देश

  • (बुध, 26 अक्टूबर)
  • पूरा देश में दीवाली के धूम मचल बा. हर जगहा सुरक्षा कड़ा कर दिहल गइल बा.
  • छत्तीसगढ़ सरकार भारतीय महिला हॉकी टीम के कप्तान सबा अंजुम के राज्य के सबले बड़का खेल सम्माबन गुंडाधुर खेल सम्मान से नवाजे के घोषणा कइले बिया.
  • (मंगल, 25 अक्टूबर)
  • प्रतिबंधित संगठन उल्फा आ केंद्र सरकार का बीच मंगल का दिने नई दिल्ली में शांति वार्ता के एगो महत्वपूर्ण दौर शुरू भइल जवना में उल्फ के संवैधानिक संशोधन समेत बाकी माँगन पर चरचा कइल गइल.
  • ओडिशा के संबलपुर जिला में मानवता आ विकास विरोधी नक्सली मंगल का दिने एगो निर्माण कम्पनी के शिविर पर हमला कर दिहले आ 10 गो वाहन जरा दिहले.
  • हवाई टिकट विवाद पर टीम अन्ना के सदस्य किरण बेदी के ट्रैवेल एजेंट अनिल बल उनुका ट्रस्ट से नाता तूड़ लिहले. अनिल के कहना बा कि गलत यात्रा बिल से उनुका प्रतिष्टा पर आँच आइल बा.
  • जम्मू कश्मीर के कुछ इलाकन से सशस्त्र बल विशेष शक्तियां अधिनियम हटावे का मामिला में केन्द्रीय मंत्रीमण्डल में मतभेद तब खुल के सामने आ गइल जब सलमान खुर्शीद कहलन कि एह मसला पर पी. चिदम्बरम आ ए.के. एंटनी के सहमत होखल जरूरी बा. गृह मंत्रालय आ रक्षा मंत्रालय एह कदम के विरोध में बतावल जात बा.
  • अरविंद केजरीवाल मंगल का दिने सरकार के चेतवले कि अगर टीम अन्ना के ‘निशाना बनावल जारी राखल गइल’ त एगो बड़हन आन्दोलन शुरु कर दिहल जाई. टीम अन्ना के कहना बा कि सरकार बेकार अछरंग ना लगा के लोकपाल विधेयक ले आवे आ जे दोषी बा ओकरा के सजा दिआवे.
  • कर्नाटक के मेडारा समुदाय के अनुसूचित जनजाति के दर्जा देबे के प्रस्ताव के केन्द्रीय मंत्रिमण्डल मंगल का दिने सकार लिहलसि.
  • भारत से एह साल 101,072 हज यात्री सऊदी अरब पहुंचले जवना में से 46 लोग के मौत हो गइल.
  • परमाणु ऊर्जा विभाग के कहना बा कि आंध्र प्रदेश में यूरेनियम पेरोक्साइड से लदाइल ट्रक के दुर्घटना से कवनो रेडियोधर्मी पदार्थ के रिसाव नइखे भइल.
  • भाजपा नेता आ लोकसभा में विपक्ष के नेता सुषमा स्वराज मंगल का दिने तिहाड़ जेल जा के वोट खातिर नोट मामिला में बंद भाजपा के दू गो सांसद रहल नेता लोग से आ सुधीन्द्र कुलकर्णी से भेंट कइली.
  • प्रधानमंत्री अतना व्यस्त बाड़न कि राष्ट्रमंडल बैठक में शामिल होखे के समय नइखे उनुका लगे. एह से एह बैठक में शामिल होखे खातिर उप राष्ट्रपति हामिद अंसारी के भेजल जात बा.
  • आंध्र प्रदेश में डेंगू से 3 आदमी के मौत के खबर आइल बा. आंध्र सरकार के दावा रहे कि डेंगू पर काबू मिल गइल बा.
  • ओडिशा के मुख्यमंत्री नवीन पटनायक केंद्र सरकार से युगांडा में पिछला जून महीना से फंसल अपना राज्य के 11 गो मजदूरन के सही सलामत वापसी तय करावे के गोहार लगवले बाड़न.
  • केंद्र सरकार मंगल का दिने मजीठिया वेतन बोर्ड के सिफारिश मान के पत्रकारन आ समाचार पत्रन आ एजेंसियन के कर्मचारियन के दीवाली के तोहफा दे दिहलसि.
  • केंद्रीय मंत्री सलमान खुर्शीद अन्ना हजारे के आरोप पर चेतवले कि सरकार आ सिविल सोसाइटी का बीच दुराव बढ़ला से समस्या अउरी बिगड़ी.
  • महबूबा मुफ्ती के फेर से पीडीपी अध्यक्ष चुनाइल तय बा.
  • श्रीनगर में दू गो विस्फोट से सीआरपीएफ के 3 गो जवान घवाहिल भइल बाड़े.

दुनिया के खबर

  • (बुध, 26 अक्टूबर)
  • तुर्की भूकंप में मरेवालन के गिनिटी 459 ले चहुँपल.
  • लीबिया से अक्टूबर ले स्पेन आपन सेना हटा ली.
  • पाकिस्तान में पंजाब के गवर्नर सलमान तासीर के हत्यारा के मौत के सजा सुनावे वाला न्यायाधीश परवेज अली शाह धार्मिक चरमपंथियन से मिलत धमकी से आजिज आ के सऊदी अरब चल गइल बाड़े.
  • (मंगल, 25 अक्टूबर)
  • अमेरिका के महावाणिज्य दूत डीन आर. थॉम्पसन मंगल का दिने अगरतला में कहलन कि अमेरिका भारत से अपना संबंध का कीमत पर चीन भा कवनो दोसरा देश से रिश्ता बेहतर बनावल ना चाही.
  • पाकिस्तान अधिकृत कश्मीर के उच्च न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश गुलाम मुस्तफा मुगल पर गोलीबारी करके कुछ बंदूकधारी उनुका के घवाहिल कर दिहले.
  • ऑस्ट्रेलिया के आव्रजन अधिकारी पिछला एक साल में 15,066 विदेशी छात्रन के वीजा रद्द कर दिहले. एह से भारतीय छात्रन पर बुरा असर पड़ल बा.
  • निर्वासन में पैदा भइल आ पलाइल-पसाइल तिब्बती बुध का दिने चीन से खरीद के मँगावल अपना देश के माटी पर समारोह में डेग धरीहें. एह माटी के एगो खेल के मैदान में फइलावल गइल बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • (बुध, 26 अक्टूबर)
  • चीन में सितम्बर माह के आखिर ले 3जी मोबाइल फोन के उपभोक्तन के गिनिती 10.2 करोड़ हो गइल बा.
  • एलजी इलेक्ट्रोनिक्स के तिसरा तिमाही में नुकसान भइल बा.
  • केंद्रीय मंत्रिमंडल अंतराष्ट्रीय मुद्राकोष में भारत के कोटा बढ़ावे के मंजूरी दे दिहलसि. एकरा साथही सगरी ब्रिक देश अब आईएमएफ के दस गो बड़का हिस्सेदारन में शामिल हो गइल बाड़े.
  • ब्राजील ओद्यौगिक देशन से अपना आर्थिक संकट से जल्दी निपटे के गोहार लगवले बा.
  • अंतर्राष्ट्रीय आर्थिक अनिश्चितता, महंगाई आ विदेशी मांग घटला का बावजूद चीन के औद्योगिक मूल्य-वर्धित उत्पादन एह साल आ अगिलो साल 11 फीसदी के दर से बढ़े के उमेद लगावल जात बा.
  • यूरोपीय संघ भारत के ‘दार्जीलिंग चाय’ नाम के संरक्षित भौगोलिक पहचान वाला उत्पादन का सूची में दर्ज कर लिहले बा जवना के मकसद एह नाम ले दुरुपयोग रोकल बा.
  • (मंगल, 25 अक्टूबर)
  • केन्या आ श्रीलंका से जबरदस्त प्रतिस्पर्धा के सामना करत भारतीय चाय उत्पादक अब पाकिस्तान के बेसी चाय निर्यात कर सकीहें जब पाकिस्तान भारत के तरजीही राष्ट्र (एमएफएन) के दर्जा दे दी.
  • कोयला के कमी से जूझत देश के विद्युत संयंत्रन में कोयले के आपूर्ति आ भंडारण के सुचारू बनावे खातिर एह हफ्ता कोयला मंत्रालय 147 रैक कोयला एह संयंत्रन के भेजलसि.
  • एनटीपीसी के तिमाही शुद्ध लाभ में 15 फीसदी के बढ़ोतरी भइल बा.
  • पच्चीस लाख रुपिया के घर पर पन्द्रह लाख रुपिया तक के कर्ज लेबे वालन के ब्याज में एक फीसदी के राहत केन्द्र सरकार का तरफ से दिहल जाई.
  • रिजर्व बैंक के ब्याज बढ़वला के फैसला का बावजूद मंगल का दिने शेयर बाजार में तेजी रहल आ सेंसेक्स 316 अंक ऊपर चढ़ के बंद भइल.
  • भारतीय रिजर्व बैंक बचत खाता पर दिहल जाये वाला ब्याज दर पर से नियंत्रण हटा लिहलसि. एह फैसला से बैंकन का बीच अधिका ब्याज दर देबे के दौर शुरु हो सकेला.

मनोरंजन का दुनिया से

  • बॉलीवुड अभिनेता शाहरूख खान के लेडी गागा का साथे काम करे के सपना जल्दिये पूरा होखे वाला बा. पॉप गायिका के होखेवाली भारत यात्रा का दौरान ऊ उनुका साथे एगो खास बातचीत फिल्मावे वाला बाड़न.
  • अभिनेता रणबीर कपूर आ गायक मोहित चौहान एह हफ्ता कलर्स चैनल पर प्रसारित होखे वाला रिएलिटी शो बिग बॉस-5 में खास मेहमान बन सकेले.
  • दीवाली का दिने ‘रा.वन’ के रिलीज कइल जा रहल बा. दुनिया भर का 3,500 सिनेमाघर में एकरा के एक साथ रिलीज कइल जात बा. बतावल जात बा कि ई फिल्म अब तकले के सबले महँग फिल्म हवे. फिल्म के सफलता से शाहरुख खान के लोकप्रियता में अउरी इजाफा हो जाई.
  • अभिनेत्री सोनाक्षी सिन्हा आ अभिनेता रणवीर सिंह के नईकी फिल्म गैर परम्परागत प्रेम कहानी पर आधारित होखी जवना के निर्देशन ‘उड़ान’ फेम के विक्रमादित्य मोटवानी करीहें.

खेल के खबर

  • (बुध, 26 अक्टूबर)
  • महान क्रिकेटर बॉब सिम्पसन आ रिचर्ड हेडली के बुध का रात सिडनी क्रिकेट मैदान पर होखे जा रहल सालाना ब्रेडमैन फाउंडेशन गाला डिनर में सम्मानित कइल जाई.
  • एकदिना रैंकिंग में तीसरा स्थान पर आइल भारतीय टीम. पहिले ई पाँचवा जगहा पर चल गइल रहे.
  • दुबई अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट स्टेडियम में पाकिस्तान का साथे होखत दूसरका टेस्ट मैच में टॉस जीतके बल्लेबाजी करे उतरल श्रीलंकाई टीम अपना पहिला पारी में 73 रन लेबे में पांच गो विकेट गंवा दिहले.
  • (मंगल, 25 अक्टूबर)
  • पाँच गो एकदिना के शृंखला पाँच शून्य से जीतला का बादो कप्तान महेन्द्र सिंह धोनी के कहना बा कि तेज गेंदबाजी में सुधार के जरूरत बा. मंगल का दिने कोलकाता के इडेन गार्डेन में भइल पाँचवा एकदिना में भारत इंगलैण्ड के पंचानबे रन से हरा के पूरा शृंखला जीत लिहलसि.
  • भारत के फार्मूला वन चालक करुण चंडोक के अफसोस बा कि 28 से 30 अक्टूबर तक होखे जा रहल इंडियन ग्रां पी में टीम लोटस के मुख्य चालक ना होखला के उनुका अफसोस बा कि देशे में होखत रेस के ऊ बाहर से देखीहें.
  • इंग्लैंड क्रिकेट टीम के दिग्गज बल्लेबाज केविन पीटरसन के बँवारा अंगूठा टूटला का चलते ऊ एकदिना में ना खेल पवलें.
  • दू दिन बरखा का चलते खेल ना हो सकला से बांगला देश आ वेस्ट इंडीज का बीचे भइल चटगांव टेस्ट बेनतीजा रहल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d