(शनिचर 10 सितम्बर)
- बिहार लोकसेवा आयोग के मुख्यपरीक्षा करावे पर अदालत के रोक. उच्चन्यायालय में आयोग के वकील सकरले कि तिरपनवीं से पचपनवीं परीक्षा के रिजल्ट में कुछ गलती भइल बा जवना के सुधारे के कोशिश हो रहल बा. अदालत के एह निर्देश से क्वालिफाई करे वाला प्रतिभागी उदास बाड़े.
- गोपालगंज जेल में डा॰ भूदेव सिंह के मई में भइल हत्या के जाँच सीबीआई शुरू कर दिहलसि. सीबीआई के टीम जेल में जा के कैदियन से पूछताछ कइलसि.
- पटना के इंदिरा गाँधी आयुर्विज्ञान संस्थान में मेडिकल के पढ़ाई शुरू कर दिहल गइल. ई बिहार के नौंवा मेडिकल कॉलेज हवे. एह कॉलेज में सौ सीट पर एमबीबीएस के एडमिशन होखल करी. अबही ले छियानबे छात्र एडमिशन करा लिहले बाड़न.
- बिहार में हर साल आवे वाला बाढ़ पर शोध करे आ एहसे मुक्ति के राह तलाशे खातिर पटना आ भागलपुर में शोध संस्थान खोलल जाई. एहिजा बाढ़ से निपटे खातिर तकनीकि प्रशिक्षणो दिहल जाई.
- चंपारण जिला के बेतिया मंडल कारा के अधीक्षक रमेशचंद्र जायसवाल अनुमंडल पुलिस अधिकारी का घरे जा के आये दिन होखत छापामारी रोकवावे खातिर पाँच हजार रुपिया रिश्वत देबे के कोशिश कइलन जवना का बाद उनुका के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
- छपरा जिला के जनता बाजार में तैनात अवर निरीक्षक मुकेश कुमार सिंह के घूस लेत रंगे हाथ पकड़ के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
- गोपालगंज जिला के बैकुंठपुर विधानसभा क्षेत्र के विधायक रहल बासठ बरीस के देवदत्त प्रसाद के काल्हु दिल्ली में मौत हो गइल जहवाँ उनुकर इलाज होत रहल.
- भोजपुर जिला के नगर थाना इलाका में एगो खैनी व्यवसायी के हत्या कर दिहल गइल जवना से खिसियाइल लोग सड़क पर जाम लगा के प्रदर्शन कइल. बाद में जिला प्रशासन जाम हटवलसि.
- बक्सर जिला के नया भोजपुर में एहो टायर व्यापारी के आजु गोली मार के हत्या कर दिहल गइल. एहिजो एन एच चौरासी पर जाम लगावल लोग.
- पटना फुलवारी शरीफ के हारून कालोनी के रहे वाला सिराज अहमद के निकाह परिवार वालन का मर्जी से कराची के निगार फातिमा का साथे भइल. मुम्बई में व्यवसाय करे वाला सिराज के कहना बा कि अबही ले ऊ पाकिस्तान नइखन देखले बाकिर अब जब ससुराल बन गइल त जाहीं के पड़ी. मजाक में कहलन कि ‘सानिया मिर्जा भारत से पाकिस्तान गइली आ निगार पाकिस्तान से भारत अइली.’ निगार के बड़की बहिन तनवीर फातिमा के शादी बारह साल पहिले पटना में भइल रहे.