वीर कुंवर सिंह विश्वविद्यालय में अब स्नातक स्तर से भोजपुरी पढ़ावे के योजना बनावल जा रहल बा. अबही एहीजा स्नातकोत्तर में भोजपुरी पढ़ावल जाले बाकिर स्नातक स्तर पर एकर पढ़ाई के सुविधा नइखे. एकाडेमिक काउन्सिल में एह बारे में प्रस्ताव पारित हो गइल बा. विश्वविद्यालय के प्रोवाइस चांसलर डा॰ तपन कुमार शाण्डिल्य के कहना बा कि अब एह पर सीनेट आ सिंडीकेट में चर्चा होखी आ ओकरा बादे एकर पढ़ाई शुरु हो पाई. एह सब में अबहीं कम से कम साल भर त लागिये जाई बाकिर पोखरा में मछरी नौ नौ कुटिया बखरा के सपना देखल शुरु हो गइल बा. काहे कि कालेज स्तर पर भोजपुरी पढ़ावे खातिर कुछ शिक्षको बहाल करही के पड़ी. भोजपुरी अकादमी एहके अपना प्रयास के सफलता बतावत विश्वविद्यालय अधिकारियन का प्रति आपन आभार जतवले बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d