लोकसभा के पूर्व अध्यक्ष बलिराम भगत के अतवार के सबेरे दिल्ली का अपोलो अस्पताल में निधन हो गइल. बलिराम भगत ८९ साल के रहलें आ पिछला कुछ समय से लीवर आ किडनी का बीमारी से पीड़ित रहलें. इन्दिरा गाँधी के लगावल आपातकाल का समय देश के पांचवा लोकसभा के अध्यक्ष उहे रहलें. बलिराम भगत बिहार के आरा जिला से रहलें जहवां उनका निधन पर कई जगहा शोक सभा मनावल गइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d