यूपी के बलिया जिला के नरही थाना में धराइल पशुपालक के रिहाई के माँग करत भाजपा विधायक उपेंद्र तिवारी आ उनुका समर्थकन के हटावे खातिर पुलिस अचके में लाठी चार्ज आ फायरिंग के दिहलसि। एह चलते मचल भागमभाग में एक आदमी के मौत हो गइल आ दू जने बहुत घवाहिल हो के जिला अस्पताल में इलाज़ करावत बाड़े।
पुलिस फायरिंग के बात नकारत बिया आ कहत बिया कि मौत भगदड़ में भइल बा। जिला अस्पताल में सैकड़न पुलिस आ दमकल के गाड़ी जमल बावे।
बतावल जात बा कि एगो पशु व्यापारी चन्द्रमा यादव के ट्रक पांच गो गाय ले जात में नरही पुलिस ध लिहलसि आ चंद्रमा यादव के गिरफ्तार के लिहलसि काहे कि ऊ घूस देबे ला तइयार ना भइलन।
उनुका के छोड़ावे खातिर तब विधायक आपन गोल ले के चहुँप गइलन।