(मंगल, 4 अक्टूबर)
- मुख्य मंत्री रहल भागवत झा आजाद के करीब एक महीना अस्पताल में रहला का बाद मंगल के निधन हो गइल. उनुकर बेटा कीर्ति आजाद भाजपा सांसद हउवें.
- आरा स्टेशन पर श्रमजीवी एक्सप्रेस में बम के अफवाह का बाद अफरातफरी मच गइल.
- बिहार के पंचायती राज, पिछड़ा वर्ग आ अति पिछड़ा वर्ग कल्याण विभाग के मंत्री हरि प्रसाद साह के सोमवार के देर रात दिल्ली के एम्स में निधन हो गइल. ऊ 74 साल के रहले.