(बियफे, 17 नवंबर)
- गया जिला में दिमागी बुखार से 84 दिन में 84 बच्चन के मौत हो गइल बा. पटना हाई कोर्ट एह बारे में बिहार सरकार से जबाब मँगले बा.
- ‘विकिपीडिया’ सम्मेलन में व्याख्यान देबे जइहन पटना के ‘सुपर 30’ के आनंद कुमार.
- आरा में कई जगहा रेल आ सड़क यातायात के बाधित करत राजद कार्यकर्ता माँग कइलन कि बिहिया आ कटैया नहर में पानी छोड़ल जाव.
- लोकसभा अध्यक्षा मीरा कुमार शुक का दिने कैमूर के दु दिन के दौरा पर आवत बाड़ी.
- बक्सर में अलग अलग सड़क दुर्घटना में तीन लोग के मौत हो गइल. सिमरी थाना में ट्रक से कचरा के महाबीर कुमार के, बगेन थाना में जानकी पासवान के आ कठर गाँव में आनंद कुमार के मौत भइल बा.