यूपी के किसान अपना जमीन के मुआविजा पाँच सौ सत्तर रुपिया प्रति वर्गमीटर का दर से माँगत बाड़े जवन दर टप्पल परियोजना खातिर दिहल गइल बा. एह चलते सरकार तय कइले बिया कि किसान के सहमति मिलला बिना ओकरा जमीन के अधिग्रहण ना कइल जाई. काल्हु करछना ताप परियोजना खातिर लिहल गइल जमीन के बेसी मुआविजा माँगत किसानन पर पुलिस के लाठी चार्ज से एगो आदमी के मौत हो गइल जवना का बाद भीड़ बेकाबू हो गइल आ पुलिस वालन के चहेट लिहलसि. पुलिस बल भाग खड़ा भइल. एह भगदड़ में एसपी के गोड़ में फ्रैक्चर हो गइल बा आ कई गो अधिकारी घवाहिल हो गइल बाड़े. भीड़ बाद में कई गो सरकारी वाहन के फूंक दिहलसि आ सड़क का साथ साथ रेलो मार्ग जाम कर दिहलसि जवना चलते बहुते लोग के परेशानी भइल. मृतक के परिवार के पाँच लाख रुपिया मुआविजा देबे के घोषणा भइल बा. आ सरकार एह योजना के रद्दो कर सकेले.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d