(बियफे, 20 अक्टूबर)
खास खबर

  • बुध का दिने नाटो हमला में लीबिया के शासक रहल मुअम्मार गद्दाफी के मरा गइला का बाद भारत आशा जतवले बा कि अब लीबिया में शान्ति आ स्थिरता लवटि आई आ ऊ लीबिया के हर तहरह के मदद के पेशकश कइले बा. एकतालिस साल के निरंकुश शासन का बाद सत्ता से बेदखल मुअम्मार गद्दाफी एगो चूहा का तरह बिल में लुकाइल रहुवे आ जब मौत सामने आइल त गिड़गिड़ाये लागल. ओकरा के ओकरे गढ़ सिरते शहर में मार दिहल गइल जवना शहर में ओकर जनम भइल रहे.
  • नाजायज तरीका से लिहल पइसा के भलाई के काम में लगावे के बात किरण बेदी कहले बाड़ी. किरण बेदी का खिलाफ मामिला सामने आइल बा कि ऊ एनजीओ का बुलावा पर जब जाली त बिजनेस क्लास के किराया वसूलेली जबकि चलेली एकानामी क्लास से. किरण के कहना बा कि ऊ एह पइसा के भलाई के काम में लगावेली ! अरविंद केजरीवाल कहले बाड़न कि जाली बिल भेजल गलत काम भइल बा. हाथे लागल मौका के फायदा उठावत अग्निवेश कहले बाड़न कि अब किरण बेदी के भठियरपन का खिलाफ बयानबाजी बंद कर देबे के चाहीं.
  • मोहाली एकदिना मैच में भारत इंग्लैंड के पाँच विकेट से हरा के श्रृंखला पर काबिज हो गइल. अबले भइल तीनो एकदिना भारत जीत लिहले बा. अंजिक्य रेहाने के 91 रन के शानदार पारी खेले खातिर मैन आफ द मैच चुनल गइल.
  • कर्नाटक के बेंगलुरू शहर में बियफे का दिन से मेट्रो रेल सेवा शुरू हो गइल.

देश

  • बेंगलुरू में लोकायुक्त के अदालत बियफे का दिने कर्नाटक के गृह मंत्री आर. अशोक का खिलाफ जांच के आदेश दे दिहलसि. गृहमंत्री पर पद का दुरुपयोग करत बेंगलुरू शहर का उत्तर में जमीन हड़पे के आरोप बा.
  • भाजपा अध्यक्ष रहल बंगारू लक्ष्मण बियफे का दिने दिल्ली उच्च न्यायालय से आपन ऊ याचिका वापिस ले लिहलन जवना में ऊ अपना खिलाफ आपराधिक मामिला खतम करे के कहले रहलन.
  • मप्र में मुस्लिम लड़िकियन के निकाह खातिर खास मुख्यमंत्री निकाह योजना चलावे के फैसला लिहल गइल बा. मध्यप्रदेश में भाजपा के सरकार बिया.
  • हिमाचल में गिरल मिग-29 के मलबा के खोज अबही जारी बा. बियफे का दिने बरफ का चलते खोज अभियान रोक दिहल गइल रहे.
  • कर्नाटक के बेंगलुरू शहर में बियफे का दिन से मेट्रो रेल सेवा शुरू हो गइल.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिह कहले बाड़न कि अबकी दिवाली पर उनुका के उपहार बा भेज के राष्ट्रीय राहत कोष में दान भेजल जाव.
  • नाजायज तरीका से लिहल पइसा के भलाई के काम में लगावे के बात किरण बेदी कहले बाड़ी. किरण बेदी का खिलाफ मामिला सामने आइल बा कि ऊ एनजीओ का बुलावा पर जब जाली त बिजनेस क्लास के किराया वसूलेली जबकि चलेली एकानामी क्लास से. किरण के कहना बा कि ऊ एह पइसा के भलाई के काम में लगावेली ! अरविंद केजरीवाल कहले बाड़न कि जाली बिल भेजल गलत काम भइल बा. हाथे लागल मौका के फायदा उठावत अग्निवेश कहले बाड़न कि अब किरण बेदी के भठियरपन का खिलाफ बयानबाजी बंद कर देबे के चाहीं.
  • राजस्थान के सरकारी अस्पताल के नर्स भंवरी देवी के गुमशुदगी का मामिला में गिरफ्तार दू लोग से सीबीआई पूछताछ कइलसि. संदेह बा कि भंवरी देवी के चूना का भट्ठी में जियते झोंक दिहल गइल रहे.
  • ओडिशा के धार्मिक शहर पुरी के विधायक रहल उमा बल्लभ रथ बियफे का दिने भाजपा से इस्तीफा दे दिहलन. ऊ कवनो राजनीतिक अभियान शुरू करे के बात कहत बाड़े.
  • प्रशांत भूषण आ अरविंद केजरीवाल पर भइल हमला का बाद अन्ना हजारे के सुरक्षा बियफे से बढ़ा दिहल गइल बा.
  • तमिलनाडु के कुडनकुलम परियोजना पर लोग के अनेसा मेटावे खातिर एगो विशेषज्ञ समिति बनावल गइल बा.
  • लालकृष्ण आडवाणी बियफे के फेर कहले कि मनमोहन सिंह ‘कमजोर आ अनिर्णायक’ प्रधानमंत्री हउवें. काल्हुवे मनमोहन सिंह आडवाणी के कहले रहले कि अपना भाषण में कड़ूआ बात बोले आदत छोड़सु.
  • केंद्रीय नागरिक उड्डयन मंत्री वायलार रवि बियफे का दिने एह बात से इंकार कइले कि सरकार एयर इंडिया में आपन हिस्सेदारी बेचल चाहत बिया.
  • झारखण्ड में हेलीकाप्टर दुर्घटना का बाद से ध्रुव हेलीकॉप्टर के उड़ान पर रोक लगा दिहल गइल बा.
  • भारत बियफे का दिने फ्रांस सरकार पर दबाव बढ़वलसि कि ओहिजा सिख पगड़ी पर लगावल रोक हटावे के राह निकालल जाव.
  • तेलंगाना इलाका के सांसद आपन सुरक्षा लवटा दिहले बाड़न जवना पर डीजीपी के कहना बा कि एकरा नतीजा खातिर खुद सांसद जिम्मेदार होइहें.
  • बाल ठाकरे कहले बाड़न कि अगर गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी मुस्लिम परस्त नीति बनवलन त ऊ शिवसेना के समर्थन गँवा दीहें. नरेन्द्र मोदी कहले बाड़न कि राजस्थान के अजमेर दरगाह के यात्रा करे वाला पाकिस्तानियन के वीजा देबे में ढील दिहल जाव.
  • कांग्रेस के राष्ट्रीय महासचिव आ मध्य प्रदेश के मुख्यमंत्री रहल दिग्विजय सिंह के बयानबाजी से आजिज कांग्रेस के प्रदेश सचिव हरीश अरोरा अपना पद से इस्तीफा दे दिहले बाड़न.
  • आय से बेसी के सम्पत्ति राखे का मामिला में जयललिता बियफे का दिने बेंगलुरु के एगो अदालत में पेश भइली.
  • अदालत के आदेश का बाद अमेरिका पाकिस्तानी मूल के अमेरिकी आतंकवादी डेविड कोलमैन हेडली से भइल पूछताछ से जुड़ल टेप जारी कर दिहलसि.
  • मनमोहन सिंह के कहना बा कि अन्ना हजारे के आंदोलन अपना उद्देश्य में सफल रहल. आ सरकार एगो प्रभावी लोकपाल बिल जल्दिये ले आई.

दुनिया के खबर

  • बुध का दिने नाटो हमला में लीबिया के शासक रहल मुअम्मार गद्दाफी के मरा गइला का बाद भारत आशा जतवले बा कि अब लीबिया में शान्ति आ स्थिरता लवटि आई आ ऊ लीबिया के हर तहरह के मदद के पेशकश कइले बा. एकतालिस साल के निरंकुश शासन का बाद सत्ता से बेदखल मुअम्मार गद्दाफी एगो चूहा का तरह बिल में लुकाइल रहुवे आ जब मौत सामने आइल त गिड़गिड़ाये लागल. ओकरा के ओकरे गढ़ सिरते शहर में मार दिहल गइल जवना शहर में ओकर जनम भइल रहे.
  • हिलेरी क्लिंटन दू दिन का यात्रा पर पाकिस्तान पहुंचल बाड़ी जहाँ दुनु देश अपना बीच के तनाव कम करे के कोशिश कर सकेला.
  • नेपाल के प्रधानमंत्री बाबूराम भट्टराई चार दिन का यात्रा पर भारत आइल बाड़े. एह दौरान उमेद बा कि भारत नेपाल के विकास परियोजनन खातिर 25 करोड़ डॉलर करजा देबे के घोषणा करी.
  • पाकिस्तानी सेना प्रमुख जनरल अशफाक कयानी के कहना बा कि भारत अपना एगो सैनिक पर जतना खरच करेला ओतना पाकिस्तान तीन गो पर करेला.
  • रुस के राष्ट्रपति दिमित्री मेदवेदेव अब जनता से मेलजोल बढ़ावे खातिर सोशल साइट फेसबुक के सहारा लीहें.
  • फ्रांस के राष्ट्रपति निकोलस सरकोजी चउथा बेर बाप बनलन जब उनुकर पत्नी कार्ला ब्रूनी बुध का दिने एगो बेटी के जनम दिहली.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • एह कारोबारी साल का आखिर ले महँगाई दर 8 फीसदी से कम होखे के भरोसा दिहले बाड़े योजना आयोग के उपाध्यक्ष मोंटेक सिंह अहलूवालिया.
  • बियफे का दिने शेयर बाजार में गिरावट रहल आ सेंसेक्स 148 अंक नीचे बंद भइल.
  • फ्रांस के कहना बा कि महाराष्ट्र के जैतापुर में बने वाला फ्रांसिसी परमाणु रिएक्टर खातिर उच्चतम सुरक्षा मानक बनावल जाई.
  • एयरटेल चलावे वाली कम्पनी भारती एंटरप्राइजेज मोबाइल इंटरनेट सेवा पर ध्यान देबे खातिर जापानी इंटरनेट कम्पनी सॉफ्टबैंक कारपोरेशन का साथे साझेदारी समझौता कइले बिया.
  • भारत का साथे घनिष्ठ सम्बंध चाहत बावे न्यूजीलैंड.

मनोरंजन का दुनिया से

  • चिल्ड्रेन फिल्म सोसायटी के अध्यक्ष बॉलीवुड अभिनेत्री नंदिता दास दिल्ली में चिल्ड्रेन फिल्म फेस्टिवल के उद्घाटन करत कहली कि भारत में बचवन पर आधारित फिलिम ना बनऽ सँ आ एकरा खातिर फिल्म उद्योग के मुनाफा के नीति के दोषी बतवली.
  • अमिताभ बच्चन के आस्ट्रेलिया के एगो विश्वविद्यालय का ओर से डॉक्टरेट के मानद उपाधि दिहल गइल बा.

खेल के खबर

  • मोहाली एकदिना मैच में भारत इंग्लैंड के पाँच विकेट से हरा के श्रृंखला पर काबिज हो गइल. अबले भइल तीनो एकदिना भारत जीत लिहले बा. अंजिक्य रेहाने के 91 रन के शानदार पारी खेले खातिर मैन आफ द मैच चुनल गइल.
  • एशियाई एअरगन चैम्पियनशिप में भारत के निशानेबाज ओमकार के कांस्य पदक मिलल. भारत के महिला आ पुरुष टीम के रजत हासिल भइल बा.
  • डेनमार्क ओपन बैडमिंटन में भारत के सायना नेहवाल हार गइली बाकिर ज्वाला गुट्टा आ वी दीजू के जोड़ी तिसरका दौर में चहुँप गइल बा.
  • पंकज आडवाणी के निगाह आठवाँ विश्व बिलियर्ड्स खिताब पर लागल बा आ उनुका ई खिताब जीत लेबे के आशा बा.
  • पाकिस्तान क्रिकेट टीम अबू धाबी टेस्ट मैच के तीसरा दिने श्रीलंका पर आपन पकड़ मजबूत कर लिहलसि जब पहिला पारी में 344 रन के बढ़त लिहला का बाद श्रीलंका के दुसरका पारी में 47 रन देके एगो विकेट ले लिहले बा.
  • वेस्टइंडीज क्रिकेट बोर्ड के कहना बा कि अगर क्रिस गेल राष्ट्रीय टीम में जगह पावल चाहत बाड़े त उनुका बोर्ड अधिकारियन का खिलाफ दिहल आपन बयान वापिस लेबे के पड़ी.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: