भारत विश्व कप क्रिकेट के पहिलका मैच में बांगलादेश का धरती पर बांगला देश के 87 रन से हरा दिहलसि. भारत अपना पारी में चार विकेट का नुकसान पर 370 रन बनवले रहुवे आ बांगला देश के 371 रन बनावे के लक्ष्य मिलल रहे. बाकिर बांगला देश 9 विकेट का नुकसान पर 283 रन बना पवलसि.
पहिला विकेट इमरुल कैस 29 गेंद पर 7 चौका का सहारे 34 रन बना के मुनाफ पटेल के गेंद पर बोल्ड हो गइले. दुसरा विकेट जुनैद सिद्दीकी 52 गेंद पर 1 गो चौका आ 1 गो छक्का मारत 37 रन बनवले आ हरभजन सिंह का गेंद पर महेन्द्र सिह धोनी का हाथे कैच हो गइले. तिसरका विकेट तमीम इकबाल के गिरल जे 86 गेंद पर तीन गो चौका आ एगो छक्का का सहारे 70 रन बना के मुनाफ पटेल का गेंद पर युवराज सिंह का हाथे कैच हो गइलन. चउथका विकेट शकीब अल हसनके गिरल जे 50 गेंद पर 5 गो चौका का सहारे 55 रन बनवले आ यूसुफ पठान के गेंद पर हरभजन सिंह का हाथे कैच हो गइले. पाँचवा विकेट मुशफिकर रहीम के गिरल जे शकीब अल हसनके गिरल जे 30 गेंद पर 2 गो चौका का सहारे 25 रन बनवले आ जहीर खान अपने गेंद पर उनकर कैच ले लिहलन. छठवाँ विकेट महमदुल्लाह के गिरल जे 6 गेंद पर 6 रन बना के मुनाफ पटेल का गेंद पर बोल्ड हो गइले. सातवाँ विकेट नईम इस्लाम के गिरल जिनका के मुनाफ पटेल का गेंद पर पगबाधा करार दे दिहल गइल. ऊ 8 गेंद पर 2 गो रन बनवले रहले. आठवां विकेट अब्दुर रजाक के गिरल जिनका के जहीर खान का गेंद पर पगबाधा करार दिहल गइल. रजाक एकही रन बना पवले रहन. नउवां विकेट सफीउल इस्लाम के गिरल जे बिना रन बनवले आउट हो गइले.
भारत का तरफ से वीरेन्द्र सहवाग 149 गेंद पर 14 गो चौका आ 5 गो छक्का मिला के 175 रन पर शकीब अल हसन का गेंद पर बोल्ड हो गइले. सचिन 29 गेंद पर 4 गो चौका मार के 28 रन पर रन आउट हो गइले, गौतम गंभीर 39 गेंद पर 39 रन बना के, जवना में तीन गो चौका रहे महमदुल्ला के गेंद पर बोल्ड हो गइले. विराट कोहली 83 गेंद पर 8 गो चौका आ 2 गो छक्का मिला के 100 रन बना के नॉट आउट रहले. यूसुफ पठान 10 गेंद पर 8 रन बना के सैफुल इस्लाम का गेंद पर बोल्ड हो गइले.