सीतामढ़ी से मुजफ्फरपुर के जोड़े वाली नयका रेल लाइन के रुन्नी सैदपुर तक के तेइस किलोमीटर हिस्सा पूरा हो चुकल बा आ आजुसे ओह रेलखंड पर सवारी गाड़ी चले लगीहें सँ. अबहीं बयालीस किलोमीटर रेल मार्ग पर काम चल रहल बा जवना का बाद सीतामढ़ी मुजफ्फरपुर तक जुड़ जाई. ओने सीतामढ़ी बैरगनिया खंडो पर आजु से रेलगाड़ी शुरु हो रहल बा. एह खंड के छोटी लाइन से बड़ी लाइन में बदलल गइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d