बिहार के कला संस्कृति आ युवा खेल मंत्री सुखदा पाण्डेय बक्सर में आयोजित एगो समारोह में कहली कि प्रदेश में खेल के बढ़ावा देबे खातिर खिलाड़ियन के हर तरह के सुविधा दिहल जाई. कोशिश रही कि गाँव जवार से खिलाड़ियन के चुन के प्रदेश स्तर पर प्रशिक्षण के मौका दिहल जाव. बक्सर में खेल के आधुनिक सुविधा के विस्तारो करे के बात कहली सुखदा पांडेय.