(मंगल 13 सितम्बर)
- धनबाद शहर में मंगल का दिने एगो स्कूल के छत के प्लास्टर टूटकर गिरला से तीन गो लड़िकी घवाहिल हो गइली सँ.
- पितरपख मेला में अपना पुरखन के पिंडदान करे खातिर हजारन का संख्या में लोग गया में जुटे लागल बा आ फाल्गु नदी समेत सगरी वेदियन पर भीड़ लागल बा.
- मधेपुरा जिला के कुमारखंड थाना इलाका में एगो आदमी अपने चाचा चाची के पीट-पीटके मुआ दिहलसि. पुलिस ओकरा के गिरफ्तार कर लिहले बिया.