाकुंभ के विशाल कलश यात्रा खातिर सात राज्यन में कलश बनावल जा रहल बा. गुजरात, महाराष्ट्र, मध्य प्रदेश, उत्तर प्रदेश, बिहार अउर झारखण्ड में गढ़इला का बाद एह कलशन के 30 अक्टूबर ले हरिद्वार पहुंचा दिहल जाई.
- जबलपुर मे लालकृष्ण आडवाणी के ‘जनचेतना यात्रा’ के कांग्रेस के महिला इकाई करिया झंडा देखा के विरोध जतवलसि.
- आरटीआई में कवनो बदलाव के विरोध करीगी भाजपा. प्रधानमंत्री के एह बारे में दिहल बयान से चिंतित आडवाणी भाजपा के राय बतवलन. केन्द्र सरकार सूचना के अधिकार से होखत खुलासा का चलते घबड़ा गइल बिया.
- तमिलनाडु में दंत चिकित्सकन का भर्ती में धाँधली का शिकायत का बाद तमिलनाडु लोक सेवा आयोग के अधिकारियन का घर पर शुक का दिने छापा मारल गइल.
दुनिया के खबर
- अफगानिस्तान में गठबंधन सेना 21 गो तालिबानी आतंकवादियन के मुठभेड़ में मार गिरवले बिया.
- एप्पल अतवार का दिने स्व॰ स्टीव जॉब्स का याद में एगो समारोह आयोजित करी जवना के नेवता सिलिकॉन वैली के प्रमुख हस्तियन के भेजल गइल बा.
- जापान के वैज्ञानिकन के कहना बा कि हिमालय पर्वत श्रृंखला में सौर ऊर्जा पैदा करे के विशाल क्षमता बा आ अगर एकर सही तरीका से दुहल जाव त चीन आ भारत के सगरी ऊर्जा जरूरत पूरा कइल जा सकेला.
- पाकिस्तान के राजधानी इस्लामाबाद में एगो अमेरिकी राजनायिक का कार से एगो मोटरसाइकिल के धक्का लाग गइल जवना चलते मोटरसाइकिल सवार बहुते घवाहिल हो गइल.
- पाकिस्तान यात्रियन के रिकॉर्ड राखे आ अपराधियन के पता लगावे खातिर एगो नया निगरानी प्रणाली बनवले बा. ई जानकारी गृह मंत्री रहमान मलिक पत्रकारन के दिहले.
- पाकिस्तान में ड्रोन हमला में 4 गो आतंकी ढेर.
व्यापार व्यवसाय के खबर
- प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह महंगाई पर लगाम लगावे के तरीके खोजे खातिर देश के माथ नीति निर्मातन का साथे बईठक कइलन. भारतीय रिजर्व बैंक बार-बार ब्याज दर बढ़ावत गइल बाकिर महँगाई घटे का बदले बढ़ले जात बा आ आम आदमी के जियला पर साँसत आ गइल बा.
- मुकेश अम्बानी के मलिकाना वाला रिलायंस इंडस्ट्रीज के मौजूदा कारोबारी साल के जुलाई-सितम्बर वाली तिमाही में शुद्ध लाभ में 15.8 फीसदी के बढ़ोतरी भइल बा.
- अमेरिका में औद्योगिक लालच का खिलाफ प्रदर्शन करत कई प्रदर्शनकारियन के पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया. दोसरा ओर ‘वालस्ट्रीट घेरो’ आंदोलन पूरा अमेरिका में पसर गइल बा जवना से निपटे में पुलिस के बहुते मशक्कत करे के पड़त बा.
- गोवा में खनन घोटाला का खिलाफ अभियान चलावत भारतीय जनता पार्टी के कहना बा कि अबसे पार्टी खनन कम्पनियों के संचालन के वैधता तय होखला का बादे ओह कंपनियन से दान ली.
- पिछले कुछ दिन से हड़ताल करत सुजुकी पावर ट्रेन इंडिया लिमिटेड के कर्मचारियन से संयंत्र परिसर खाली करा लिहल गइल बा.
- अमेरिकी विदेश मंत्री हिलेरी क्लिंटन अपना देश के नीतिनियंतावन से गोहार कइले बाड़ी कि ऊ लोग भारत आ ब्राजील जइसन देश से सीखे जे अर्थशास्त्र के अपना विदेश नीति का केंद्र में राखेलें.
- गूगल कहले बा कि ऊ अपना विवादास्पद सोशल नेटवर्किंग सेवा गूगल बज समेत कई गो दोसर सेवा अगिला कुछ हफ्तन में बंद कर दी.
मनोरंजन का दुनिया से
- भोजपुरी सिनेमा आ संगीत से जुड़ल खबर खातिर भोजवुडन्यूज पर जाईं.
- टेलीविजन चैनल एमटीवी पर प्रसारित होखे वाला रिएलिटी कार्यक्रम ‘स्प्लिट्स विला’ के विजेता रहल आ वीडियो जॉकी (वीजे) सिद्धार्थ भारद्वाज शनिचर का दिने ‘बिग बॉस-5’ का घर में प्रवेश करीहें.
- बॉलीवुड महानायक अमिताभ बच्चन बज लुहरमैन के फिल्म ‘द ग्रेट गैट्सबाय’ से हॉलीवुड में शुरुआत करे जा रहल बाड़े. एह फिल्म से मिलल अनुभव के बच्चन अविश्वसनीय बतवले बाड़े.
- दोस्ती पर आधारित अपना अगिला फिल्म ‘माई फ्रेंड पिंटो’ के रिलीज खातिर तइयार निर्माता-निर्देशक संजय लीला भंसाली के कहना बा कि हिंदी फिल्म उद्योग में दोस्ती बनवले राखल सबले मुश्किल काम हो गइल बा.
खेल के खबर
- लेंडल सिमंस (80)आ मार्लन सैमुएल्स (नाबाद 88) के उम्दा बल्लेबाजी का बदौलत वेस्टइंडीज क्रिकेट टीम शेर-ए-बांग्ला स्टेडियम में शनिचर का दिने खेलल दोसरका एकदिना में बांग्लादेश के आठ विकेट से हरा के तीन मैच के श्रृंखला में 2-0 के अजेय बढ़त हासिल कर लिहलसि.
- राष्ट्रीय मुक्केबाजी चैम्पियनशिप में मेरीकोम फाइनल में पहुंचली. राष्ट्रीय मुक्केबाजी चैम्पियनशिप भोपाल के तात्यां टोपे स्टेडियम मे होत बा.
- जर्मनी के क्लब बेयर्न म्यूनिख आ भारतीय फुटबाल टीम का बीचे जनवरी में होखे वाला दोस्ताना मुकाबला में अंतर्राष्ट्रीय फुटबाल से संन्यास ले चुकल भारत के सबसे बड़हन फुटबाल सितारा बाइचुंग भूटिया आपन विदाई मैच खेलीहें.
- अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट में धौनी के 10 हजार रन पूरा हो गइल बा. ई आँकड़ा शुक का दिने इंगलैण्ड का साथे भइल पहिलका एक दिना में पूरा भइल जवना में भारत इंगलैण्ड के एक सौ छब्बीस रन से हरा दिहलसि.
- मौजूदा अमेरिकी ओपन चैम्पियन आस्ट्रेलिया के समांथा स्टोसुर आ फ्रांस के महिला टेनिस खिलाड़ी मरियन बर्तोली आपन-आपन मुकाबला जीतके डब्ल्यूटीए जापान ओपन टूर्नामेंट के सेमीफाइनल में प्रवेश कर गइल बाड़ी.
- शंघाई मास्टर्स में पेस-भूपति के हार का बाद भारत के चुनौती खतम हो गइल.
- जमैका फुटबाल संघ के प्रमुख कैप्टेन होरेस बरेल पर 6 महीने के प्रतिबंध लगा दिहल गइल बा. बरेल पर भठियरपन के आरोप बा.
- हिमाचल के कांगड़ा जिला के बीर बिलिंग में 16 से 22 अक्टूबर तक होखे जा रहल पाराग्लाइडिंग इंटरनेशनल चैम्पियनशिप आ हिमालय नेशनल पाराग्लाइडिंग चैम्पियनशिप में देश दुनिया के 200 से अधिका पायलट शामिल होखीहें.
- वेस्टइंडीज क्रिकेट टीम के अंतर्राष्ट्रीय मैचन आ इंडियन प्रीमियर लीग के पँचवा संस्करण में टकराव के हालात बन गइल बा आ अब ई खिलाड़ियन पर निर्भर करत बा कि ऊ देश खातिर खेलीहें कि पइसा खातिर.