आजु बिहार में पंचायत चुनाव के पहिलका दौर के मतदान चल रहल बा. हर मतदाता छह गो पद, मुखिया, सरपंच, पंच, पंचायत सदस्य, पंचायत समिति सदस्य आ जिला परिषद सदस्य, खातिर आपन प्रतिनिधि चुनी. आजु नक्सल प्रभावित इलाका में मतदान जल्दिये पूरा करा लिहल गइल. एह मतदान में ईवीएम मशीन के इस्तेमाल नइखे होत. छपरा जिला के रिविलगंज में वोटरन के रुपिया बाँटे का आरोप में एगो आदमी के गिरफ्तार कर लिहल गइल. काल्हु साँझ पश्चिमी चंपारण के बगहा में मेहुरा सिंहाड़ी पंचायत के एगो उम्मीदवार के करीब तीस हजार रुपिया नकदी रखला का आरोप में गिरफ्तार कर लिहल गइल रहे.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: