सिनसिनाटी (अमेरिका), 22 अगस्त (आईएएनएस). भारत के महेश भूपति आ लिएंडर पेस के अनभुवी जोड़ी मौजूदा सत्र में आपन दूसरका एटीपी वर्ल्ड टूर मास्टर्स-1000 खिताब जीत लिहले बिया.

‘इंडियन-एक्सप्रेस’ का नाम से मशहूर भूपति आ पेस के जोड़ी सिनसिनाटी में खेलल फाइनल में फ्रांस के माइकल लोड्रा अउर सर्बिया के नेनाद जिमोनजिक के जोड़ी के 7-6(4), 7-6(2) से हरा के खिताब जीत लिहले.

ई भारतीय जोड़ी एहसे पहिले मियामी मास्टर्स-1000 के खिताब अपना नामे कर लिहले रहुवे.

एकरा पहिले, भूपति आ पेस के जोड़ी ई खिताब साल 2001 में अपना नामे कइले रहल.

एह जीत का बाद भूपति कहले कि अब ७नुकर ध्यान अगिला साल होखे वाला लंदन ओलम्पिक पर बावे.

(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: