(सोमार 5 सितम्बर)
- लालू प्रसाद आजु सोमार के फारबिसगंज चहुंप के भजनपुरा गांव में पुलिस गोलीबारी में मराइल बतावल जा रहल लोग के परिवार के अपना पार्टी का तरफ से एक-एक लाख रुपिया दिहले.
- बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आजु कहले कि लालू प्रसाद जहाँ मन करे तहाँ सूतस बाकिर संसद सूते के जगहा ना ह.
- सुशील मोदी के नेतृत्व में बीस राज्य के वित्त मंत्री दस दिन के विदेश दौरा पर जइहें आ स्पेन, फ्रांस, बेल्जियम अउर लक्जमबर्ग के यात्रा करीहें.
- सिवान जिला के कंघवाहारा श्रीनगर में अतवार का दिने दाहा नदी में डूबल तीनो लड़िकियन के लाश आजु मिल गइल.
- बिहार में अब ‘समझो-सीखो’ कार्यक्रम
पटना, 5 सितम्बर (आईएएनएस). बिहार के स्कूलन छात्रन के तादाद बढ़ल का बाद अब शिक्षा के गुणवत्ता सुधारे खातिर शिक्षक दिवस का मौका पर एगो नया कार्यक्रम समझो सीखो के उद्घाटन राज्य के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कइले.एह कार्यक्रम के राज्य के 71,000 स्कूलन में लागू कइल जाई. बिहार शिक्षा परियोजना अउर यूनिसेफ के बनावल एह कार्यक्रम कर विद्यालय शिक्षा समिति अउर अभिभावकन के साथ मिलाके चलावल जाई. ‘समझो-सीखो’ कार्यक्रम खातिर 38 गो प्रचार वाहन तइयार करावल गइल बा जवन जगह-जगह घूम-घूमके शिक्षा के गुणवत्ता के प्रचार करीहे सँ. उद्घाटन करत नीतीश कुमा कहले कि अब स्कूलन में संस्कृति आ खेलो पर ध्यान दिहल जाई.
एह मौका पर शिक्षा के क्षेत्र में अमूल्य योगदान करे वाला कई शिक्षकन के सम्मानितो कइल गइल.
शिक्षा विभाग के एगो अधिकारी बतवले कि एह प्रचार वाहनन पर आकर्षक झांकी लगावल जाई, शिक्षा के प्रोत्साहित करे वाला गीत बाजी आ कई एक समारोहन के वीडियो देखावल जाई. कार्यक्रम पर 50 करोड़ रुपिया के खरच आई. एकर सफलता खातिर पूरा जवाबदेही विद्यालय के प्रधानाध्यापकन पर डालल गइल बा.(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)
- एगो निलंबित आईएएस अधिकारी शिवशंकर वर्मा के संपत्ति के काल्हु जब्त कर लिहल गइल आ उनुका पटना के आलीशान मकान पर सरकार के ताला लाग गइल. अब एह मकान में स्कूल खोलल जाई.
- फारबिसगंज गोलीकाण्ड का खिलाफ काल्हु लालू प्रसाद के नेतृत्व में फारबिसगंज मार्च शुरू भइल. पटना से रवाना होत लालू प्रसाद कहले कि ऊ गरीबन पर अन्याय ना होखे दीहें आ एकर हरसंभव विरोध करीहें.
- जदयू नेता संजय सिंह कहले कि जब फारबिसगंज वाली घटना भइल रहे तब त लालू केन्द्र में मंत्री बने के जुगाड़ में अझूराइल रहले. आ जब कुछ ना भेंटाइल त अब उनुका फारबिसगंज मार्च के इयाद आइल बा.
- कृषिमंत्री नरेन्द्र सिंह के कहना बा कि केंद्र से यूरिया खाद के कम आपूर्ति मिलला का चलते राज्य में खाद के संकट हो गइल बा. कहले बाड़न कि बिहार के कोटा दोसरा राज्यन के दे दिहल गइल बा.