हर साल का तरह एहू साल गरमी आवते बिहार आ यूपी में बिजली के संकट शुरु हो गइल बा. यूपी में अनपरा आ सिंगरौली बिजली घरन के पाँच पांच सौ मेगावाट वाली ईकाई बन्द हो गइला का चलते संकट आइल बा. अनपरा वाला ईकाई दू तीन दिन में शुरु होखे के अनुमान लगावल जा रहल बा. सिंगरौली वाला यूनिट शुरु होखे में तनी देर लागी. बिहार में कई जगहा बिजली के कमी से नाराज लोग सरकार का खिलाफ प्रदर्शन करत बा. सरकार के कहना बा कि बिजली आपूर्ति में कमी का चलते दिक्कत आ रहल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: