अपराधी आ बाहुबली नेता त हर दल में मिल जइहें बाकि राजद में भरल बाड़े। चारा चोर लालू के गोल के सांसद रहल नेता प्रभुनाथ सिंह के मशरख से विधायक अशोक सिंह के खून करे का अपराध में आजु उमर कैद के सजा सुना दिहलसि हजारीबाग के एगो अदालत।
अलग बात बा कि 23 बरीस पहिले खून करे वाला ई अपराधी एह बीच सांसदो रहल आ आपन नेतागिरी चलावत रहल।
चारा चोरी घोटाला में सजा मिलला का बावजूद लालू आजुओ बाहरे बाड़न आ आपन धौंसगिरी चलावते बाड़न। गनीमत बा कि राहुल का चलते अब चुनाव नइखे लड़ सकत ई घोटालेबाज।
प्रभुनाथो अब चुनाव ना लड़ पइहें।
एह हत्या में शामिल रहल प्रभुनाथ सिंह के भाई दीनानाथ सिंह अउर रितेशो सिंह के उमर कैद के सजा सुनावल गइल बा. साथ ही तीनो जने प 40-40 हजार रुपिया के जुर्मानो लगावल गइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: