सपा विधायकन के मौत से खाली निधौली कला आ लखीमपु सदर विधानसभा सीट के उपचुनाव खातिर परचा भरे के काम चल रहल बा. ३० तारीख ले परचा भरल जाई. मतदान २० नवम्बर के करावल जाई.

रीता बहुगुणा जोशी एक बेर फेर कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष बनावल गइल बाड़ी. राज्य के कांग्रेसी सोनिया पर एकर फैसला छोड़ दिहले रहुवें आ सोनिया काल्हु एकर एलान कर दिहली.

यूपी में इन्सेफलाइटिस के कहर जारी बड़ले बा तबले डेंगू के कहर शुरु होखे के खबर आवे लागल बा. एह साल इन्सेफलाइटिस से ४५१ लोग के जान जा चुकल बा आ अढ़ाई सौ से बेसी मरीज अबहियो भरती बाड़े. मेरठ से डेंगू से दू गो मौत होखे के खबर आइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d