2nd Phase polling in Bihar on Sunday
1st phase polling in Bihar passed off peacefully yesterday amidst tight security. 55% voters used their rights to select 47 MLAs in this phase. 2nd phase of polling will be done on Sunday and campaigning for this phase will end today evening.

बिहार विधानसभा चुनाव के पहिलका दौर काल्हु मजगर सुरक्षा का बीचे बढ़िया से निबट गइल. एह दौर में पचपन फीसदी मतदाता वोट डललन. ४७ सीटन खातिर करावल गइल एह मतदान में ६३१ उम्मिदवारन के जीत हार के फैसला मतपेटी में बन्द हो गइल बा. एह में जदयू के २६, भाजपा के २१, राजद के ३१, लोजपा के १६, माकपा के ७ , भाकपा के ११, राकांपा के ३३, माले के १७, आ कांग्रेस के ४७ गो उम्मीदवार शामिल बाड़े.

चुनाव के दुसरका दौर खातिर प्रचार के काम आजु साँझ से बन्द हो जाई. तबले हर पार्टी आपन पुरा लाव लश्कर एह काम में लगा दिहले बा. अतवार का दिन होखे वाला दुसरका दौर के मतदान में शिवहर, सीतामढ़ी, दरभंगा, मुजफ्फरपुर, समस्तीपुर, आ पूर्वी चंपारन जिला में वोट डालल जाई. एह दौर में ४५ सीट के चुनाव होखे वाला बा.

पाँचवा दौर के मतदान वाला इलाकन में परचा दाखिल करे के आजु आखिरी दिन हऽ. काल परचा के जाँच होखी आ २५ तारीख तक नाम वापस लिहल जा सकी. एह दौर के मतदान ९ नवम्बर के होखे वाला बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d