पंचायत का काम में हो रहल बड़ भ्रष्टाचार के रोके खातिर बिहार सरकार लोक प्रहरी के नियु्क्त करे के आ निगरानी तंत्र के मजबूत करे के फैसला कइले बिया. हर पंचायत में पचपन लाख का लागत से पंचायत भवन बनावल जाई जहवाँ एके जगहा मुखिया, सरपंच, आ ग्राम सेवक वगैरह बइठल करीहें आ पंचायती राज के काम करीहें. हर पंचायत में विकास अधिकारी आ लेखापाल के नियुक्ति होखी. पंचायत भवन में वसुधा केन्द्र खोलल जाई आ वीडियो कांफ्रेसिंग के इन्तजाम रही जवना से पटना में बइठल मंत्री आ अधिकारी पंचायत प्रतिनिधियन आ अधिकारियन से संपर्क में रहीहन.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d