कर्नाटक के मुख्यमंत्री येदियुरप्पा अपना पर लागल भठियरपन के आरोप आ भाजपा आलाकमान के निर्देश का बावजूद सौदेबाजी में लागल बाड़न आ इस्तीफा के मसला अझुरा के रखले बाड़न. बाकिर आजु बतावल गइल बा कि ऊ राज्यपाल से दुपहिरया एक बजे के बाद के कवनो समय मँगले बाड़न जब ऊ राज्यपाल के आॡन इस्तीफा सँउपिहे. ज्योतिष पर भरोसा राखे वाला येदियुरप्पा के भरोसा बा कि सही मुहुर्त में इस्तीफा दिहला से उनुका वापसी के उमेद बनल रही.