उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री मायावती आजु मऊ, बलिया, आजमगढ़ आ गाजीपुर जिला के दौरा कइली आ जिला अस्पताल, अंबेदकर गाँव, मलिन बस्ती, कांशीराम आवास योजना वगैरह के निरीक्षण कइली. उनुका दौरा पर बलिया में प्रशासन कर्फ्यू जइसन माहौल बना दिहले रहुवे. मुख्यमंत्री के दौरा से अउर कुछ होखे भा ना हर जगहा बरीसन से अधूरा पड़ल काम जरुर पूरा हो गइल. जनता के ईच्छा बा कि मुख्यमंत्री एही तरह हर साल दौरा कइल करस त राज्य के विकास हो जाव.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d