बिहार में अब से विश्वविद्यालय आ महाविद्यालयन के शिक्षक पद पर बहाली खातिर अभ्यर्थियन के लिखितो परीक्षा देबे के पड़ी. राज्यपाल का साथे कुलपतियन के काल्हु भइल बइठका में ई फैसला लिहल गइल बा. एहमें इहो तय कइल गइल कि लिखित परीक्षा के मान तीस फीसदी रही, शैक्षणिक परीक्षा में मिलल प्राप्तांकन के तीस फीसदी, मौखिक परीक्षा के बीस फीसदी, आ पढ़ावे के क्षमता के बीस फीसदी मान दिहल जाई. अब ले एह बहालियन में लिखित परीक्षा ना होत रहल ह.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: