महाराजगंज इलाका के छोटका टेघड़ा गाँव के रहे वाला पचास बरीस उमिर के पासपति चौधरी सोमार का दिने अदालत में सरेंडर कइले रहुवे. ओकरा पर गैरकानूनी शराब बेचे के मुकदमा रहुवे. बुध के रात खाना खइला का बाद अचानके ओकर तबियत खराब हो गइल. इलाज खातिर ओकरा के सदर अस्पताल भेजल गइल बाकिर ओकर मौत हो गइल. अस्पताल चहुँपे का बेरा ओकर उल्टा साँस चलत रहुवे आ अब तब का कगार पर रहुवे.